web analytics

टटका खबर, 1 सितम्बर 2020, मंगल के

गोरखपुर के बाल चिकित्सक डॉ कफील खान के इलाहाबाद उच्च न्यायालय रिहा कर दिहलसि. अदालत के कहना बा कि अलीगढ़ मुस्लिम निश्वविद्यालत का सामने जवना भाषण का चलते कफील पर रासुका लगावल गइल ऊ भाषण त एकता आ सद्भाव फैलावे वाला रहुवे. ओह भाषण का चलते खान पर रासुका लगावल गलत रहुवे.बाद में मंगल बुध … Read more

 155 total views

राजद विधायक के भाई कोर्ट में सरेंडर कइलन

बलिया के गोन्हिया छपरा के मुन्ना सिंह के हत्या का मामिला में आरोपी दीनानाथ सिंह बुध का दिने छपरा के कोर्ट में सरेंडर क दिहलन. एह मौका पर उनकर भाई आ बनियापुर से राजद विधायक केदारनाथ सिंह समेत अनेके लोग अदालत मे॓ मौजूद रहुवे. सरंडर का बाद दीनानाथ का तरफ से जमानत के अरजी डालल … Read more

 295 total views

टटका खबर : 9 सितंबर 2014

टटका बिहार सिवान जिला के बड़हरिया में अतवार का दिने निकलल महाबीरी जुलूस के कुछ लोग चैन छपरा गाँव के मस्जिद का लगे से ना निकले दिहल जवना का बाद इलाका में तनाव पसर गइल बा. भारी पुलिस बंदोबस्त लगावल गइल बा कि हालात बिगड़े मत. इलाका में सोमारो का दिने कुछेक जगहा आगजनी, पथराव … Read more

 455 total views

बनियापुर में मेहरारू के गरदन दबा के मुआ दिहलसि ओकरे मरद

पता ना कवना बात के झगड़ा रहल बाकिर झगड़ा अइसन भइल कि सारण जिला के बनियापुर के कन्हौली मनोहर मिस्कारी टोला मे अतवार का दिने एगो आदमी अना मेहरारू के गरदन दबा के मुआ दिहलसि. बाद मे उ लाश के ठिकाना लगावे के कोशिशे कइलसि बाकिर सफल ना हो पावल. पुलिस ओकरा के गिरफ्तार क … Read more

 360 total views

स्कूल के चापाकल में जहर से चार गो लड़िका बेमार

साल भर पहिले सारण के मशरख में धरमासती गंडामन नवसृजित प्राथमिक विद्यालय में भइल मिड डे मील हादसा के साल भर बाद बरखी का दिने बुध के बनियापुर के राजकीय कन्या मध्य विद्यालय के चापाकल में कवनो जहर डाल दिहलसि. एह पानी के पियला से चार गो विद्यार्थी बेमार पड़ गइले. एहनी के प्रशासन तुरते … Read more

 356 total views

छपरा न्यूज ८ फरवरी २०१४

बनियापुर इलाका के पिपरा गाँव में उमेश कुमार माँझी अपना मेहरारू के गरदन दबा के मुआ दिहलसि. बतावल जात बा कि भउजाई के प्यार में आन्हर उमेश के आएदिन अपना मेहरारू ललिता से झगड़ा होखत रहे. कई बेर एहीला मारोपिटाई करत रहुवे उमेश. शनिचर का दिने ओकरा प अपना मेहरारू ललिता के गला दबा के … Read more

 423 total views

जमीन के झगड़ा में एक आदमी के मुआ दीहल गइल आ छ जने के घवाहिल

छपरा 23 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के बनियापुर इलाका के अमाव गांव मे जमीन खातिर भइल झगड़ा में एक आदमी के पीट पीट के मुआ दीहल गइल. छह जने घवाहिलो भइल बाड़े. पुलिस सूत्र बतवले कि अमाव गांव के शब्बीर मियां के जमीन खातिर अपना पटीदारन से झगड़ा रहुवे. एही लेके आजु सबेरे दुनु फरीक … Read more

 360 total views

ट्रक आ मोटरसाईकिल के टक्कर से दू गो नवहियन के मौत

छपरा 14 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के बनियापुर थाना इलाका के मुस्लिमपुर गांव का नियरा काल्हु देर रात एगो ट्रक आ मोटरसाईकिल के टक्कर से दू गो नवहियन के मौत हो गइल. पुलिस बतावतिया कि जनता बाजार इलाका के बसही गांव के तीस बरीस के दीपक कुमार आ बाइस बरीस के सोनू काल्हु देर रात … Read more

 325 total views

बनियापुर के गायब मेड रिप्रेजेन्टेटिव के लाश इनार में मिलल

सारण जिला के बनियापुर इलाका के पुछरी गांव के प्रताप कुमार के लाश बुध का साँझ जलालपुर के बँगरा गाँव का लगे एगो इनार से मिलल. एक हफ्ता से गायब एह मेड रिप्रेजेन्टेटिव के कॉल डिटेल से पुलिस के पता लागल कि सबले आखिर में ऊ बँगरा के अपना मामी राधिका देवी से बतियवले रहे. … Read more

 369 total views

बनियापुर के दारोगा निलंबित आ फरार

पिछला दिने बनियापुर थाना के पीएसआई अजय कुमार के पिस्टौल से चलल गोली थाना के सब इंसपेक्टर एके बैठा के लागल रहे जवना से उनकर मौत इलाज का दौरान पीएमसीएच में हो गइल. एह मामिला के जाँच में पुलिस अधीक्षक सारण सरसरी तौर पर अजय कुमार के दोषी पवले आ उनुका के निलंबित कर दिहले. … Read more

 362 total views

बनियापुर मे बस का छत पर सवार एगो लड़िका बिजली करंट से मर गइल

बियफे का दिने सारण जिला के बनियापुर में डाढ़ीबाढ़ी चौक का लगे बस के छत पर चढ़ल एगो लड़िका हाई वोल्टेज तार से छुआ गइल जवना से ओकर मौत ओहिजे हो गइल. गनीमत रहल कि ड्राइवर का तेजी से बस में सवार बाकी लोग करंट का चपेटा में ना आइल बाद में एह घटना से … Read more

 310 total views

एटीएम ठग के पिटाई कर के पुलिस के सँउपल गइल

पीएनबी के बनियापुर शाखा के एटीएम से रुपिया निकाले आइल एगो बूढ के बरगला के एगो ठग उनका एटीएम से चार हजार रुपिया निकाल के ले भागल बाकिर अगल बगल के लोग के हल्ला मचवला का बाद गाँव वाले ओकरा के पकड़ लिहलें. पकड़ाइल ठग रिविलगंज परसा के रंजीत साह बतावल जात बा. ओकरा लगे … Read more

 312 total views

पंजाब नेशनल बैंक के सवा करोड़ रुपिया लुटाइल

सारण जिला के बनियापुर थाना इलाका में आजु बुध का दिने पंजाब नेशनल बैंक के कैशवान के हंसारजपुर गाँव का लगे करीब एक दर्जन मोटरसाइकिल सवार लुटेरा घेर लिहलन स आ गोली मार के दू गो सुरक्षाकर्मियन के घवाहिल कर दिहले सँ. एकरा बाद एक करोड़ बीस लाख रुपिया नगद लूट के फरार हो गइलन … Read more

 320 total views