web analytics

माइनर का आखिर ले पानी नइखे चहुँपत

रोहतास जिला के शिवसागर प्रखंड के बसंतपुर माइनर में आखिरी छोर ले पानी ना चहुँपला का चलते ओह इलाका में पटवन के समस्या खड़ा हो गइल बा. नहर में बीचे में दोसरा गाँव के लोग बाधा खड़ा क के पानी ले लेत बा. एह चलते मोहनियां, टाड़ी आ पिताम्बरपुर के लोग का बीच तनाव बन … Read more

 58 total views

विदेशी मुद्रा संगे आदमी गिरफ्तार

सिवान 03 नवम्बर (वार्ता) सिवान जिला के बसंतपुर थाना के मदारपुर बाजार में एगो दुकान पर विदेशी मुद्रा बदलावे आइल एगो आदमी के पुलिस संदेह का चलते गिरफ्तार क लिहलसि. पुलिस बतवलसि कि मदारपुर बाजार में वेस्टर्न मनी यूनियन के कारोबार करे वाला का दुकान पर कुवैत के मुद्रा दिनार बदलवावे आइल धीरज कुमार के … Read more

 46 total views,  5 views today

इंटर के छात्र के पीट.पीट के मुआ दीहल गइल

सिवान 26 अक्तूबर (वार्ता) सिवान जिला के बसंतपुर इलाका में इंटर के एगो छात्र के पीट.पीट के हत्या क दीहल गइल. पुलिस सूत्र बतवले कि लकड़ीपरौली साह टोला के बाइस साल के रोहित कुमार मिश्र के काल्हु रात कुछ लोग घर से बोला के ले गइल आ ओकरा के पीट पीट के मुआ दीहल. जब … Read more

 45 total views

जमीन का झगड़ा में दू लोग के हत्या

सिवान जिला के बसंतपुर इलाका के कोरड़ गांव मे काल्हु देर रात भइल जमीन के झगड़ा में दू लोग के मौत हो गइल. पुलिस बतावत बिया कि कोरड़ के गौतम प्रसाद आ जगन्नाथ महतो के बीच जमीन ले के झगड़ा पहिलही से चलत आवत रहे. रात एही बात पर फेर गरमा गरमी का बाद मारपीट … Read more

 59 total views,  5 views today

बलिया के बसंतपुर में शराब चुआवे के धंधा

शनिचर का दिने आबकारी पुलिस सुखपुरा इलाका के बसंतपुर गांव में छापा मार के दू हजार लीटर अधबनल कच्चा शराब आ सौ लीटर बनल कच्चा शराब पकड़लसि. बाकिर कवनो आदमी ना पकड़ा पाइल. शराब के ओहिजे गिरा दिहल गइल आ शराब चुआवे वाली पन्द्रह गो भट्ठियन के धँसा दिहल गइल.  43 total views

 43 total views

सिवान का बसंतपुर में घवाहिल आदमी के मौत

अतवार का दिने सिवान जिला के बसंतपुर में स्टेट हाइवे 73 पर लहेजी मध्य विद्यालय के नियरा एगो ट्रक एगो साइकिल वाला के धक्का मार दिहलसि जवना से साइकिल सवार बुरी तरह घवाहिल हो गइल. ओकरा के इलाज खातिर सिवान जिला अस्पताल भेजल गइल रहुवे जहाँ इलाज का दौरान ओकर मौत हो गइल. आदमी के … Read more

 63 total views,  5 views today