web analytics

वकील के खून करे के अछरंगी का घरे कुर्की जब्ती

गोपालगंज के बरौली में पिछला तीस अगस्ता का दिने भइल वकील त्रिपुरारी शरण शर्मा के हत्या का मामिला में फरार चलत जय प्रकाश का घरे अतवार का दिने पुलिस कुर्की जब्ती करे चहुँपल आ कुर्की कइलसि. एह मामिला में हजियापुर के जितेंद्र सिंह आ भोजपुरवां गांव के शक्ति सिंह के पहिलही गिरफ्तार क लीहल गइल … Read more

 357 total views

बरौली नगर पंचायत अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष के हटावल गइल

गोपालगंज जिला के बरौली नगर पंचायत अध्यक्ष राजेन्द्र साह आ उपाध्यक्ष अजमेरी खातून का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव भारी बहुमत से पास हो गइल. एह लोग का खिलाफ सतरह वोट आ एह लोग का पक्ष मे साते गो वोट पड़ल.  347 total views

 347 total views

लापता बच्ची के लाश मिलल, दुष्कर्म के अनेसा

गोपालगंज जिला के बरौली इलाका के नवादा गांव से लापता एगो सात साल के बच्ची के लाश पुलिस बुध का दिने बरामद क लिहलसि. पुलिस बतावत बिया कि नवादा गांव के सात साल के ई बच्ची तीन दिन पहिले दुर्गापूजा देखे गइल रहे आ तबे से लापता रहुवे. बुध का सबेरे गाँव का बगइचा का … Read more

 335 total views

बरौली में बिजली करंट से दू आदमी के मौत

गोपालगंज जिला के बरौली में सरफरा गांव का नियरा एगो ट्रक हाई वोल्टेज तार से छुआ गइल जवना चलते ड्राइवर आ एगो मजदूर के मौत हो गइल. पाँच गो अउरियो लोग ओह पर सवार रहुवे बाकिर उ लोग बाँच गउवे. मरेवाला मजदूर मोतिहारी के भोपतपुर चौबे टोला के सौदागर सहनी बतावल जात बा. ट्रक ड्राइवर … Read more

 324 total views

आन्ही से गिरल पेड़ से दबा के औरत के मौत

गोपालगंज का सिधवलिया इलाका में लोहिजरा गाँव के एगो औरत अपना दुवार पर बइठल रहे जब बियफे का सँझिया आइल आंधी से जामून के पेड़ गिर पड़ल आ ओकरा नीचे दबा के ओकर मौत हो गइल. एगो दोसरा घटना में बरौली इलाका में बेलसंड गाँव का लगे एगो टेम्पो पलट गइल जवना से एगो औरत … Read more

 353 total views