web analytics

तुर्तीपार रेल पुल से गिर के घाघरा में डूबल

बुध का रात बलिया जिला के उभांव इलाका में तुर्तीपार रेल पुल से नदी पार करत देवरिया के बलिया गाँव के एगो पन्द्रह बरीस के लड़िक नीचे घाघरा नदी में गिर गइल. गोताखोरन का कोशिश का बादो ओकर लाश ना मिलल रहुवे. लड़िका छठ का दिने बिल्थरा रोड घूमे आइल रहुवे.  170 total views,  5 views today

 170 total views,  5 views today

बिल्थरा रोड विधायक गोरख पासवान घवाहिल

बलिया जिला के बिल्थरा रोड के विधायक गोरख पासवान, उनकर गनर आ दू जने अउर लखनऊ से बलिया आवत घरी बाराबंकी का लगे सड़क हादसा में घवाहिल हो गइल लोग. लखनऊ से कार से बलिया खातिर चलल गोरख पासवान के गाड़ी बाराबंकी का लगे एगो मोटर साइकिल वाला के बचावे का फेर में सड़क किनारे … Read more

 212 total views

बलिया बिल्थरारोड में भक्ति जागरण समारोह

बलिया के बांसडीह में चौधरी चरण सिंह तिराहा से सटले सोनाडीह मोड़ का लगे भइल भक्ति जागरण समारोह में बिल्थरावासी रात भर भक्ति गीतन पर झुमलें. गायिका सोनी सिन्हा आ गायक किरण कुमार के गावल बोजपुरी भक्ति गीतन के तान पर समारोह में मौजूद नवही झुम के नचलें. गायिका रीतू राय, गायक किरण महिपाल, त्रिकाल … Read more

 176 total views,  10 views today

घाघरा के पानी मनियर आ सिकन्दरपुर में पसरल जारी

घाघरा नदी के पानी में बढ़ाव त सोमार का दिने थथम गइल बाकिर मनियर आ सिकन्दरपुर के मैदानी इलाकन में पानी के पसरल अबहियो जारी बा. लेतरहा समेत अनेके गाँव बाढ़ का पानी में घेराइल बा. बिल्थरा रोड के गुलौरा गाँव कटान का जद में आ गइल बा आ टीएस बंधा पर पानी के दबाव … Read more

 206 total views