web analytics

7 हजार एएनएम के बहाली

बिहार कर्मचारी चयन आयोग 7 हजार एएनएम के बहाली करे जात बा. एकर विज्ञापन आयोग के साइट प देखल जा सकेला. आवेदन करे के आखिरी तारीख बा 15 मार्च. हर जिला के सिविल सर्जन का अधीन खाली पदन पर ई बहाली होखीहें सँ. आवेदक के कवनो मान्यता मिलल संस्थान से भारतीय नर्सिंग परिषद से तय … Read more

 337 total views

बिहार में 1 हजार मवेशी डाक्टरन के बहाली

बिहार सरकार जल्दिए एक हजार वेटनरी डॉक्टरन के बहाली करे जात बिया. मवेशी डाक्टरन के कमी का चलते राज्य सरकार के पशुपालन से जुड़ल योजनन के पूरा करे में दिक्कत होखत बा. बहाली करे के पहिले के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा.  281 total views

 281 total views

नक्सलियन के मुकाबला खाति 17 गो नया बटालियन

केन्द्र सरकार देश में 17 गो रिजर्व बटालियन बनावे के एलान कइले बिया. कैबिनेट से एह प्रस्ताव के मंजूरीओ मिल गइल बा. एह बटालियनन में कश्मीर के सिवान प के लोग, आ बाकी राज्यन में नक्सली प्रभावित इलाकन के लोग के प्राथमिकता दे के बहाल कइल जाई. 27 जिलन से नवहियन के एह बहाली ला … Read more

 245 total views

बिहार में सात हजार नर्सन के बहाली

बिहार सरकार प्रदेश के सरकारी अस्पतालन खातिर सात हजार नर्सन के बहाली करे वाली बिया. सगरी जिलन से स्वास्थ्य उपकेन्द्र, अतिरिक्त प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र, प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र अउर अनुमंडलीय अस्पतालन में मौजूद रिक्तियन के जानकारी मंगावल गइल बा जेहसे सगरी खाली जगहा भर दीहल जाव. राज्य के सहकारी बैंकनो में नाहियो त पांच हजार कर्मचारियन … Read more

 279 total views,  5 views today

अगिला साल से छोटका नौकरियन ला इंटरव्यू ना होखी

पीएम मोदी काल्हु अतवार का दिने अपना मन का बात में बतवलन कि पहली जनवरी से छोटका बहालियन में इंटरव्यू के सिस्टम खतम क दीहल जाई. केन्द्र सरकार के लागत बा कि इंटरव्यू का चलते बहाली में बदहाली आ बेईमानी के बोलबाला रहेला जबकि एह पदन खातिर इंटरव्यू के जरूरत ना होखे के चाहीं. सीधे … Read more

 235 total views

मजहब का आधार पर पीएसी बहाली संविधान विरोधी : भाजपा

लखनऊ 14 दिसम्बर (वार्ता) पीएसी के महानिदेशक रंजन द्विवेदी के ओह बयान के भाजपा विरोध कइले बिया जवना में उ पीएसी मे अलसंख्यकन के बहाली के बात कहले बाड़न. भाजपा के प्रदेश प्रवक्ता डा. मनोज मिश्र आरोप लगवलन कि सरकार आ ओकर अधिकारी प्रदेश मे अपना फिरकावाराना नजरिया का चलते माहौल बिगाड़त बाड़न. कहलन कि … Read more

 83 total views

बिहार मे कुलपति आ प्रतिकुलपति के बहाली ला आवेदन मँगावल गइल

बिहार के विश्वविद्यालयन मे कुलपति आ प्रति कुलपति पद पर बहाली ला देश भर के श्रेष्ठ शिक्षाविदन से आवेदन मंगावल गइल बा. राजभवन सूत्र बतावत बाड़े कि राज्यपाल सह कुलाधिपति डा. डी.वाई.पाटिल एह बहाली के दू गो परिनियमन के मंजूरी दीहले बाड़े, कुल 11 गो विश्वविद्यालयन के कुलपति आ प्रति कुलपति पद पर बहाली के … Read more

 265 total views

बिहार के विश्वविद्यालयन में शिक्षक बहाली अगिला साल ले पूरा होखी

उच्च शिक्षा उभरते प्रतिमान विषय पर पटना राजभवन में बोलावल देश भर के शिक्षाशास्त्रियन के दू दिन के सम्मेलन में बोलत राज्य के शिक्षा मंत्री पी के शाही कहलन कि राज्य में पिछला अढ़ाई साल में कुछ खास काम ना हो सकल बा उच्च शिक्षा में. मनलन कि राज्य में करिब पचास फीसदी जगहा खाली … Read more

 279 total views

बिहार में दस हजार बहाली संविदा पर होखी

इंदिरा आवास योजना के प्रभावी मानीटरिंग आ बढ़िया इंतजाम करे ला बिहार सरकार संविदा पर 10677 लोग के बहाल करी. ग्रामीण आवास सहायकन आ पर्यवेक्षकन के स्मार्ट फोन आ मोटरसाइकिल दिहल जाई. (वार्ता)  265 total views

 265 total views

उर्जा निगम इंजीनियरन के बहाली खातिर आनलाइन परीक्षा करइहें

उत्तरप्रदेश के उर्जा निगमन में इंजीनियर के साढ़े तीन हजार पद पर बहाली खातिर अब आनलाइन परीक्षा करावे के तइयारी कइल जा रहल बा. एकरा खातिर कवनो प्रतिष्ठित सलाहकार कंपनी के सेवा लिहल जाई. आवेदन खातिर बैंक ड्राफ्त जमा करे के परेशानी से बचावत अभ्यर्थियन के नेट बैंकिग भा डेबिटो कार्ड से भुगतान करे के … Read more

 331 total views

एक लाख सत्तर हजार शिक्षा मित्रन के बहाली

उत्तर प्रदेश सरकार राज्य में करीब एक लाख सत्तर हजार शिक्षामित्रन के सरकारी प्राथमिक विद्यालयन में सहायक शिक्षक के पद पर बहाल करे के फैसला कइले बिया. एह ला बहाली से पहिले ओह लोग के खास ट्रेनिंगो दिआवल जाई. बतावल जात बा कि पहिला चरण में जनवरी १४ से पहिले साठ हजार शिक्षामित्रन के सहायक … Read more

 268 total views,  5 views today

पिछला साल भइल बीपीओ आ क्लर्क बहाली परीक्षा रद्द

महादलित विकास मिशन खातिर प्रखंड परियोजना पदाधिकारी आ क्लर्क सह एकाउन्टेंट बहाली ला अगस्त में भइल परीक्षा में धाधली भइला का चलते ओकरा के रद्द कर दिहल गइल बा. आगे इम्तिहान कब होखी़ भा होखी कि ना एकर फैसला अबहीं नइखे भइल कहल जाता कि अगर दबारा परीक्षा ना भइल त परीक्षा खातिर लिहल शुल्क … Read more

 313 total views

तीन हजार व्याख्याता के बहाली

बिहार के शिक्षा मंत्री पी के शाही कहले बाड़न कि राज्य में खाली पड़ल तीन हजार व्याख्याता के पद पर जल्दिए बहाली करावल जाई. ई बहाली बीपीएससी से करावल जाई.  229 total views,  5 views today

 229 total views,  5 views today

बिहार में हर साल नौ हजार सिपाहियन के बहाली होखी

बिहार सरकार के कैबिनेट में ओह प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहल गइल जवना में कहल बा कि हर साल नौ हजार सिपाही बहाल कइल जाई जेहसे राज्य में पुलिस बल के कमी दूर कइल जा सके.  253 total views

 253 total views

सीमा सुरक्षा बल में बहाली

केन्द्रीय सशस्त्र सीमा सुरक्षा बल, एसएसबी, में दू हजार आठ सौ बत्तीस रिक्ति पर बहाली खातिर आवेदन मँगाइल बा. टेलीकॉम कैडर के आवेदन ३१ जुलाई ले, कांस्टेबुल के आवेदन ९ अगस्त ले, ड्राइवर ला आवेदन अउर पारामेडिकल रिक्तियन खातिर आवेदन ३१ अगस्त ले दिहल जा सकेला. एह सगरी रिक्तियन के जानकारी एसएसबी के वेबसाइट से … Read more

 123 total views

कुल 6388 गो बहाली

यूनियन बैंक आफ इण्डिया में पीओ के बहाली सरकारी बैंक यूनियन बैंक आफ इण्डिया में पीओ प्रोबेशनरी आफिसर के 2473 पद खातिर बहाली होखे वाला बा. तनखाह 14500 – 25700 उमिर सीमा 21 – 30 साल का बीच फीस सामन्य आ अन्य पिछड़ा वर्ग खातिर 300/- जबकि बाकी खातिर 50/- यूनियन बैंक के कवनो शाखा … Read more

 149 total views

आकाशवाणी पटना में अंशकालीन संवाददाता के बहाली

आकाशवाणी पटना के समाचार विभाग में संविदा पर अंशकालीक संवाददाता के नियुक्ति छह गो जिला, कटिहार, सीतामढ़ी, भोजपुर, वैशाली, जहानाबाद आ अररिया, में होखे वाला बा. एकरा खातिर पत्रकारिता में डिग्री भा डिप्लोमा का साथे दू साल के पत्रकारिता के अनुभव चाहीं. उमिर चौबीस से पैंतालिस साल का भीतर होखे आ कैमरा आ कंप्यूटर चलावल … Read more

 122 total views,  2 views today