web analytics

दलित लइकी से तौकीर रेप करी त मीडिया चुपे रही

बेतिया के नरकटियागंज के पुरानी बस्ती के एगो बदमाश छुरा का बल पर एगो दलित लइकी से बलात्कार कइलसि आ एकर वीडियो बना लिहलसि। बाद में आकर यौन शोषण करे लागल। लइकी के बाप के ऊ वीडियो देख के कहलसि कि ओकरा से निकाह करवा द आ आपन जमीनो लिख द। पहिले त बाप मान … Read more

 410 total views

जुवेनाइल कानून के प्रावधान के सुप्रीम कोर्ट मे चुनौती दिहले दामिनी के माता पिता

नयी दिल्ली 30 नवम्बर (वार्ता) राजधानी के वसंत विहार सामूहिक बलात्कार कांड के शिकार पैरा.मेडिकल छात्रा के माता पिता किशोर न्याय /बाल सुरक्षा एवं संरक्षा/ कानून 2000 के ओह प्रावधान के उच्चतम न्यायालय मे चुनौती दिहले बाड़न जवना का चलते नाबालिग अपराधी के अधिका से अधिका तीन साल के सजा मिलेला. अधिवक्ता अमन हिंगोरानी से … Read more

 445 total views

मास्टर अपना एगो बच्ची से दुष्कर्म कइलसि

छपरा 23 अक्टूबर (वार्ता) एगो शिक्षक सोलह साल के एगो लइकी का साथे बिहार के सारण जिला मुख्यालय छपरा के भगवान बाजार इलाका के एगो होटल मे दुष्कर्म करे के आरोपी बनावल गइल बा. पुलिस सूत्र बतवले कि मढौरा थाना के बहुआरा पट्टी गांव के राजगांव उत्क्रमित मध्य विद्यालय के मास्टर ललितेश्वर राम पिछला 17 … Read more

 271 total views

दुष्कर्म आ हत्या के आरोपी गिरफ्तार

रोहतास जिला के दरिहट इलाका के धरहरा गांव मे करीब एक हफ्ता पहिले एगो नाबालिग के बलात्कार क के हत्या कर देबे वाला आरोपी धर्मेन्द्र कुमार के पुलिस आजु शुक का दिने गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि, पुलिस अधीक्षक विकास वर्मन संवाददाता सम्मेलन मे बतवले कि 11 अक्टूबर के रात नौ साल के लड़िकी … Read more

 369 total views

बलात्कारी दरिंदन के फाँसी के सजा सुनावल गइल

पिछला 16 दिसंबर के दिल्ली मे एगो पारामेडिकल छात्रा संगे सामूहिक बलात्कार, बर्बर तरीका से ओकर हत्या करे वाला चारो अपराधियन के आजु साकेत के फास्ट ट्रैक कोर्ट में अतिरिक्त सत्र न्यायाधीश योगेश खन्ना फाँसी के सजा सुना दिहलें. अदालत का नजर में ई घटना दुर्लभ से दुर्लभतम के शर्त पूरा करत बा आ चारो … Read more

 447 total views

गाजीपुर में लड़िकी से जबरिया संबंध बनवले सं

गाजीपुर के सुहवल गाँव में पिछला अतवार का रात दिशा मैदान खातिर घर से निकलल एगो लड़िकी के पहिले से घात लगा के खड़ा दु गो लड़िका ओकरा के खीच के खालीमकान में ले के चल गइलें आ हाथ गोड़ बान्ह के ओकरा संगे बलात्कार कइलें. अगिला दिने लड़िकी ओह लड़िकन के घर का सोझा … Read more

 334 total views

रेप करे ला लइकी भा कम उमिर के औरत चाहीं

देवरिया जिला में एएसपी से शिकायत करे आइल एगो औरत के सबका सोझा एगो अउर शर्मिंदगी झेले के पड़ गइल जब एएसपी ओकरा से लइकन के संख्या पूछलन आ फेर सबसे बड़ लइका के उमिर. औरतिया कहलसि कि चौदह साल त एएसपी साहब कह दिहलन कि अतना पुरानी मेहरारू से कवन बलात्कार करी? अलग बाति … Read more

 367 total views

पटना में आपरेशन थिएटर में बलात्कार

पटना के एगो निजी अस्पताल के आपरेशन थिएटर में डाक्टर मरीज से बलात्कार कइलसि आ ओकर एमएमएस बना के ढेर दिन ले ओह मरीज के अपना सहयोगियन साथे बोला बोला के बलात्कार करत रहल. एह सब से आजिज लड़की मतिसुन्न हालत में दानापुर रेलवे टीसन पर मिलल जवना का बाद मामिला सामने आइल बा. पूरा … Read more

 124 total views