पूर्वी चंपारण में पचीस गो घर राख भइल
पूर्वी चंपारण के तुरकौलिया ब्लाक के शंकर सरैया गाँव में आग लगला का चलते पचीस गो घर राख हो गइल. केहू के जरे मरे के खबर नइखे मिलल.
Online Bhojpuri Newspaper
पूर्वी चंपारण के तुरकौलिया ब्लाक के शंकर सरैया गाँव में आग लगला का चलते पचीस गो घर राख हो गइल. केहू के जरे मरे के खबर नइखे मिलल.
पूर्वी चंपारण के दरपा आ छौड़ादानो थाना के पुलिस मिल के भेलवा गाँव में छापा मरलसि आ रामपुर गुलरिया डकैती कांड के आरोपी सिरी महतो के गिरफ्तार कर लिहलसि.
अतवार का दिने पूर्वी चंपारण के संग्रामपुर थाना के सिकंदरपुर गाँव में एगो व्यवसायी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
पूर्वी चपारण के राजेपुर इलाका से पुलिस दू गो हार्डकोर नक्सलियन के गिरफ्तर कर लिहलसि. सुभाष प्रसाद आ जयलाल माँझी नाम के एह नक्सलियन के पुलिस ढेर दिन से खोजत…