web analytics

कोरोना से एकदिन में छह हजार से अधिका मौत

(शुक, जेठ अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) एने कुछ दिन से कोरोना के कहर में कमी देखत कई एक राज्यन में लॉकडाउन में ढील देबे के शुरुआत हो गइल रहुवे. एही बीच बियफे का दिन के कोरोना के आंकड़ा जान साँसत में डाल देबे वाला आइल बा. बियफे का दिने अब तक ले के सबले बेसी … Read more

 181 total views

टटका खबर, बियफे, 1 अप्रैल 2021

सतरह बरीस लागल बाकिर अहमदाबाद के विशेष सीबीआई अदालत फैसला सुना दिहलसि कि इशरत जहाँ आतंकवादी रहुवे आ ओकरा के मार गिरावल कवनो तरह से अपराध ना मानल जा सके. एह मामिला में आरोपी बनावल गइल तीनो पुलिस अधिकारियन के अदालत निर्दोष मान लिहलसि, जान जाईं कि जून 2014 में गुजरात के तब मुख्यमंत्री रहल … Read more

 194 total views,  2 views today

http://tatka.in से साँझ सात बजे तकले के खबर

यौगी सरकार केहू का आँवक में नइखे आवे वाली यूपी के चिकित्सा स्वास्थ्य मंत्री सिद्घार्थ नाथ सिंह अपने गठबन्हन के साथी आ अपना बराबरी के मंत्री ओम प्रकाश राजभर के आरोपन के जवाब देत कहलन कि योगी आदित्यनाथ के सरकार केहू के आँवक में नइखे आवे वाली. ओम प्रकाश राजभर ढेर दिन से रहि रहि … Read more

 87 total views

टटका खबर, मंगल, 2 जनवरी 2018

देश में चुनाव लड़े वाला गोल के चंदा देबे वाला लोग, फर्भ, संस्था भा कंपनी अब स्टेट बैंक के निर्धारित शाखा से एक हजार से ले के एक करोड़ रुपिया तक के बॉण्ड खरीद के ओह गोल के दे सकीहें. चंदा पावे वाला आ देबे वाला अपना अपना खाता में एकर जिक्र करीहें बाकिर ई … Read more

 115 total views

टटका खबर, शनिचर, 30 दिसम्बर 2017

भारत का नाराजगी जाहिर कइला का बाद फिलस्‍तीन पाकिस्तान में अपना राजदूत वालिद अबू अली के ओहिजा से वापिस बोला लिहलसि आ खेद जतवले बा कि अनजाने में राजदूत ई गलती क दीहलन. लखनऊ के सआदतगंज इलाका के यासीनगंज में एगो मदरसा में बन्न क के राखल 52 गो नाबालिग लइकियन के पुलिस छोड़ा लिहलसि … Read more

 121 total views

टटका खबर (बियफे, 16 अप्रैल 2015)

दू महीना के छुट्टी मना के बबुआजी लवट आइल बाड़न आ उनुका डेरा पर स्वागत करे ला माई बहिन आ जीजा मौजूद रहुवन. बाकिर बबुआ का हासिल क के लवटल बाड़न से अबहीं ले पता नइखे चलल. आ उनका के समाज का सोझा कब ले आवल जाई एकरो बारे में कवनो जानकारी नइखे. हो सकेला … Read more

 517 total views

भाजपा खातिर उसर रहल जमीन के उपजाऊ बनावे के बीया बो गइले मोदी

वाराणसी 20 दिसम्बर (वार्ता) उत्तर प्रदेश मे होखत रैलियन मे राम आ कृष्ण के नाम लेबे से कतरात नरेन्द्र मोदी शिव के नगरी काशी मे बाबा विश्वनाथ के दर्शन क के अपना पर भाजपा के एजेण्डा से दूर रहे के आरोपन के मजगर जवाब दे गइले. साथही माता गंगा के नाम प पूर्वांचल के लोग … Read more

 94 total views