प्रणव मुखर्जी
गोरखपुर के बाल चिकित्सक डॉ कफील खान के इलाहाबाद उच्च न्यायालय रिहा कर दिहलसि. अदालत के कहना बा कि अलीगढ़ मुस्लिम निश्वविद्यालत का सामने जवना भाषण का चलते कफील पर रासुका लगावल गइल ऊ भाषण त एकता आ सद्भाव फैलावे वाला रहुवे. ओह भाषण का चलते खान पर रासुका लगावल गलत रहुवे.बाद में मंगल बुध
पिछला 10 अगस्त के भइल ऑपरेशन का बाद बिगड़त गइल तबियत का चलते वेंटिलेटर पर राखल राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी जी के सोमार का दिने निधन हो गइल. उनुका शोक में देश के सम्मान देखावत 6 सितम्बर ले सात दिन के राजकीय शोक के घोषणा कइल गइल बा. प्रणव दा के समर्थक हर गोल में
नागपुर, 7 जून (वार्ता) राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी संघ के प्रशिक्षण शिविर के समापन के मौका पर अपना संबोधन में सहिष्णुता, एकता आ विविधता के भारत के सबले बड़ पहचान बतावत कहलें कि हमनी के अइसन राष्ट्र बनावे के बा जहाँ केहू के डर ना लागे आ सभे एकजुट हो के अपना मातृभूमि भारत के
नागपुर, 06 जून (वार्ता) हाल ले राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के कार्यक्रम में शामिल होखे ला बुधवार के साँझे नागपुर आ गइलें. बियफे का दिने उहाँ के रेशमीबाग में स्थित संघ मुख्यालय में आरएसएस के तिसरका साल के प्रशिक्षण शिविर (संघ शिक्षा वर्ग) के समापन समारोह के संबोधित करब. आरएसएस हर साल
पटना 25 अक्टूबर (वार्ता) राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान पटना आईआईटी के दुसरका दीक्षांत समारोह मे शामिल होखे आवत बाड़े. आधिकारिक सूत्र बतवले कि राष्ट्रपति आईआईटी के दूसरका दीक्षांत समारोह मे साल 2009 से.13 बैच के दू गो छात्रन के स्वर्ण पदक दीहें आ तीन गो के रजत पदक. दीक्षांत समारोह राजधानी के रविन्द्र
मंगल का दिने मारीशस के राष्ट्रीय दिवस समारोह में मूख्य अतिथि बने खातिर भारत के राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी आजु सोमार का दिने दिल्ली से रवाना भइलन. ओहिजा उनकर तीन दिन के कार्यक्रम बा. भारत आ मारीशस के करीबी संबंध में भोजपुरी के खास महत्व बा काहे कि ओहिजा के बड़हन आबादी भोजपुरिया हवे.
बांगला देश के सरकारी यात्रा पर ढाका चहुँपल भारत के राष्ट्रपति से भेंट करे आवे से ओहिजा के विपक्षी नेता खालिदा जिया मना कर दिहली. एह यात्रा पर आइल राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी पहिला बेर अपना ससुरारी जइहें. साथे उनकर पत्नी सुवरा मुखर्जीओ रहीहें.
पश्चिमबंगाल के जंगीपुर संसदीय सीट से सांसद प्रणव मुखर्जी के इस्तीफा से खाली भइल सीट से कांग्रेस उमीदवार आ राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के बेटा अभिजीत मुखोपाध्याय सीपीएम के मुजफ्फर हसन के हरा दिहलें. बाकि जीत के मार्जिन बहुते कम रहल जवन कांग्रेस खातिर चिंता के बात होखे के चाहीं. एह सीट पर तृणमूल कांग्रेस आपन
राष्ट्रपति चुनाव में पी॰ ए॰ संगमा से सीधा चुनावी लड़ाई में प्रणव मुखर्जी के अनुमान से अधिका आ संगमा के उमेद से कम वोट मिलल. चुनाव हरला का बाद संगमा कहलन कि ई हार भारत के जनजाति समुदाय के ह आ भारत के लोग जनजातियन से एका देखावे के एगो मौका चूक गइलें. कहलन कि
राष्ट्रपति चुनाव में यूपीए उम्मीदवार प्रणव मुखर्जी के समर्थन के एलान कइला का बावजूद आजु जब मुलायम सिंह वोट देबे गइलन त गलती से संगमा के वोट दे दिहलन.बाकिर तुरते उनुका आपन गलती बुझाइयो गइल जवना का बाद ऊ ओह मतपत्र के फाड़ दिहलन आ दोसर मतपत्र माँग के फेर से वोट दिहलन. अबकी कवनो