Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

बम विस्फोट

बम विस्फोटन का मामिला में दरभंगा से एगो अउर नवही गिरफ्तार

दरभंगा 31 अक्टूबर (वार्ता) पटना आ महाबोधि मंदिर परिसर मे भइल बम विस्फोटन के जांच करत एनआईए दरभंगा जिला के अशोक पेपर मिल थाना के सिंधौली गांव से मोहम्मद महमूद आलम के बेटा मेहर आलम के गिरफ्तार क लिहले बिया. बाद में मेहर आलम एनआईए के कब्जा से पूछताछ के दौरान मुजफफरपुर से फरार हो

नरेन्द्र मोदी से जरतवाही का चलते नीतीश जनता के जान खतरा मे डलले

पटना 30 अक्तूबर (वार्ता) बिहार के उपमुख्यमंत्री रहल आ भाजपा: के बड़ नेता सुशील कुमार मोदी आरोप लगवलन कि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी से निजी दुश्मनी आ जरतवाही का चलते राज्य के लाखो लोग के जान खतरा मे डाल दिहलन. सुशील मोदी आरोप लगवलन कि हुंकार रैली मे जानबूझ के सुरक्षा के

बिहार सरकार के खुफिया जानकारी दीयाइल रहे, कहलन शिंदे

गुडगांव . 29 अक्टूबर (वार्ता) केन्द्रीय गृह मंत्री सुशील कुमार शिंदे आज कहलन कि बिहार सरकार के रैलियन का दौरान आतंकवादी हमला के अनेसा से चेतावत खुफिया सूचना दीआइल रहे. वइसहूं कवनो रैली का बेरा राज्य पुलिस के अधिका सचेत रहे के चाहीं. आपन पटना दौरा रद्द करे का बारे में शिंदे कहलन कि चूंकि

कायराना हमला का बावजूद भीड़ डटल रह गइल गाँधी मैदान में

पटना. 27 अक्टूबर (वार्ता के रपट में जोड़त) आजु पटना के एतिहासिक गाँधी मैदान में नरेन्द्र मोदी के हुंकार रैली से पहिलही सीरियल बम विस्फोट से पाँच लोग मर गइल आ कई दर्जन लोग घवाहिल हो गइल. सबले पहिले पटना जंक्शन के करबिगहिया ओर एगो सुलभ शौचालय में बम विस्फोट के खबर मिलल. ओहिजा से

बोधगया के महाबोधि मंदिर का नियरा पाँच गो बम फाटल

आजु अतवार का भिनुसारे बोधगया में भगवान बुद्ध के महाबोधि मंदिर का नियरा नौ गो बम फाटल. एह बम विस्फोटन में पाँच गो बौद्ध भिक्षुवन के घवाहिल होखे के खबर बा. एहमें दू जने के हालत बहुत गंभीर बतावल जात बा. सबेरे साढ़े पाँच बजे ई सगरी बम फटली सँ. चार गो बम त मंदिरे

बनारस संकटमोचन मंदिर पर हमला के आरोपी से मुकदमा हटाई अखिलेश सरकार

सात मार्च 2006 के बनारस का संकट मोचन मंदिर आ कैंट स्टेशन पर भइल बम विस्फोट आ दू दर्जन से अधिका बेकसूर के मौत के आरोपौ चंदौली निवासी शमीम अहमद पर से मुकदमा हटावे के फैसला अखिलेश सरकार ले लिहले बिया जबकि जिला प्रशासन रिपोर्ट भेजले रहुवे कि मजबूत सबूत देखत शमीम पर से मुकदमा

आतंकवादी आरोपी के मौत पर छह लाख के मुआविजा

अखिलेश सरकार फैजाबाद जिला कचहरी पर बम हमला करे के आरोपी खालिद मुजाहिद का मरला का चलते ओकरा परिवार के छह लाख रुपिया के सहायता देबे के घोषणा कइले बिया. खालिद के मौत अदालत से वापसी का रास्ता में तबियत खराब भइला का चलते हो गइल रहुवे. एह घटना के सीबीआई से जाँच के सिफारिशो

दुकान में टाँगल टार्च बम फटला से एक आदमी घवाहिल

बलिया जिला के रसड़ा थाना के जाम गांव में हार्डवेयर का एगो दुकान में एगो पैकेट टाँगल रहल. मकान मालिक के पत्नी के लागल कि केहु नवमी में टोटका कर के कुछ टाँग दिहले बा. ऊ अपने ना उतरली आ अपना आदमी से कहली. टाँगल पैकेट उतारल गइल त ओहमें एगो टार्च रहुवे. अबही टार्च

नक्सलियन के बिछावल बारूदी सुरंग विस्फोट में आठ लोग के जान गइल

गया जिला के बारा मोड़ का लगे आजु शुक का दुपहरिया में नक्सलियन के बिछावल बारूदी सुरंग में विस्फोट हो गइल जवना से एगो पुलिस गश्ती वाहन के चिंदी चिंदी उड़ गइल. वाहन पर सवार आठ लोग के मरे के खबर बा. गश्ती दल रौशनगंज थाना से शेरघाटी जात रहुवे.