Go to ...
RSS Feed

बलिया

आसाराम बापू के आवे का खिलाफ लड़िका सभ बवाल कटलें

बलिया में आसाराम बापू २० फरवरी बुध के आवे वाला बाड़न. उनका आवे का खिलाफ आजु सतीश चन्द्र महाविद्यालय के विद्यार्थी आसाराम बापू के पुतला जरवले आ सड़क पर प्रदर्शन कइलें. छात्रन के विरोध एह पर रहल कि आसाराम बलिया की लड़िकी के साथे भइल बलजोरी का बाद आपत्तिजनक बयान काहे दिहले रहलें. तब आसाराम

सड़क हादसा में दुइ जने घवाधुर

फेफना, बलिया। फेफना रसड़ा रोड पर सिंहपुर चट्टी पर बुधवार के दिने एगो पियक्कड़ के बचावे में एगो इंडिका गाड़ी सड़क के किनारे गिटटी के ढेर से टकरा गउए आ खराब हो गउए जेवना से ओकर चालक आ एगो अउरी आदमी जेवन ओमे रहुए उ घवाधुर हो गउन स।

एगो अधेड़ घवाधुर भइलन

हल्दी, बलिया। जिला में नवका नवका आइल समाजवादी एम्बुलेंस नंदपुर के निवासी परशुराम पाण्डे के सड़क पार करत समय हल्दी चट्टीए पर धक्का मार दीहल सीह जेकरा चलते उ घवाधुर हो गइलन ह।

नवका डीएम साहेब जिला में अइलन

बलिया के नवका डीएम साहेब सत्यनारायण श्रीवास्तव बिअफे के आ के आपन कार्यभार संभारि लीहली। इहां के 1982 बैक के आईएएस हईं। कार्यभार ग्रहण कइला के बाद जनपद वासियन के शुभकामना दीहनीं ह आ कहनी ह कि शासन के नीतियन के आ दायित्वन के हम समुचित निर्वहन करब।

माई के गोदी से बचवा के ले भगलन स

मनियर। बलिया। सतकू बाबा स्थान पर एगो विक्षिप्त मेहरारू के गोदी से ओकर ढाई महीना के लइका के बोलेरो गाड़ी में आइल कुछु आदमी छीनि के ले के भाग गइलन ह स। बतावल जाता कि बुधवार के रात एक बजे चार जने बोलेरो गाड़ी से आइ के झपटि के ओकरा गोदी से लइकवा के ले

आंखि के निशुल्क आपरेशन भइल

रतसर। बलिया। पचखोरा मार्ग पर सपा नेता प्रभात विश्वकर्मा के घरहीं पर गायत्री परिवार के ओर से आंख के 50 रोगियन के निःशुल्क आपरेशन भइल ह। आपरेशन डा॰ शत्रुघ्न सिंह कइलन ह।

सड़क दुर्घटना में बलिया के तीन लोग मुअल

लखनऊ के हिमसिटी में रहेवाला हरेन्द्र सिंह ठीकेदार के बेटी के बिआह बुधवार के रहुए ओमें तीन जने बलिया के गइल रहल। आ ओनी से राति के एक बजे अपना स्कार्पियो गाड़ी से लउटत रहल हो। बहुते तेज चलवला के कारन उ गाड़ी कब्जा से बाहर होके देवा रोड पर इलाहाबाद बैंक के नियरे हनुमान

बलिया में यूरो गायनी सर्जिकल कार्यशाला के आयोजन

आज अतवार, २ सितम्बर के बलिया में पहिला हाली एगो यूरो गायनी सर्जिकल कार्यशाला के आयोजन डा॰ महाबीर सिंह हास्पिटल पर भइल. एह सर्जिकल कार्यशाला में अहमदाबाद के इंस्टीच्यूट आफ किडनी डिजीज एंड रिसर्च सेंटर के गायनोकोलोजी विभागाध्यक्ष डा॰ विनीत मिश्रा, जे फाग्सी के यूरोगायनाकोलोजी समिति के चेयरमैनो हउवें, एक दर्जन औरतन के अलग अलग

बलिया टीडी कालेज बंद कर दिहल गइल

कर्मचारियन के हड़ताल से अँउजिया के बलिया के मुरली मनोहर टाउन दिग्री कॉलेज के प्राचार्य कॉलेज के अनियत काल ले ब्द कर दिहलें. एह चलते नया विद्यार्थियन के दाखिलो रुक जाई. कर्माचारियन के शिकायत बा कि प्रयोगशाला सहायक खातिर सीधे बहाली काहे कइल गइल. ओह लोग के कहना बा कि एहमें प्रोन्नति का आधार पर

फर्जी कागजात पर रोजगार सेवक के नौकरी

बलिया के नगरा ब्लाक के खैरानिस्फी गाँव के भुटेली यादव का शिकायत पर गाँवे के अरविंद यादव, ओह घरी के बीडीओ आ प्रधान, अउर एगो औरत रंजना यादव पर अदालत का आदेश का बाद पुलिस केस दर्ज कर के जाँच शुरु कर दिहले बिया. बार बार सिकायत कइला का बादो जब कवनो कार्रवाई ना भइल

बलिया से सपा समर्थित साधना गुप्ता जीतली

चितबड़ागाँव से पार्वती, सहतवार से स्वर्णप्रभा, बाँसडीह से मनोरमा सिहं, रेवती से जयश्री पाण्डेय, आ सिकन्दरपुर से सावित्री देवी जीतल बाड़ी. मनियर नगर पंचायत से मौजूदा अध्यक्ष ब्रह्मशक्ति संजय सिंह दुबारा जीतलें. रसड़ा नगरपालिका परिषद अध्यक्ष पद पर वशिष्ठ नारायण सोनी फेर जीतलें. जबकी भाजपा उनुका के टिकट ना दिहले रहुवे. बिल्थरा रोड से दिनेश

अंधविश्वास का खिलाफ बलिया में अभियान के शुरूआत

काल्हु २६ जून के बलिया जापलिनगंज के राधाकृष्ण अकादमी में राष्ट्रीय बाल विज्ञान कांग्रेस बलिया का तरफ से एगो प्रशिक्षण शिविर के आयोजन भइल जवना के उद्घाटन बलिया के इनफारमेटिक आफिसर अहमद सऊद कइलन. खास मेहमान रहलें एनआईसी बलिया के अंजन गोस्वामी. एह शिविर में बाबा लोग के चमत्कारन के वैज्ञानिक जानकारी दिहल गइल जवना

‹‹Newer Posts