Go to ...
RSS Feed

बलिया न्यूज

टटका खबर, शनिचर, 30 दिसम्बर 2017

भारत का नाराजगी जाहिर कइला का बाद फिलस्‍तीन पाकिस्तान में अपना राजदूत वालिद अबू अली के ओहिजा से वापिस बोला लिहलसि आ खेद जतवले बा कि अनजाने में राजदूत ई गलती क दीहलन. लखनऊ के सआदतगंज इलाका के यासीनगंज में एगो मदरसा में बन्न क के राखल 52 गो नाबालिग लइकियन के पुलिस छोड़ा लिहलसि

बलिया न्यूज, 9 मार्च 16

यूपी विधान परिषद के नयका चुनाइल सदस्यन के किरिया धरावल गइल आजु यूपी विधान परिषद के 35 गो नयका चुनाइल सदस्यन के सदस्यता के किरिया धरावल गइल. किरिया धरावे के काम कार्यवाहक सभापति ओम प्रकाश शर्मा कइलन. बाद में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, सभापति ओम प्रकाश शर्मा आ विपक्ष के नेता नसीमुद्दीन सिद्दीकी सभका के बधाई

बलिया न्यूज (सोमार, 14 सितंबर 2015)

मऊ जिला के कोपागंज में दक्खिन टोला के रैनी पुलिया का लगे एगो मोटरसाइकिल पर अपना भाई के साथे जात एगो लड़िकी के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल. 18 बरीस के एह लड़िकी से चार साल पहिले जब ऊ महज 14 बरीस के रहुवे तीन गो बदमाश गैंग रेप कइले रहले सँ बाकिर

बलिया न्यूज (अतवार, 13 सितंबर 2015)

यूपी के पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के सपना सपने रह गइल काहे कि इलाहाबाद हाई कोर्ट एह लोग के सहायक शिक्षक बना के सरकार के नियमित सेवा में ले आवे के फैसला के रद्द कर दिहलसि काहे कि एह लोग के बहाली सही तरीका से ना कइल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि सहायक शिक्षक

बलिया न्यूज (शनिचर, 12 सितंबर 2015)

समाजवादी नेता लोग के लड़ाई में बलिया के आम आदमी के फजीहत होखत बा. शुक का दिने बलिया जिला के कई कस्बा में व्यापारी बलिया के लक्ष्मण गुप्ता के गिरफ्तारी का खिलाफ बाजार बंद रखलें. दोसरा तरफ नारद राय का मौजूदगी में व्यापारियन के सभा क के मालगोदाम रोड पर एगो दुकान लूटे वाला आ

बलिया न्यूज : 13 जुलाई 2015

‘मुए’ से पहिलहीं मर चुकल रहली अमरमणि त्रिपाठी के पतोहु. सड़क हादसा में सारा के मौत के खबर ले के थाना चहुँपल अमनमणि त्रिपाठी के ओहि दिने पकड़ के जेल मे डाल दिहले रहुवे पुलिस. अब पोस्टमार्टम में बतावल गइल बा कि सड़क हादसा होखे का पहिलहीं सारा के फेफड़ा जख्मी रहुवे आ छाती के

बलिया न्यूज : 11 जुलाई 2015

बलिया जिला में नदियन के बढ़त पानी से किनार के लोग दहशत में आए लागल बा. गंगा में हर घंटा दू सेन्टीमीटर पानी चढल जात बा. हालांकि घाघरा के पानी दू दिन से थिराइल बा त ओहिजा के लोग राहत के साँस लेत बा. बिल्थरारोड इलाका में चैनपुर गांव का नियरा घाघरा के कटान तेज

बलिया न्यूज : 10 जुलाई 2015

सदर कोतवाली के महावीर घाट हनुमान मंदिर का नियरा बियफे का साँझ मोटर साइकिल सवार दू गो बदमाश मोहन छपरा गांव के प्रधान सुरेंद्र प्रसाद बाइक पर पीछै बइठल प्रापर्टी डीलर विजय ठाकुर के गोली मार के भाग परइलें सँ. ठावें पर उनकर मौत हो गइल बाकिर लथपथ देह लेके लोग जिला अस्पताल चहुँपल जहाँ

बलिया न्यूज : 9 जुलाई 2015

बलिया काल्हु अपना दाढ़़ी बाबा युवा तुर्क आ देश के प्रधानमंत्री रहल स्व. चंद्रशेखर के जयन्ती मनवलसि आ कई जगहा एकर कार्यक्रम आयोजित भइल. बलिया जिला में कमाई करत झोला छाप डाक्टरन के धरे पकड़े खातिर एगो टीम बनावल गइल बा जवना में एसडीएम, सीओ अउर ओह इलाका के डिप्टी सीएमओ रहीहें. फर्जी कंपनी खोलके

यूपी आ बलिया न्यूज – 25 मई 2015

वाराणसी में अपना मंत्रालय के रिपोर्ट कार्ड जारी करत रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा कहलन कि सरकार के पूरा कोशिश बा कि ट्रैक कंजेशन के कम कइल जाव. एह चलते ना त कवनो नया ट्रेन चलावल जात बा ना ही कवनो नया परियोजना शुरू होखी. सगरी जोर एह बात पर रही कि पुरनका परियोजनन के

यूपी आ बलिया न्यूज 24 मई 2015

बलिया जिला के बाँसडीह इलाका के एगो नर्सिंग होम में दू गो कर्मचारियन पर ओहिजा के एगो मरीज के बेटी अपना साथे संभोग करे के आरोप लगवले बिया. पुलिस दुनू आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. पुलिस मामिला के तहकीकात करे में लागल बिया आ एगो तिसरका साथी होखे के अनेसा जतावत बिया. देवरिया के

बलिया न्यूज – 22 मई 2015

अपना के एनडी तिवारी के बेटा साबित करा देखावे वाला रोहित शेखर तिवारी के यूपी सरकार अपना परिवहन विभाग के सलाहकार बहाल क लिहले बिया. ई बहाली करवा के मुलायम सिंह यादव एनडी तिवारी से अपना दोस्ती के अगिला पीढ़ी ले बढ़वा दिहलन. उग्रवादियन के गिरफ्त में साल भर से पड़ल अपना मरदन के रिहाई

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शनिचर, 28 फरवरी 2015)

(शुक, 27 फरवरी के खबर) राष्ट्रपति के अभिभाषण पर संसद में भइल चरचा में विपक्ष के भाषनन के चुन चुन के जवाब दिहलन पीएम मोदी. आजु मोदी अपना पूरा रौ में रहुवन आ संसद में चुप्पी साधे के शिकायत करे वाला विपक्ष शायद अब फेर कबो उनुका से जवाब देबे के ना कही. अपना जवाब

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शुक, 27 फरवरी 2015)

(बियफे, 26 फरवरी के खबर) बियफे का दिने पेश भइल मोदी सरकार के पहिलका पूरा रेल बजट में सवारी भाड़ा ना त कम भइल ना बढ़ावल गइल. डीजल के दाम में कमी से कुछ लोग के उमेद रहुवे कि भाड़ा में कुछ कमी हो सकेला. साथही कवनो नया ट्रेन चलावे के एलानो ना भइल. बाकिर

भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (मंगल, 24 फरवरी 2015)

(सोमार, 23 फरवरी के खबर) छपरा न्यूज मुहल्ला के समस्या सलटावे खातिर पोलियो ड्राप ना पिआवे के सहारा ले के छपरा के रौजा पोखरा बस्ती के लोग अधिकारियन के हलकान क दिहल. चार घंटा ले मान मनौवल का बाद लोग पोलियो ड्राप पिअवावे खातिर तइयार भइल. एगो निजी फाइनेंस कंपनी के कर्मचारी लोन के पइसा