Go to ...
RSS Feed

पूर्वी चंपारण

टटका खबर : 21 सितंबर 2014

टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, कैमूर आ भभुआ जिला के खबर पर एक नजर) आरा रमना मैदान के सांस्कृतिक भवन में होखत एगो समारोह का दौरान कुछ लोग एगो आदमी के चोर बता के जमा के धुनाई क दिहल. आधा घंटा ले पिटाई चलत रहल बाकिर पुलिस के कहीं पता ना रहे. बहोरनपुर

टटका खबर : 20 सितंबर 2014

टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर) तरारी थाना क्षेत्र के हरदिया गाव में दहेज खातिर बियहुता के हत्या करे आ सुबुत मेटावे के मामिला सामने आइल बा. मरे वाली के भाई ओकरा पति समेत आठ जने प मुकदमा लिखववले बाड़न. शुक का दिने पीरो, ईमादपुर, अगिआव

टटका खबर : 19 सितंबर 2014

टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर) गजराजगंज चौकी के मसाढ़ गांव में बियफे रात पड़ल छापा में भूसा में लुका के राखल डेढ़ क्विंटल गांजा बरामद भइल बाकिर अपराधी भाग निकलल. नवादा थाना के बाइपास बस पड़ाव पर बियफे का दिने छापा मार के छह गो

टटका खबर : 18 सितंबर 2014

टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, कैमूर आ भभुआ जिला के खबर पर एक नजर) अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद बक्सर के एमवी कालेज में मंगल का दिने छात्र सम्मेलन सह कालेज इकाई पुनर्गठन समारोह मनवलसि जवना के अध्यक्षता अभाविप के नगर उपाध्यक्ष डा.यशवंत कुमार कइलन. बक्सर रामलीला मैदान में मंगल का दिने विधि विधान

टटका खबर : 17 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु विश्वकर्मा पूजा आ पीएम नरेन्द्र मोदी के जनमदिन ह. आजुए चीन के राष्ट्रपति भारत के दौरा पर अइहें आ अहमदाबाद से यात्रा के शुरुआत करीहें. खास बात बा कि एह दौरान भारत के राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी चीन के यात्रा पर बाड़ें. टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के

टटका खबर : 16 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु 33 गो विधानसभा सीट पर भइल उपचुनाव के वोट गिनल जाई. ठठको में टटका खबर खातिर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर जाईं. आजु जिउतिया पर्व ह. काल्हु विश्वकर्मा पूजा आ पीएम नरेन्द्र मोदी के जनमदिन ह. काल्हुए चीन के राष्ट्रपति भारत के दौरा पर अइहें. टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ

टटका खबर : 15 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु जिउतिया के नहाय खाय ह. उपचुनाव के वोट काल्हु गिनल जाई. जिउतिया काल्हु मनावल जाई. टटका आरा जीत दिल्ली में आ जुलूस आरा में. जेएनयू छात्रसंघ चुनाव में नक्सली समर्थक आइसा के जीत पर आरा शहर में जुलूस निकालल गइल. तरारी प्रखंड के ईमादपुर थाना के चारूग्राम में जमीन कब्जा के विवाद

टटका एबीसीडी : 14 सितंबर 2014

टटका आरा डेहरी आन सोन में बिजली के नया कनेक्शन देबे खातिर 18 तारीख से शिविर लगावल जाई. बिक्रमगंज थाना के धारुपुर में एगो ढोंगी धन दुगना करे का नाम पर पांच लाख रुपिया नगद आ लाखों के गहना ले के भाग गइल बा. अब ओकरा खिलाफ थाना में केस लिखवावल गइल बा. सासाराम में

पूर्वी चंपारण से नक्सली गिरफ्तार

पूर्वी चंपारण के मधुबन इलाका के बंजरिया गाँव से पुलिस मंगल का दिने एगो नक्सली एरिया कमांडर दिनेश पंडित के हथियार आ नक्सली साहित्य का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.

गंडक नहाए गइल दू गो लड़िका डूब गइले

पूर्वी चंपारण के बड़नामा घाट पर सोमार का सबेरे नहाए गइल दू गो लड़िका नदी में डूब गइले. पुलिस के कहना बा कि नहात घरी गोड़ बिछलइला से उ गहिरा पानी में चल गइले सँ जेहसे ओहनी के डूबला से मौत हो गइल. दुनू लड़िकन के लाश नदी से निकाल लिहल गइल बा. एगो दोसरा

अनजान बेमारी से पूर्वी चंपारण में नौ लोग मरल

मोतिहारी 25 नवम्बर (वार्ता) पूर्वी चंपारण जिला के सुगौली इलाका में काल्हु रात से अबले कवनो अनजान बेमारी से तीन गो मेहरारूवन समेत नौ लोग के मौत हो गइल बा. पुलिस बतावत बिया कि सुगौली नगर पंचायत वार्ड संख्या 3 मे सात गो आ फुलवरिया पंचायत के नयका टोला में दू लोग के मौत एह

लौंडेबाजी करे का आरोप में अंचल कर्मचारी गिरफ्तारी

पूर्वी चंपारण जिला के बंजरिया गाँव से लौंडेबाजी का आरोप में एगो अंचल कर्मचारी घनश्याम पांडेय के कल्हुकि रात गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकरा पर सिंधिया गुमटी के एगो दस साल के लइका संगे जबरिया अप्राकृतिक यौनाचार करे के कोशिश के आरोप लागल बा. लइका होटल में काम करेला आ काम पर से लवटला का

ट्रक आ एंबुलेंस का टक्कर में एंबुलेंस ड्राइवर के मौत

पूर्वी चंपारण के बंजरिया इलाका में खंड़वा पुल का लगे शनिचर के रात एगो ट्रक आ एम्बुलेंस के टक्कर हो गइल. एंबुलेस एगो मरीज के चहुँपावे बेतिया गइल रहुवे आ ओहिजा से मोतिहारी लवटत रहुवे जब ई हादसा भइल आ एम्बुलेंस ड्राइवर के मौत हो गइल. ड्राइवर रूपडीह गाँव के बतावल जात बा.

चचेरा भाई के हत्या करे के आरोपी के दू जने गिरफ्तार

पूर्वी चपारण के संग्रामपुर इलाका के मधुबनी मिश्री टोला गाँव में कुछ महीना पहिले अपना गोतिया के हत्या करे के आरोपी बाप बेटा रामअवतार साह आ रितेश साह के आखिरकार पुलिस पकड़े में कामयाब हो गइल. अपराधी अपना ससुरारी में लुकाइल रहत रहुवे.

बंजरिया में लूट के भागत सात गो बदमाश धरइले

पूर्वी चंपारण के बंजरिया इलाका में केटी कॉलेज के नियरा एटीएम से रुपया निकाल के जात एगो नवही के कुछ बदमाश छूरा से घवाहिल कर के बाइस हजार रुपिया छीन लिहले, बाद में ओकरा हल्ला मचवला पर अगल बगल के लोग भागत बदमाशन के चहेट के धर लिहलें. पुलिस सातो के न्यायायिक हिरासत में ले

बाकरपुर का लगे बन्धा टूटल

पूर्वी चपारण जिला के कल्याणपुर प्रखड के बाकरपुर गाँव का लगे काल्हु तिरहुत मुख्य कनाल के उतरवारा बन्धा से पानी रिसल शुरू हो गइला से पच्चीस फुट बाँध टूट गइल. एह चलते आधा दर्जन गाँव में पानी भर गइल बा आ हजारो एकड़ मे लागल फसल बरबाद हो गइल बा.

गैस सिलिंडर फटला से दू गो लइकियन के मौत

पु्र्वी चंपारण जिला के घोड़ासहन इलाका के मुर्शिदाबाद बड़का टोला में काल्हु देर साँझ खाना बनावत घरी गैस सिलिंडर में विस्फोट हो गइल. एह चलते दू गो लइकियन के मौत हो गइल आ एगो गंभीराह घवाहिल हो गइल.

रेल गुमटी पर दुर्घटना में चार जने के मौत

पूर्वी चंपारण के पोठिया गाँव का लगे बिना गेटमैन वाला एगो क्रासिंग पर एगो गाड़ी रेलइंजन से टकरा गइल जवना चलते ओह वाहन पर सवार चार जने के मौत हो गइल. रक्सौल से सुगौल जात ओह वाहन पर नौ जने सवार रहलें

३४ गो अउरी शहरन में नगरपालिका गठित होखी

बिहार के ३४ गो अउरी शहरन में नगरपालिका गठन के मंजुरी मिल गइल बा. अबहीं राज्य में १४३ गो नगरपालिका बाड़ी सँ आ एह नयका शहरन के जुड़ गइला से १७६ गो नगरपालिका हो जाई बिहार में. जवना शहरन में नगरपालिका गठन के प्रस्ताव बा ओहमें पश्चिमी चंपारण के वाल्मीकिनगर आ सिकटा, पूर्वी चंपारण के

Older Posts›› ‹‹Newer Posts