Go to ...
RSS Feed

पुणे

पुणे में जमीन धँसला से गाँव भसल

महाराष्ट्र के पुणे जिला के अंबेगाँव इलाका में एगो पहाड़ी के जमीन धँसला का चलते नीचे बसल मलिन नाम के गाँव के नाहियो त पैतीस गो घर भस गइली स. एह में बहुते लोग के मलवा में दबइला के अनेसा बा. घटना का बाद बचाव दल का रूप में एनडीआरएफ के जवान चहुँप गइल बाड़े.