Go to ...
RSS Feed

बाढ़

गोरखपुर मे राप्ती घटत बिया बाकिर घाघरा के बढ़ जारी

सोमार का दिने गोरखपुर मे राप्ती नदी के पानी घटल शुरू हो गइल बा बाकिर घाघरा के पानी लगातार बढ़ल जात बा. कुछेक जगहा कटानो होखत बा जवना से नदी किनारे बसल लोग आफत मे बा. एह बीच बरखा का चलते आजाद चौक रुस्तमपुर से मिर्जापुर ले जाए वाली बगहा बाबा रोड पर जगहे जगह

नदी के बाढ़ मे घेरा गइल किसानन के घर मकान

बलिया जिला मे उफनाइल घागरा दियरा मे तबाही मचावल शुरू क दिहले बिया आ बाढ़ का पानी मे घेराइल लोग सुरक्षित जगहा चहुँपे का जुगत मे लाग गइल बाड़े. पिछला 24 घशटा मे पानी करीब तीस से॰मी॰ चढ़ गइल बा. संतोष इहे बा कि एह बीच गंगा तनी थिराए लागल बाड़ी.

गंगा आ घाघरा के पानी बढ़ाव पर

बलिया जिला में घाघरा आ गंगा के पानी तेजी से बढ़ल जात बा. बुध का दिने बिल्थरारोड में घाघरा नदी के पानी खतरा का निशान से महज 22 से॰मी॰ नीचे रहि गिल बा. तुर्तीपार-हाहा नाला बंधा ले चहुँपल पानी से सैकड़ो एकड़ जमीन डूब चुकल बा. गंगो नदी के पानी हर घंटा तीन से॰मी॰ के

बरखा होखो चाहे ना नदियन के पानी से खतरा बढ़ल

बलिया गाजीपुर देवरिया वगैरह में नदियन के लगातार बढ़त जलस्तर से किनार पर बसल लोग दहशत में बा. बलिया के मझौंवा में गंगा के पानी हर घंटा एक से.मी. के रफ्तार से बढ़त बा त गंडको नदी पीछे नइखे छूटल चाहत. एह बीच कटानो के खतरा बने लागल बा.