Go to ...
RSS Feed

बिजली दर

टटका खबर, 25 मार्च 2017, शनिचर

मुख्यमंत्री बनला का बाद आजु योगी आदित्यनाथ पहिला बेर गोरखपुर के यात्रा पर आइल बानी. पूरा गोरखपुर उनुका स्वागत में लागल बा. योगी अदित्यनाथ आजु गोरखनाथ मंदिर में रात्रि विश्राम करब आ काल्हु मंदिरे में होखे जा रहल यागीराज गंभीरनाथ के शताब्दी पुण्यतिथि समारोह में शामिल होखब. आ साँझ बेरा लखनऊ लवटि जाएब. 30 सितम्बर

यूपी में लागू हो गइल बिजली के बढ़ल दर

आजु से यूपी में बिजली के दाम बढ़ा दिहल गइल बा. बिजली खातिर बनल नयका प्रावधान का चलते राज्यसरकार मजबूरी में ई फैसला लिहले बिया. शहरी इलाका में दाम छब्बीद फीसदी ले त गँवई इलाकन में दस फीसदी ले बढ़ावल गइल बा. राज्य में हर राजनीतिक गोल सरकार के एह फैसला के विरोध कइलसि बाकिर