बस्ती
मशहूर अभिनेता आ तमिल सुपरस्टार रजनीकांत आपन अहजह खतम करत बरीस का आखिरी दिने एलान कइए दिहलन कि ऊ आपन राजनीतीक गोल बनइहें आ तमिलनाडु विधानसभा के सगरी सीट प आपन उमेदवार लड़इहें. उनुका एह एलान का बाद भाजपा में खुसुरपुसुर शुरु हो गइल बा कि उनुका गोल से हाथ मिला के तमिलनाडु में भाजपा
आजु यूपी कैबिननेट का मीटिंग में कई गो फैसला लीहल गइल जवना में सबले खास रहल भूमाफियन का खिलाफ टास्क फोर्स बनावे आ महापुरुषन का नाम प मिले वाली छुट्टयन के रद्द कइल. बइठक के अध्यक्षता यौगी आदित्यनाथ कइलन. बइठक का बाद राज्य के ऊर्जा मंत्री श्रीकांत शर्मा पत्रकारन के बतवलन कि भूमाफियन का खिलाफ
सुप्रीम कोर्ट का आदेश बा कि यूपी मे हर साल 33 हजार पुलिसवालन के बहाली क के चार साल में सगरी खाली जगहाभर दीहल जाव, राज्यपाल राम नाईक के आदेश से इलाहाबाद विश्वविद्यालय के भौतिक विज्ञान विभाग के प्रो0 राजा राम यादव के वीर बहादुर सिंह पूर्वाचंल विश्वविद्यालय जौनपुर के कुलपति नियुक्त कइल गइल बा.
(शनिचर सबेरे 10 बजे के अपडेट) घन कुहा आ खराब मौसम का चलते पूर्वोत्तर रेलवे के गाडी संख्या 15204 लखनऊ जं.-बरौनी एक्सप्रेस 24 फरवरी आ 3 मार्च के, अउर गाडी संख्या 15205 लखनऊ जं.-जबलपुर एक्सप्रेस 22 फरवरी आ 1 मार्च का दिने ना चलावल जइहें स. सोनभद्र जिला के शक्तिनगर इलाके में पीडब्लूडी मोड़ का
जम्मू कश्मीर में आजु भोरे कुलगाम जिला में सुरक्षाबल आ लश्कर-ए-तैयबा के आतंकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादी मारल गइलें. सेना के दू गो जवानो शहीद हो गइलें. गोलीबारी में तीन गो अफरो सैनिक घाहिलो बाड़ें. बस्ती जिला के कोतवाली इलाका से गैरकानूनी असलहा बनावे वाले अड्डा के भंडाफोड़ करत पुलिस बावरिया
(परोसे के रहली टटका बाकि समय ना मिलला का चलते बासी हो गइल बा सोमार के खबर. बाकि अरुआइल नइखे. पढ़ि के देखीं. वइसहूं भोजपुरियन के फुरसत कहाँ बा भोजपुरी साइत प आवे के. तबो पकावल परोसत रहीलें कि आजु ना त काल्हु अइबे करी सभे.) बिहार के मुख्यमंत्री आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष नीतीश
उत्तर प्रदेश पर्यटन विभाग बस्ती में महान स्वतंत्रता संग्राम सेनानी महाराजा जालिम सिंह के किला अमौढा अउर बारहभिटिया समय माता मंदिर वगैरह जगहन के विकास आ सौन्दर्यीकरण प 70 लाख रुपिया से अधिका के खरचा करे के योजना बनवले बावे. पटना के पाटलिपुत्रा स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में चलत 81वीं राष्ट्रीय सीनियर बैडमिंटन चैंपियनशिप के पुरुष एकल
बिहार में फेरु भइल शिक्षा घोटाला. पर साल बिहार के बदनाम बोर्ड घोटाला का तरहे एगो नया घोटाला शिक्षा का क्षेत्र में भइल सामने आइल बा. बिहार विश्वविद्यालय में भइल एहू घोटाला के केन्द्र में वइसने रसूख वाला मौदूद बा जवना चलते ओकरा प केहू हाथ डाले के हिम्मत नइखे करत. ललन सिंह के नाम
देश के पहिलका फुल एसी ट्रेन आजु गोरखपुर से दिल्ली आनंदविहार खाति रवाना हो गइल. 12595 अप/12596 डाउन एह ट्रेन के दिल्ली में बइठल रेल मंत्री सुरेश प्रभु सिग्नल दे के रवाना करवलन. गोरखपुर से आनन्दविहार का बीच चले वाली ट्रेन के रुट गोरखपुर-बस्ती-गोंडा-लखनऊ-कानपुर-आनन्द विहार से गुजरी. 12571अप/12572डाउन ट्रेन के रूट गोरखपुर-बढऩी-गोंडा-लखनऊ-कानुपर-आनन्द विहार. बस्ती हो
बस्ती जिला के वाल्टरगंज इलाका के खरखरा गांव का नियरा एगो गाड़ी के धक्का से दुपहिया सवार दू जने के ठाँवे पर मौत हो गइल बलिया के भीमपुरा इलाका के अहिरौली गाँव का लगे ट्रक से गिट्टी उतारत घरी भहरात गिट्टी संगे गिरे से बाँचे खातिर एगो मजदूर हड़बड़ी में उपर से जात बिजली के
केंद्र सरकार पूर्वांचल समेत यूपी के दस जिलन में पीए के शुद्ध पानी के इंतजाम करावे ला 1583 करोड़ खरच करे के मंजूरी दे दिहलसि. एह में से 87 फीसदी केन्द्र सरकार दी जबकि 13 फीसदी खरच राज्य के करे पड़ी. इलाहाबाद, सोनभद्र, गाजीपुर, बलिया, कुशीनगर, देवरिया, गोरखपुर, बस्ती अउर बहराइच में होखे जात एह
रोहतास जिला के नौहट्टा इलाका के सलसा गाँव से चार गो नक्सली उग्रवादियन के असलहा साथे काल्हु शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि पुलिस. सारण जिला में साढ़े सात सौ अभ्यर्थियन के टीईटी प्रमाण पत्र फर्जी मिलल बा. एह लोग का खिलाफ कार्रवाई करे के प्रक्रिया चालू हो गइल बा. पूर्वी चंपारण जिला के छतौनी
बस्ती 13 जनवरी (वार्ता) पुलिस आजु लूट आ चोरी के माल संगे तीन गो अपराधियन के गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. इ चोर पिछला दिन अमहट घाट पुल का लगे एगो औरत बीना सिंह से उनुकर एटीएम कार्ड, नगदी, आ दू गो मोबाइल लूट लिहले रहुवन. एही मामिला में बदमाश रिंकू सिंह आ रविशंकर
बस्ती 07 जनवरी (वार्ता) छावनी इलाका में जमौलिया गाँव का लगे एगो मोटरसाइकिल बेकाबू हो के डिवाईडर से टकरा गइल. एह हादसा में ओह प सवार डारीडिहा के चौबीस साल के रितेश आ बाइस साल के चन्द्रशेखर के मौत हो गइल. सोनू नाम के एगो लड़िका घवाहिल हो गइल.
बस्ती 02 नवम्बर (वार्ता) बस्ती जिला के छावनी इलाका में आज दिनदहाडे कुछ बदमाश एगो दम्पति से गजना लूट लिहले. पुलिस बतवलसि कि बीरपुर खरहरा के महेन्द्र कुमार मिश्र अपना पत्नी साथे जात रहले तबहिए छावनी इलाका मे राजकीय कन्या इण्टर कालेज सोनबरसा का नियरा मोटरसाइकिल सवार दु गो बदमाश उनका पत्नी से सोना के
बस्ती 25 अक्टूबर (वार्ता) बस्ती जिला के छावनी इलाका में सिरौलीबाबू गांव में डीसीएम वाहन का चपेट मे आ के सूरज कुमार के मौत हो गइल. एगो दोसरा हादा में नगर थाना के फुटहिया तिराहा का नियरा एगो वाहन का टक्कर से वन संरक्षक कार्यालय में तैनात चौकीदार मोतीलाल के मौत हो गइल.
बस्ती जिला मुख्यालय के कोतवाली इलाका के कटरा चौराहा पर शनिचर का दिने महरी खावा मोहल्ला के निवासी रिंकू आ हनुमान रिक्शे से जात रहले जब एगो ट्रक रिक्शा के टक्कर मार दिहलसि. एह घटना में सोलह साल के रिंकू के मौत ओहिजे हो गइल. हनुमान के गंभीर हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल
बस्ती जिला के परशुरामपुर इलाका के बडौरा गांव मे शौच खातिर खेते गइल एगो चौदह साल के लड़िकी से गांवे के राजू दूबे नाम के एगो आदमी दुराचार कइलसि आ ओकरा बाद फरार हो गइल बा. पुलिस बतावत बिया कि एकर मामिला दर्ज क के लड़िकी के मेडिकल जांच खातिर अस्पताल भेजाइल बा आ आरोपी
बस्ती जिला पुलिस के अपराध शाखा आ पुरानी बस्ती थाना पुलिस मिल के सोमार का दिने एगो संयुक्त अभियान में दू गो वाहन चोरन के पाँच गो मोटर साइकिल समेत पकड़ लिहले. गिरफ्तार चोरन के नाम अरशदुल्ला आ वसीम अहमद बतावल गइल बा. एगो अउर चोर हासिम भाग निकलल. पुलिस बतावत बिया कि ई चोर
बस्ती जिला में आजु साँझ परशुरामपुर इलाका के सिकन्दरपुर गांव मे ठनका गिरल जवना से काले नाम के बीस बरीस के नवही के मौत हो गइल. रायपुर गाँव में ठनका गिरला से पैंतीस साल के आदमी मतई के मौत होखे के खबर बा. जिला प्रशासन दुनु के परिवार के आर्थिक सहायता दिआवे के प्रयास में
Older Posts››
‹‹Newer Posts