Go to ...
RSS Feed

बसपा

आजम खाँ के इस्तीफा : 2017 के तइयारी आ कि अफवाह

आजु मंगल का दिने यूपी के कद्दावर नेता आ मंत्री आजम खाँ के इस्तीफा के खबर जोर पकड़ लिहलसि. बतावल जात बा कि मुलायम सिंह से बहस कइला का बाद आजम खाँ इस्तीफा दे दिहलन. एह खबर के ना त सकारल जात बा ना ही नकारल. बतावल जात बा कि आजम खाँ चाहत बाड़न कि

मायावती के जन्मदिन से बसपा के चुनाव अभियान शुरू होखी

लखनऊ 17 दिसम्बर (वार्ता) बसपा आपन चुनाव अभियान अपना सुप्रीमो पार्टी अध्यक्ष मायावती के जनमदिन 15 जनवरी का दिने लखनऊ में एगो बड़हनरैली क के करी. एह बाबत काल्हु का बइठका में लीहल गइल. एह महारैली में राज्य के सगरी 403 विधानसभा इलाका के लोग शामिल होखी. हर विधानसभा इलाका से कम से कम पाँच

बसपा अउर आ आपा के अनेके लोग भाजपा मे शामिल

पटना 15 दिसम्बर (वार्ता) बिहार मे बसपा आ आ आपा के अनेके बड़ नेता आजु भाजपा में शामिल हो गइले. एह लोगन में बसपा के प्रदेश महासचिव हरेन्द्र कुमार पटेल, प्रदेश कोषाध्यक्ष रामजी प्रसाद राय, आ आपा के प्रदेश संयोजक अरविंद सिंह, ऋचा वत्स, प्रीति सिंह वगैरह शामिल बाड़े.

बसपा विधायक के अब अपना जान के खतरा बुझात बा

मऊ 14 दिसम्बर (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन विधान सभा से बसपा विधायक उमेश पांडेय प्रदेश सरकार, भारत सरकार आ मुख्य न्यायाधीश के चिट्ठी भेज के अपना जान माल के सुरक्षा ला गोहार लगवले बाड़न. उनकर आरोप बा कि उनका बड भाई अखिलेश पांडेय के हत्यारन से अपनो जान के खतरा बा. उ हत्यारा अबहीं

सपा आ भाजपा आपस मे मिलल बाड़े, कहली मायावती

लखनऊ 09 नवम्बर (वार्ता) बसपा अध्यक्ष आ उत्तर प्रदेश के पहिले मुख्यमंत्री रहल मायावती आरोप लगवली कि समाजवादी पार्टी आ भारतीय जनता पार्टी अपना में मिलल बाड़े आ दुनु फिरकावाराना जहर फैलावत वोट के ध्रुवीकरण करावे मे लागल बाड़े. कहली कि भाजपा मे लाल कृष्ण आडवाणी, नरेन्द्र मोदी आ राजनाथ सिंह मे मतभेद बा एह

मध्यप्रदेश ला बसपा अपना अउरी 47 प्रत्याशियन के सूची जारी कइलसि.

भोपाल 02 नवंबर (वार्ता) मध्यप्रदेश विधानसभा चुनाव खातिर बसपा अपना अउरी 47 गो प्रत्याशियन के सूची जारी कइलसि. अबले कुल 200 प्रत्याशियन के सूची जारी हो चुकल बा बसपा का ओर से.

बसपा के पूर्व मंत्री अशोक कुमार दोहरे भाजपा मे अइले

उत्तर प्रदेश के काबीना मंत्री रहल आ बसपा के नेता अशोक कुमार दोहरे काल्हु अपना सैकड़न समर्थकन साथे भाजपा मे शामिल हो गइले. ई लोग भाजपा के प्रदेश कार्यालय मे प्रदेश उपाध्यक्ष शिव प्रताप शुक्ला का सोझा पार्टी के सदस्य बनल. एह मौका पर दोहरे कहलन कि भाजपे अकेला राष्ट्रवादी पार्टी बिया जे समाज के

सु्प्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि मायावती पर फेर से मुकदमा खोले के याचिका

उत्तर प्रदेश की पूर्व मुख्यमंत्री आ बसपा सुप्रीमो मायावती का खिलाफ आमदनी से अधिका के संपति होखे के मुकदमा फेर से खोलवावे के याचिका सु्प्रीम कोर्ट में खारिज हो गइल. एह फैसला का बाद मायावती के बहुते राहत मिलल होखी बाकिर अब कांग्रेस खातिर समस्या पैदा हो सकेला काहे कि अब मायावती के अंकुसा लगावे

संघ, विहिप आ बजरंग दल पर प्रतिबंध लगावे के माँग कइली मायावती

बसपा के जातीय सम्मेलनन के सही ठहरावत मायावती अतवार का दिने कहली को कोर्ट के लगावल रोक का बाद अब बसपा सर्वसमाज भाईचारा का नाम पर सम्मेलन कइल करी. कहली कि जाति सम्मेलन रोके से अधिका जरूरी विहिप, संघ, आ बजरंग दल जइसन संगठनन के रैली पर रोक लगावल बा जे धरम का नाम पर

प्रधानमंत्री बने के दावा कइली मायावती

‘तिलक तराजू और तलवार इनको मारो जूते चार’ के नारा लगावे वाली बसपा के मुखिया मायावती काल्हु ब्राह्मणन के बसपा से जोड़े खातिर लखनऊ में एगो ब्राह्मण सम्मेलन कइली जवना में लगभग तीसेक हजार लोग जुटल. मंच पर सतीश मिश्रा खास रुप से दमकत रहलें. प्रधानमंत्री बने के आपन सोच जतावत मायावती कहली कि अगर

दलित स्मारक घोटाला में नसीमुद्दीन आ बाबूसिंह पर लोकायुक्त के फाँस

चौदह अरब से अधिका, १४,१०,५०, ६३,२०० रुपिया, के दलित स्मारक घोटाला के शिकायत के जाँच कइला का बाद यूपी के लोकायुक्त मेहरोत्रा मायावती के बेदाग बता दिहले बाकिर उनुका दू गो मंत्रियन के दोषी बतावत एह लोग से वसूली के सलाह दिहले बाड़न. घोटाला के साठ फीसदी हिस्सा एह दुनु मंत्रियन से वसूले के सिफारिश

बसपा में सतीश मिश्रा के भाव बढ़े के संकेत

मायावती तीन साल पहिले जब एगो सभा में कहले रहली कि सतीश मिश्रा का जिम्मे बस पार्टी के अदालती काम देखे के रही आ राजनीतिक मसला में उनकर कवनो भूमिका ना रही त लोग एकरा के एह बात के सकेत समुझल कि पार्टी में सतीश मिश्रा के हैसियत कम हो गइल बा. बाकिर समय बीतला

गुंडा कहला से अफनाइल शिवपाल कहलन कि हमनियो का गुंडी कहे लागब जा

मायावती के बयान पर खिसियाइल शिवपाल सिंह यादव कहले बाड़न कि अगर मायावती सपा कार्यकर्तन के बेर बेर गुंडा कहीहें त हमनियो का उनुका के गुंडी कहल शुरू कर देब जा. कहलन कि अगर सपा सरकार बदला लेबे के भाव से काम करत रहीत त अबले मायावती जेल में रहती.

अम्बेदकर पर टिप्पणी से नाराज बसपा विधानसभा में हंगामा कइलस

बजट पर चरचा करत राज्यमंत्री राजेन्द्र सिंह राणा बसपा पर आरोप लगा दिहलन कि ऊ अंबेडकर के निजीकरण करके उनुकर बाजारीकरण करत बिया, एह बात से नाराज बसपा विधायक हंगामा मचा दिहलन.

लखनऊ के अम्बेदकर पार्क के नाम बदले का विरोध में बसपा के धरना

मंगल का दिने लखनऊ में बसपा नेता स्वामी प्रसाद मौर्य आ नसीमुद्दीन सिद्दिकी के नेतृत्व में बसपा कार्यकर्ता धरना दिहलें. एह लोग एह बात के खिलाफ धरना दिहल कि लखनऊ के अम्बेदकर हरित पार्क के नाम बदल के जनेश्वर मिश्र पार्क काहे कइल गइल. बसपा के कहना बा कि एहसे सपा के दलित विरोधी मानसिकता

बसपा के राष्ट्रीय महासचिव बनावल गइलें स्वामी प्रसाद मौर्य

यूपी बसपा के अध्यक्ष रहल आ अबही विधानसभा में नेता विपक्ष स्वामी प्रसाद मौर्य के बसपा के राष्ट्रीय महासचिवो बना दिहल गइल बा. कुछ दिन पहिले उनुका के अध्यक्ष पद से हटा के रामअचल राजभर के अध्यक्ष बना दिहले रहुवे बसपा.

‹‹Newer Posts