Go to ...
RSS Feed

प्रयागराज

बिहार पंचायत चुनाव के उमीदवारी आ यूपी के इण्टरमीडिएट परीक्षाफल

(टटका खबर, सोमार, जेठ अँजोरिया एकादशी, 2078 विक्रमी) उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद कोरोना महामारी का चलते रद्द कइल गइल परीक्षन के परिणाम जारी करे वाला सिद्धान्त तय कर लिहले बावे. एह सिद्धान्त के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंजूरी मिल गइल बा. अब परिणान जल्दिए जारी हो जाए के उमीद बा. एह सिद्धान्त का हिसाब

टटका खबर, बियफे, जेठ अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी

काल्हु बुध का दिने देश के शेयर बाजार में बिकवाली के दौर दिन भर चलला का बाद आखिरी आधा घंटा में जोरदार लिवाली आइल. काल्हु सेंसेक्स गिरावट का साथ 51849 अंक पर बंद भइल बाकिर निफ़्टी महज सवा अंक के बढ़ोतरी का साथ 15576 अंक पर बंद भइल. विदेशी बाजारन से मिलत संकेत बतावत बा

टटका खबर, बुध, जेठ अन्हरिया सप्तमी, 2078 विक्रमी

कोरोना के कहर झेलत देश आ समाज के हालात देखत केन्द्र सरकार काल्हु केन्द्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के बारहवीं के परीक्षा रद्द करे के फैसला ले लिहलसि. प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी का अध्यक्षता में काल्हु मंगल का दिने भइल एगो उच्च स्तर के बइठक में ई फैसला लीहल गइल. इहो कहल गइल कि आगे जा के

टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी

छह बेर विश्व चैम्पियन रहल भारत के एमसी मैरीकोम दुबई में होखत 2021 एएसबीसी एशियाई महिला अउर पुरुष मुक्केबाजी चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. अब मैराकोम के एशियाई चैम्पियनशिप में सतवां बेर पदक मिलल तट हो गइल बा. मैराकोम 2008 में रजत पदक जीतला का अलावे 2003, 2005, 2010, 2012, अउर 2017 में

टटका खबर, अतवार, वैशाख अँजोरिया चतुर्थी बाकी, 2078 विक्रमी

देश में कोरोना के हालात पर राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के संघचालक मोहन भागवत शनीचर का दिने एगो व्याखानमाला में बोलत कहनी कि ई परीक्षा के घड़ी बा आ हमनी के आपन सकारत्मकता बचवले राखे के जरुरत बा. कोरोना के पहिलका दौर के खतम भइला का बाद सरकार आ जनता सभे बेपरवाह हो गइल रहुवे

टटका खबर, बुध, वैशाख अँजोरिया प्रतिपदा, 2078 विक्रमी

जन अधिकार पार्टी के अध्यक्ष सांसद रह चुकल राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव के काल्हु मंगल का दिने पुलिस लॉकडाउन के नियम ना माने का आरोप में गिरफ्चार कर लिहलसि. एकर जानकारी ऊ खुद ट्वीट क के दिहलें. बाकिर पुलिस के कहना बा कि अबहीं उनुका के रोकल गइल बा गिरफ्तारी नइखे भइल. अब खबर

टटका टटका, अतवार, 13 सितम्बर 2020

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आजु बिहार में पेट्रोलियम क्षेत्र के तीन गो परियोजना राष्ट्र के समर्पित कइलें. एहमें पारादीप-हल्दिया-दुर्गापुर पाइपलाइन के विस्‍तार करत दुर्गापुर-बांका खंड अउर पूर्वी चंपारण आ बांका में रसोई गैस सिलेंडर भरे वाला दू गो एलपीजी संयत्र शामिल बाड़ी स. नौ सौ करोड़ रूपिया के एह योजनन से ढेरे लोगन के रोजगार मिली

प्रणव दा के निधन पर सात दिन के राजकीय शोक

पिछला 10 अगस्त के भइल ऑपरेशन का बाद बिगड़त गइल तबियत का चलते वेंटिलेटर पर राखल राष्ट्रपति रहल प्रणव मुखर्जी जी के सोमार का दिने निधन हो गइल. उनुका शोक में देश के सम्मान देखावत 6 सितम्बर ले सात दिन के राजकीय शोक के घोषणा कइल गइल बा. प्रणव दा के समर्थक हर गोल में

टटका खबर, 30 अगस्त 2020 के

अतवार का दिने अपना मन का बाति कार्यक्रम में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी देश के उद्यमियन से खिलौना बाजार में दुनिया भर में भारत के पैठ बनावे के आवाहन कइलन आ देशवासियन से कहलन कि देशी खिलौनन ला आपन आवाज बुलन्द करसु. भारत आ रूस दुनू के फिडे ऑनलाइन शतरंज ओलम्पियाड में अतवार का दिने संयुक्त

टटका खबर, मंगल 25 दिसंबर 2020 के

अदालत के अपमान करे के दोसी मानल गइल वकील प्रशान्त भूषण के सजा देबे के फैसला सुप्रीम कोर्ट में सुरक्षित राख दीहल गइल. वकीलन के एकजुट राय रहुवे कि प्रशान्त के कवनो सजा ना दीहल जाव. प्रशान्त अपना बयान ला माफी मांगे के तइयार नइखन आ अदालत के बुझात नइखे कि छोड़ल जाव त का