web analytics

भाजपा के भगतन के निराशा हाथे लागल

(टटका खबर, शुक, सावन अन्हरिया त्रयोदशी, 2078 विक्रमी) एक जमाना से देश में हर समुदाय खातिर एकही कानून बनवावे के बात करे वाली भाजपा अब अपना वादा से मुकर गइल बिया, लोकसभा में कानून मंत्री किरण रिजिजू साफ कह दिहलन कि केंद्र सरकार अबहीं देश में समान नागरिक संहिता लागू करे नइखे जात. कब ले … Read more

Loading

बिहार पंचायत चुनाव

बिहार में पंचायत चुनाव के अधिसूचना 28 फरवरी के जारी करे के अनुशंसा राज्य निर्वाचन आयोग का तरफ से पंचायती राज विभाग के भेज दीहल गइल बा. अब चुनाव कार्यक्रम पर मंत्रिमंडल से मंजूरी मिलला का बाद राज्यपाल से अनुमोदन ले के अधिसूचना जारी कइल जाई. पंचायत चुनाव में पद के आरक्षण के सूची तइयार … Read more

Loading

पंचायत चुनाव खाति बनल आचार संहिता

बिहार में पंचायत चुनाव लड़े वालन के कई तरह के नियम माने के पड़ी. जे ना मानी ओकरा खिलाफ कार्रवाई कघल जाई. राज्य निर्वाचन आयोग के कहना बा कि चुनाव प्रचार का दौरान कवनो प्रत्याशी अपना पोस्टर-बैनर में कवनो गोल के नाम भा या ओह गोल के नारा के इस्तेमाल ना करी. दोसरा के जगह … Read more

Loading

मुखिया का घर का लगे बूथ ना बनी

बिहार राज्य निर्वाचन आयोग के कहना बा कि मौजूदा मुखिया का घर से सौ मीटर का भीतर में बूथ ना बनावल जाई. पंचायत चुनाव खातिर बने वाला बूथन के सूची 27 जनवरी के जगजाहिर क दीहल जाई. कवनो एक मकान में चार गो से अधिका बूथ ना रही. थाना भवन, अस्पताल भा धार्मिक महत्व के … Read more

Loading

बिहार पंचायत चुनाव में अपराधी ना लड़ पइहें

अप्रैल-मई में होखे वाला बिहार पंचायत चुनाव में गंभीर अछरंग का चलते पद से हटावल गइल मुखिया सरपंच उम्मीदवार ना हो पइहें. राज्य निर्वाचन आयोग के कहना बा कि मुखिया सहित सगरी पद पर लड़ेवालन के अपना एफिडेविट में एह बाबत सगरी जानकारी देबे के पड़ी. गलत जानकारी देबे वालन पर कड़ा कार्रवाई कइल जाई.

Loading

जिनका घर में शौचालय नइखे ऊ ना लड़ पइहें पंचायत के चुनाव

बिहार में एह साल होखे जा रहल पंचायत चुनाव में ओह लोग के ना लड़े दीहल जाई जिनका घर में शौचालय नइखे बनल. एह बात के जानकारी देत बिहार के राज्य निर्वाचन आयुक्त अशोक कुमार चौहान बतवलन कि उम्मीदवारन के किरिया खा के बतावे के पड़ी कि उनुका घर में पक्का शौचालय बनल बा. बिहार … Read more

Loading