बिहार के खबर
(शुक, 30 दिसंबर) अपना सेवा यात्रा का क्रम में औरंगाबाद चहुँपल नीतीश कुमार कहलन कि सरकार कई बरीस से लटकल उत्तर कोयल परियोजना फेर से बनावे आ शुरु करे के भरपूर कोशिश करी. कई बरीस से लटकल दुर्गावती जलाशय परियोजना के अब केन्द्रीय वन आ पर्यावरण मंत्रालय से अनापत्ति प्रमाण पत्र मिल गइल बा. लोकसभा
(बुध, 28 दिसंबर) सुशील मोदी किसानन से कहले बाड़न कि अपना धान के बढ़िया से सुखा के तब बेचे खातिर ले आवे लोग. ओद धान जवना में नमी सत्रह फीसदी से बेसी होखे पैक्स नइखन खरीदत. एक क्विंटल धान में जवन अड़सठ किलो चाउर निकलेला तवने के दाम दिहल जा ता. डा॰ राजेन्द्र प्रसाद के
(मंगल, 27 दिसंबर) आंगनबाड़ी केन्द्रन पर गड़बड़ी के शिकायत का बाद सरकार फैसला लिहलसि कि अब रुपिया का बदले अनाजे दिहल जाई.एह बीच थावे गोपालगंज के सीडीपीओ रितु गुप्ता आ सुपौल राघोपुर के सीडीपीओ इंदु कुमारी के निलंबित कर दिहल गइल बा. विधान परिषद के पहिला बइठक पटना कॉलेज में साल उनइस सौ तेरह में
(सोमार, 26 दिसंबर) कैमूर जिला के चांद थाना इलाका में जंगल से भटक के बसगित में आइल एगो तेंदुआ के हमला से एगो औरत समेत तीन गो लोग घवाहिल हो गइल. समस्तीपुर जिला के ताजपुर थाना क्षेत्र में एगो औरत अपना दू गो मासूम बचवन समेत जान दे दिहलसि. राजगीर में चलत जदयू के विधानमंडल
(अतवार, 25 दिसंबर) राजगीर में जदयू के विधायक आ मंत्रियन के बइठक में नीतीश कुमार कहलन कि अपना अपना इलाका के विकास के काम सब लोग समय सीमा का भीतर करवा लेव. दू दिन से निकलत धूप का चलते कड़ाके के ठंड से मिलल राहत के मद्देनजर अगिला दू जनवरी से स्कूलन में कक्षा एक
(शनिचर, 24 दिसंबर) शनिचर का दिने नीतीश कुमार रोहतास का विक्रम में तीन सौ करोड़ रुपिया के कई गो योजना के उद्घाटन आ शिलान्यास का बाद जनसभा के संबोधित करत कहलन कि बिहार भठियरपन का खिलाफ लड़ाई में देश में सबले आगा चलत बा. नीतीश सरकार के “जनविरोधी” काम का खिलाफ लालू के राजद का
(शुक, 23 दिसंबर) कवनो कारण से पढ़ाई ना कर सकल भा पूरा ना कर सकल लोग खातिर बिहार सरकार एगो नया बोर्ड बनवले बिया “बिहार मुक्त विद्यालीय शिक्षण और परीक्षा बोर्ड” जवना में मुक्त आ दुरस्थ प्रणाली से शिक्षण आ परीक्षा करावल जाई. एह बोर्ड में प्राथमिक शिक्षक प्रशिक्षण, माध्यमिक, उच्चतर माध्यमिक आ स्नातक डिग्री
(बियफे, 22 दिसंबर) अपना रोहतास दौरा में नीतीश कुमार बतवलें कि राज्य सरकार दुर्गावती जलाशय परियोजना का बारे में सगरी शर्त पूरा कर के केन्द्र सरकार का लगे भेज दिहल बा. अब ओहिजा से अनापत्ति प्रमाणपत्र मिलते काम शुरू कर दिहल जाई. सुगौली चीनी मिल में बिजली बनल शुरू हो गइल बा. ओहिजा बीस मेगावाट
(बुध, 21 दिसंबर) पटना के फतुहा इलाका में बुध का दिने एगो एटीएम से लगभग सात लाख रुपिया चोरा के चोर फरार हो गइले. राज्य के बानबे हजार आंगनबाड़ी केन्द्र पर आवे वाला करीब सताईस लाख बचवन खातिर राज्य सरकार पोशाक मुहैया करावे पर एकानबे करोड़ रुपिया खरच करी. पहिला बेर एह केन्द्र पर आवे
(मंगल, 20 दिसंबर) शिक्षक पात्रता परीक्षा आजु आ काल्हु दू दिन दू पाली में करावल जाई. एह खातिर एक हजार तीन सौ अस्सी परीक्षा केन्द्र बनावल गइल बा जहवाँ से उनतीस लाख से बेसी परीक्षार्थी परीक्षा में शामिल होखीहें. आजु परीक्षा का पहिला दिने कई जगहा से उत्पात के खबर आइल बा. राज्य में जाति
(अतवार, 18 दिसंबर) कड़ाका का जाड़ा का चलते राज्य के सगरी स्कूलन के अगिला आदेश ले बंद राखे के कहलसि सरकार. स्कूल खोले के फैसला जाड़ा के प्रकोप देख के कइल जाई. जाड़ा का चलते राज्य में अलग अलग जगहा मिला के अबही ले करीब बीसेक लोग मर चुकल बा. पूर्वी चंपारण के झरोखर थाना
(शनिचर, 17 दिसंबर) नक्सलियन के प्रभाव वाला जमुई जिला के चरका पत्थर इलाका में एगो सरकार विद्यालय के मकान के जेसीबी लगा के आ विस्फोट करा के उड़ा दिहल गइल. नक्सली तनिको ना चाहसु कि गरीब मजलूम आदिवासियन के पढ़े लिखे के सुविधा मिले एहसे ओकनी के पहिला निशाना पर स्कूल कॉलेज आ कवनो विकास
(शुक, 16 दिसंबर) कड़ाका के सर्दी पड़ला का चलते लोग के रुटीन खराब हो गइल बा. शनिचर से नर्सरी से लिहले यूकेजी तकले के स्कूलन के बंद करे के आदेश दे दिहल गइल बा. आजु एह मौसम के सबले ठण्डा दिन बा. पूर्वी चम्पारण के पताही इलाका से पुलिस दू गो मेहरारूवन समेत छह आदमी
(बियफे, 15 दिसंबर) बिहार में पहिला बेर प्रवासी निवासियन के सर्वेक्षण मार्च में शुरु करावल जाई जवना में ओह लोग के सर्वेक्षन होई जे पढ़ाई भा रोजगार खातिर बिहार में रहत बा. पाला पड़ला का चलते बिहार में स्कूलन के समय बदल दिहल गइल बा आ सबेरे आठ बजे से चार बजे का बीच स्कूल
(सोमार, 12 दिसम्बर) बिहार से राज्य सभा के एगो सीट खातिर होखे वाला उपचुनाव में अकेले साबिर अली आपन परचा दाखिल कइले बाड़न आ परचा के जाँच का बाद उनुकर चुनाइल तय बा. साबिर अली जदयू के उम्मीदवार बाड़ें. एकरा पहिले ऊ लोजपा में रहलें आ पार्टी छोड़ के जदयू में शामिल भइल रहले. उनुके
(अतवार, 11 दिसम्बर) बिहार में गन्ना के दाम में हर क्विंटल पर बीस रुपिया के बढ़ोतरी मिल मालिकन से बतिया के सरकार कर दिहलसि. गन्ना मंत्री अवधेश कुशवाहा कहले बाड़न कि बंद चीनी मिलन के चालू करावे के भरसक कोशिश कइल जा रहल बा. समूचा राज्य में जाड़ा आ कुहासा से जनजीवन अस्तव्यस्त होखे लागल
(शनिचर, 10 दिसम्बर) आरा सदर अस्पताल के तीन गो नर्सन के शनिचर का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल जब स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी चौबे का दौरा घरी कुछ परिजन ओह लोग का खिलाफ घूस लेबे के शिकायत कइलें. अस्पताल के चिकित्सिका मधुबाला सिन्हा आ दू गो अउरियो नर्सन के निलंबित कर दिहल गइल. सिवान के हुसैनगंज
(बियफे, 8 दिसंबर) सोनपुर मेला के काल्हु विधिवत समापन कर दिहल गइल. एह समारोह में भूमि सुधार मंत्री रमई राम आ श्रम संसाधन मंत्री जनार्दन सिहं सिग्रीवाल मौजूद रहलन. पूर्वी चंपारण के मोतिहारी में पुलिस पताही के दू गो नक्सलियन के गिरफ्तार कइलसि. सचिवालय सहायक समेत अनेक पद खातिर पीटी परीक्षा अठारह दिसम्बर के करावल
(बुध, 7 दिसंबर) बिहार लोकायुक्त विधेयक विधानसभा में पारित हो गइल. राज्यपाल से अनुमति मिलला का बाद ई कानून बन जाई. किशनंगज जिला के कोचाधामन इलाका में एगो बैंक से मंगल का देर रात 20 लाख रुपिया से बेसी के चोरी हो गइल.
(सोमार, 5 दिसंबर) खगड़िया जिला के चौथम थाना इलाका में माली ग्राम पंचायत से उपचुनाव करा के लवटत एगो सहायक पुलिस निरीक्षक के उनुके पिस्तौल छीन के गोली मार दिहल गइल. औरंगाबाद जिला के टंडवा थाना इलाका में सोमार का रात नक्सलियन आ पुलिस का बीचे गोलीबारी भइल बा. बाकिर केहु के हताहत होखे के
Older Posts››