बाढ़
उत्तर प्रदेश के राहत आयुक्त काल्हु बतवलन कि नियन के पानी घटला से बाढ़ के हालात में सुधार आइल बा. हालांकि प्रदेंश मे अबहियों शारदा नदी पलियाकला मे 80 सेमी, बूढी राप्ती नदी ककरही सिद्धार्थनगर मे 115 सेमी., कुआनो नदी गोण्डा मे 140 सेमी. उपर बाड़ी खतरा के निशान से. यमुना नदी मुजफ्फरनगर मे आ
बलिया में नेशनल हाईवे का दक्खिन बसल गावन तक जाए वाली सगरी सड़क टूटफूट गइल बाड़ी सँ जवना से ओह गाँवन के लोगन खातिर आइल गइल मुश्किल हो गइल बा. एह सड़कन मं शिवपुर कपूर दियर के बाबू कुंवर सिंह रोड, आ कोट अँजोरपुर, रामपुर चिट, महिदनवा वगैरह गांवन के रास्ता शामिल बा.
गंगा नदी बलिया छोड़ हर जगहा खतरा का निशान से नीचे बहत बाड़ी बलियो मे पानी लगातार घटत बा. घाघरा आ टोंस नदी बलिया में खतरा का निशान से नीचे बहत बाड़ी सँ. इलाहाबाद, वाराणसी आ बलिया में हालात अबहियों चिन्ता देबे वाला बनल बा.
पिछला कुछ दिन से बरखा में कमी अइला का चलते उत्तर प्रदेश में नदियन के पानी घटे लागल बा. बाढ़ से बारह गो जिला बहुते तबाह भइल बाड़ी स जवना में देवरिया आ बलिया शामिल बा. काल्हुओ गाजीपुर आ बलिया में गंगा खतरा का निशान से उपर बहत रहली. घाघरा बलिया में आ कुआनो नदी
बिहार में बाढ़ का हालात में काल्हु बुधो का दिने कवनो खास सुधार देखे के ना मिलल. मौसम विभाग के कहना बा कि गंगा, बूढ़ी गंडक, सोन, घाघरा, कमला बलान, आ कोसी दर्जनो जगहा पर खतरा के निशान से उपर बहत बाड़ी सँ. आपदा प्रबंधन विभाग के कहना बा कि बीस जिलन के पचपन लाख
बतावल जात बा कि अबकी का बाढ़ में अलग अलग दुर्घटना में उत्तर प्रदेश में नाहियो त २८९ लोग के जान जा चुकल बा. आज नदी में पानी सगरी जगहा से घटे के खबर मिलत बा. वाराणसी में गंगा खतरा के निशान से नीचे आ गइल बाड़ी. बलिया, गाजीपुर आ मिर्जोपुर में नदियन के पानी
लगातार होखत मानसूनी बरखा का चलते उत्तरप्रदेश में बाढ़ के हालात अउरी खराब हो गइल बा. अलग बात बा कि कुछ नदियन में पानी के लेवल नीचे आवत बा. अबहीं आजुओ तेज बरखा के अनेसा जतावल गइल बा. गंगा नदी के बाढ़ से सबसे खराब हालात इलाहाबाद, वाराणसी, मिर्जापुर, गाजीपुर, आ बलिया में बा, अतवार
बिहार के कईएक जगहन पर बाढ़ के हालात खराबे बनल बा. गंगा में पानी बढ़ला का चलते मुंगेर में अउरी इलाकन में बाढ़ के पानी पसर गइल बा. भोजपुर के दौरा कइला का बाद ओहिजा के जिलाधिकारी के कहना बा कि पानी घटला का चलते हालात सुधरल बा. तेरह गो राहत शिविर चलावल जात बा.
भोजपुर जिला में बाढ़ के हालात बिगड़ले जात बा. बियफे का दिने गंगा में पानी खतरा के निशान से बीस सेंटीमीटर उपर चढ़ गइल जवना से नया नया इलाका में बाढ़ के पानी पसरल जात बा. आरा-बक्सर हाईवे पर दू हाथ गहिर पानी बहत बा. शाहपुर प्रखंड में दर्जनो गाँव में बाढ़ के डूबाह पानी
अतवार का दिने सोन बराज के फाटक खोलला का बाद सारण जिला के चौथाई हिस्सा में जल प्लावन हो गइल बा. नेशनल हाईवे 19 पर कहीं कहीं पाँच से छह फुट के डुबाह पानी बहत बा जवन अबहीं ले डे दू फुट गहिर बहत रहुवे. दियारा के कोटवापट्टी रामपुर, रायपुर बिंदगांवा आ बड़हरा महाजी में
पिछला दिने गंगा के पानी बढ़े के रफ्तार कुछ घटल बाकिर पानी के बढ़ल जारी बा. बलिया में गंगा के पानी नेशनल हाइवे पार करे खातिर बेचैन बिया आ अब तब के हाल हो गइल बा. काल्हु साँझ के घाघरो के पानी बढ़ल शुरु हो गइल बा. इलाहाबाद, मिर्जापुर में पानी घटल शुरु हो गइल
पिछला एक महीना का बीच गंगा नदी तिसरका बेर उफना गइल बाड़ी जवना से बक्सर में मल्लह चकिया आ चौसा के गंगा पंप नहरो पर पड़ल बा. एह बाढ़ से ठोरा नदी के किनारे बसल मल्लहचकिया के अलावे करहंसी आ छोटका नुआंव पंचायत के बहुते गाँव बेहाल हो गइल बाड़ी सँ. मझरिया, उमरपुर आ अजुर्नपुर
यूपी के नदियन में घट बढ़ जारी बा. जहाँ पानी घटऽता तहवाँ कटान तेज हो जाता. वाराणसी, गाजीपुर आ बलिया में गंगा नदी के पानी घटान पर बा. घाघरो सगरो घटल जात बाड़ी. सरयू नदी के पानी गोंडा में खतरा का निशान से बीस सेंटीमीटर नीचे आ गइल बा.
गंगा के बढ़त पानी आजु भोजपुर जिला के शहरीओ इलाका में पसरे लागल बा. शाहपुर, कोइलवर, बड़हरा आ आरा प्रखंड में हालात जस के तस बा. बक्सर के दियारा में आ गंगा, कर्मनासा, धर्मावती आ ठोरा नदियन का किनारे का इलाकन में हालात बिगड़ल जात बा. चौसा मोहिनिया रोड पर फेर पानी चढ़ गइला का
पिछला दिन का बरखा का बाद नदियन में बढ़ल पानी का चलते बलिया में घाघरा नदी खतरा का निशान से उपर ले बहे लागल बिया आ पानी अबहीं बढ़ले जात बा. टोंस आ गंगा नदियो के पानी खतरा के निशान पार कर लिहले बिया. गाजीपुर, गोण्डा, संतकबीर नगर जिलो से बाढ़ के खबर बा.
बलिया जिला में हर जगहा नदी के पानी घटे लागल बा. शनिचर का दिने घाघरा थिराइल रहुवे आ गंगा के रुख घटान पर रहल. एकरा बावजूद पानी अबहियों बड़का इलाका में पसरल बा बाढ़ पीड़ितन के संकट घटे के नाम नइखे लेत.
सारण जिला के छपरा सदर आ रिविलगंज प्रखंड के अनेके पंचायत बाढ़ से हलकान बाड़ी सँ. छपरा सदर में बाढ़ में फँसल छह सौ लोग के प्रशासन सुरक्षित जगहा चहुँपा दिहलेब बिया. रिविलगंज, छपरा सदर, मांझी, दिघवारा आ सोनपुर प्रखंड में बाढ़ के कहर सबले अधिका बा. अतवार का सँझिया में छपरा पटना मुख्य सड़क
बलिया में बाढ़ के कहर जारी बा. गंगा खतरा का निशान से अढ़ाई मीटर उपर बहत बाड़ी. दोकटी इलाका में जगदीशपुर आ नरदरा गाँव के दू दर्जन से अधिका अउरियो घर गंगा का कटान में नदी में गिर गइली सँ. गाजीपुर में गंगा के पानी कम होत लउकल बाकिर बाढ़ आ कटान पहिलही का तरह
बलिया में पिछला एक हफ्ता से लाल निशान का उपर बहत गंगा अब हाई डेंजर लेवल छूए वाली बा. पानी के बढ़ल लगातार जारी बा. पिछला दिने शहर के प्रेमचक उमरगंज इलाका बाढ़ का चपेटा में पड़ गइल बा. हालात काबू करे ला रामपुर महावल में कटहर नाला पर लागल फाटक बंद कर दिहल गइल
सोन नदी से लाखो क्यूसेक पानी छोड़ला का चलते सारण जिला के नदी सब उफना गइल बाड़ी स. गंगा आ गंडक के पानी जिला के कईएक प्रखंडन में घुसला का बाद अब छपरा शहर के निचलको इलाका में पसरे लागल बा. तेलपा आ करीम चक के अनेके घर में बाढ़ के पानी घुस गइल बा
Older Posts››