Go to ...
RSS Feed

बलिया

उपचुनाव का बाद यूपी में बड़का अधिकारियन के तबादला

लखनऊ 17 मार्च (वार्ता). लोकसभा उपचुनाव के भोटगिनाई का दौरान सवालन का घेरा में आइल गोरखपुर के जिलाधिकारी राजीव रौतेला समेत 37 गो आईएएस अधिकारियन के तबादला आदेश जारी हो गइल बा. अधरतिया का बाद जारी भइल एह आदेश में गोरखपुर के जिलाधिकारी राजीव रौतेला के देवी पाटन मण्डल के आयुक्त, कानपुर विकास प्राधिकरण के

बलिया में चिकित्सा विभाग के दू गो अधिकारियन पर हमला

बलिया 9 मार्च (वार्ता) बलिया जिला मुख्यालय पर नौकरी के रेगुलर करावे ला घूस मांगल गइला का बाद चिकित्सा विभाग के दू गो अधिकारियन पर हमला कइल गइल. पुलिस अधीक्षक अनिल कुमार आजु बतवलें कि शहर कोतवाली के एन सी सी चौराहा का लगे काल्हु देर साँझि अपना सरकारी वाहन से जिला अस्पताल जात उपमुख्य

टटका खबर, 4 मार्च 2018, अतवार

राज्यसभा चुनाव में जेटली के मैदान में उतार सकेले भाजपा लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) संख्या बल का लिहाज से भारतीय जनता पार्टी खातिर बहुते खास होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में केन्द्रीय मंत्री अरूण जेटली के अलावा राज्य के कुछ अउरियो कद्दावर नेतन का नाम पर सोच विचार हो रहल बा. यूपी से राज्यसभा के

टटका खबर, 26 फरवरी 2018, सोमार

26 फरवरी (वार्ता). लोकतंत्र बरियार करे में पत्रकारिता के निष्पक्षता जरूरी : कहलें राधामोहन केंद्रीय कृषि आ किसान कल्याण मंत्री राधामोहन सिंह आजु मौतिहारी में जर्नलिस्ट वेलफेयर सोसाइटी के पहिलका स्थापना दिवस समारोह आ राष्ट्रीय सेमिनार का उद्घाटन के बाद संबोधित करत कहलन कि भारत के पत्रकारिता के अतीत बहुते गौरवशाली रहल बा आ आजादी

टटका खबर, 24 फरवरी 2018, शनिचर, साँझ 4 बजे ले

लोकसभा उपचुनाव में दुनु सीट के हर बूथ पर वीवीपैट लगावल जाई चुनाव आयोग के कहना बा कि उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ फूलपुर लोकसभा सीटन पर होखत उपचुनाव में हर बूथ के हर ईवीएम में वीवीपैट लगावल जाई. मऊ में बोलेरो का धक्का से गाजीपुर के एक जने के मौत गाजीपुर शहर कोतवाली इलाका

फोटो वायरल भइला से दुखी लड़िकी इनार में कूद के जान दिहलसि

बलिया 21 फरवरी (वार्ता). बलिया जिला के उभांव क्षेत्र के एगो लड़िकी इनार में कूद के जान दे दिहलसि काहें कि ओकर एगो बदनाम करे वाला फोटो सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल बा. पुलिस के कहना बा कि शेखपुर गाँन के ललिता चौहान (20) के लाश गाँव के एगो इनार में मिलला के खबर

बलिया टीसन के कायाकल्प

बलिया टीसन के मॉडल टीसन में शामिल त क लीहल गइल रहुवे बाकिर जमीन पर कवनो बड़हन फरक देखे के ना मिलत रहुवे. अब एकर कायाकल्प करे के काम पूरा जोर शोर से होखे लागल बा. टीसन पर वाई फाई के सुविधा दिहला का बाद अब प्लेटफार्म के शेड बदले क काम शुरू हो गइल

पूर्वांचल के बिजली चोर जिला – बलिया आ मऊ

लगातार आ बेकाबू बिजली चोरी से निपटे में आपन नाकामी सकारत पूर्वाचल बिजली वितरण निगम बलिया आ मऊ जिला में बिजली बिस वसूली के जिम्मा अब प्राइवेट कंपनी के देबे के फैसला कइले बिया. यूपी के अउरियो वितरण निगम एही तरह आपना अपना इलाका के महाचोर जिलन के निजी कंपनियन का कपारे फोड़े के फैसला

साढ़े तेरह बरीस जेल, दुमका डोरंडा बाकिये बा

पहिला बेर मनल उत्तर प्रदेश स्थापना दिवस उप राष्ट्रपति वेंकैया नायडू आजु लखनऊ में उत्तर प्रदेश स्थापना दिवस आ एह मौका पर आयोजित लखनऊ महोत्सवो के उद्घाटन कइलन. एह मौका पर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेशवासियन के करोड़ों रुपिया के कई गो परियोजनन के एलान करत कहलन कि ई यूपी खातिर गौरव के दिन बा. जाने

टटका खबर पर बियफे 11 जनवरी 2018 के कुछ खास खबर

वाराणसी में बियफे का दिने देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के पुण्यतिथि पर अनेके कार्यक्रम आयोजित कइल गइल. एगो समारोह उनुका पैतृक निवास रामनगर में आयोजित भइल. राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लखनऊ के लाल बहादुर शास्त्री भवन में आयोजित समारोह में शामिल भइनी आ आपन पुष्पांजलि अर्पित कइनी. योगी जी

टटका खबर, बियफे, 4 जनवरी 2018

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे का दिने आजमगढ़ जिले के सठियांव ब्लॉक का किसान सहकारी मिल के मैदान में आसवनी आ एथेनॉल प्लांट समेत पांच सौ बावन करोड़ रुपिया के अनेके परियोजनन के शिलान्यास भा लोकार्पण करत कहनी कि उहाँ के सरकार राज्य के बाईस करोड़ लोगन के सुरक्षा के जिम्मेदारी आ नवहियन अउर

टटका खबर, सोमार, 1 जनवरी 2018

अमरीका के राष्ट्रपति डॉनल्ड ट्रंप पाकिस्‍तान का खिलाफ कड़ा रूख अपनावत ओकरा के झूठा आ फरेबी बतवले बाड़ें. नया साल का पहिलके दिने पाकिस्तान के अउरी सहायता करे से मना क दिहलें. एकरा बाद पाकिस्‍तान के विदेश मंत्री ख्‍वाजा आसिफ आ प्रधानमंत्री शाहिद खाक़ान अब्‍बासी बइठका कइलें आ कहलें कि अमेरिका के जल्दिए जबाब मिल

टटका खबर, 26 सितम्बर 2017, मंगल

भारत अउर अमरीका के रक्षा मंत्रियन के भेंट अउर बातचीत का बाद जारी बयान में कहल गइल बा कि कतहिंयो आतंकवाद के सुरक्षित शरणस्‍थली रहे बने के बर्दाश्‍त ना कइल जा सके. आजु भारत के रक्षा मंत्री निर्मला सीतारामन आ अमरीका के रक्षा मंत्री जेम्‍स मेटिस के नई दिल्‍ली में भेंट अउर बातचीत भइल. मॉरिशस

बिहार आ यूपी में बाढ़ के कहर से अबले 623 लोग के मौत

बिहार के समस्तीपुर, मुजफ्फरपुर आ दरभेगा समेत अउरी इलाकन में आइल बाढ़ से अबहीं ले नाहियो त 514 लोग के जान जा चुकल बा. लाखो लोग एह आफत से बेघरबार हो गइल बा. यूपी के गोरखपुर, लखीमपुर खीरी, बलिया, आजमगढ़, कुशीनगर, महाराजगंज आ सिद्धार्थनगर में आइल बाढ़ से अबहीं ले 109 लोग के जान जा

मुगलसराय अब दीनदयाल

यूपी के चंदौली जिला में स्थित मुगलसराय टीसन के नाम जनसंघ के अध्यक्ष रहल स्व. दीनदयाल उपाध्याय का नाम प राखे के प्रस्ताव के केन्द्र सरकार मंजूरी दे दिहलसि. हालांकि ‘मुगल’ सराय में रहे वाला विपक्ष एकरा विरोध में बा. मोतिहारी में एगो समारोह में राज्य के परयटन मंत्री प्रमोद कुमार कहलन कि बिहार के

टटका खबर, 8 जून 2017, बियफे

बँवारा राजनीतिक गोलन के छात्र ईकाईयन का तरफ से आजु बियफे के बिहार बन्द करे के गोहोर लगावल गइल रहुवे. बाकिर एह गोहार के कवनो खास असर देखे के ना मिलल. आरा टीसन प कुछ लुहेड़ा लईका संघमित्रा एक्सप्रेस के कुछ देर ले रोक रखले. राजद मुखिया पुलिस के सलाह दिहले रहलन कि विरोध करेवालन

टटका खबर, सोमार, 5 जून 2017

भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन – इसरो – आजु अंतरिक्ष के क्षेत्र में एगो बड़हन उपलब्धि हासिल करत आपन आजु तकले के सबले भारी आ शक्तिशाली रॉकेट जीएसएलवी मार्क-3 से भारतीय संचार उपग्रह जीसैट-19 के सफल प्रक्षेपण आंध्र प्रदेश के श्रीहरिकोटा से कइलसि. एकरा पहिले भारी उपग्रहन के छोड़े खातिर विदेश के सहायता लेबे के पड़त

टटका खबर, अतवार, 4 जून 2017

भारत के बी साई प्रणीत आपन पहिला गेम हारला का बादो हिम्मत ना हरलन आ बाद में इंडोनेशिया के जोनाथन क्रिस्टी के 17-21, 21-18, 21-19 से हरावत थाईलैंड ओपन बैडमिंटन टूर्नामेंट के खिताब जीत लिहलन. एह सफलता ला पीएम मोदी उनुका के बधाई भेजले बाड़न. पइसा कमाए ला इज्जति नीलाम क देबे वाला बीसीसीआई के

दिल्ली से आआपा के विदाई के तइयारी आ 26 अप्रैल 2017, बुध के अउरीओ खबर

साल 2015 में दिल्ली विधानसभा के चुनाव बहुते बड़हन मार्जिन से जीतला का बाद अरविन्द केजरीवाल के गलतफहमी हो गइल कि अब देश में उनुका जोड़ के कवनो दोसर नेता नइखे आ लगलन एह राज्य से कूद के ओह राज्य ले आपन गोड़ जमावे के कोशिश करे. हर जगह से हारत गइला का बादो एह

टटका खबर, 24 अप्रैल 2017, सोमार

सुप्रीम कोर्ट का आदेश बा कि यूपी मे हर साल 33 हजार पुलिसवालन के बहाली क के चार साल में सगरी खाली जगहाभर दीहल जाव, राज्यपाल राम नाईक के आदेश से इलाहाबाद विश्वविद्यालय के भौतिक विज्ञान विभाग के प्रो0 राजा राम यादव के वीर बहादुर सिंह पूर्वाचंल विश्वविद्यालय जौनपुर के कुलपति नियुक्त कइल गइल बा.

Older Posts›› ‹‹Newer Posts