Go to ...
RSS Feed

पीरो

आरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 6 गो खबर

उदवंत नगर के पूरबी डेमहां गांव के परमहंस यादव के बेटा जीतेन्द्र (25 बरीस) शुक का दिने आरा सासाराम रोड पर गाँवे का लगे सड़क किनारा बन गइल गड़ही में अपना भईंसियन के नहवावे ले गइल रहुवे. गड़ही के गहराई के थाह ना लगला का चलते ऊ ओहिमें डूब गइल. जब भईंस घरे आ गइली

परीक्षा फार्म ना जमा होखला से नाराज लड़िका हाइवे जाम कइले

भोजपुर जिला के पीरो बीएसएस डिग्री कालेज के विद्यार्थी हाईवे जाम क दिहले. एह लोग के शिकायत रहुवे कि कालेज प्रशासन एह लोग के स्नातक पार्ट 2 आ पार्ट 3 के परीक्षा फार्म जमा नइखे लेत. करीब दूं घंटाले ई लोग हाईवे जाम क के कालेज प्रशासन का खिलाफ नारेबाजी कइल.