Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

बिहार बोर्ड

बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा प्रवेश पत्र आ कुछ अउर खबर

बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा प्रवेश पत्र आजु शुक का दिने से बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के वेबसाईट पर मिलल शुरु हो जाई. बोर्ड के वेबसाईट bsebbihar.com हवे. एहिजा से 23 जनवरी ले आपन प्रवेश पत्र उतार सकीहें परीक्षार्थी. अगर उतारल प्रवेश पत्र में कवनो गलती मिले त अपना विद्यालत के प्राचार्य का माध्यम से

टटका खबर, 22 अक्टूबर 2017, अतवार

बंगला देश के ढाका में हो रहल एशिया कप हॉकी टूर्नामेंट के मैच में भारत के टीम पाकिस्तान के चार गोल से हरा दिहलें. पाकिस्तान एकहू गोल ना कर पवलसि. अब मलेशिया आ कोरिया का बीच होखे वाला सेमीफाइनल जीते वाली टीम से भारत के मुकाबला फाइनल मैच में होखी. गाजीपुर में काल्हु एगो पत्रकार

बिहार बोर्ड ऑनलाइन कराई सगरी प्रक्रिया

एह साल बिहार बोर्ड परीक्षा 14 फरवरी से मैट्रिक वाला आ 1 मार्च से इंटर वाला शुरू होखी। इंटर परीक्षा 14 फरवरी से 25 फरवरी ले आ मैट्रिक परीक्षा 1 मार्च से 8 मार्च का बीचे होखी। कॉपी अब लम्बाई का जगहा चौड़ाई में रही। एह बदलाव से बार कोडिंग आ कॉपी के स्कैनिंग करे

बिहार बोर्ड के नकलचियन पर जुर्माना लगावल जाई

बिहार बोर्ड के मैट्रिक अउर इंटर परीक्षा में नकल करत पकड़इला पर नकलची पर दू हजार से बीस हजार ले जुरमाना लगावल जाई आ ओकरा के इम्तिहान से निकालियो दीहल जाई. बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के अध्यक्ष लालकेश्वर प्रसाद सिंह के कहना बा कि नकल रोके ला सगरी इन्तजाम कइल जा रहल बा. अगर कवनो

बिहार में इंटर में अढाई लाख सीटे बढ़ावल जाई

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति अगिला साल से इंटर के सीट में अढाई लाख के इजाफा करे जात बिया एकरा खातिर बोर्ड एक सौ से अधिका नया स्कूल काॅलेजन के मान्यता दे दिहले बिया. बोर्ड के कहना बा कि बढ़त आबादी का साथे सीट आ स्कूल काॅलेजन के संख्या बढ़ावल जरूरी हो गइल बा. इंटर में

खबर भोजपुरी में (सोमार, 11 मई 2015)

अतवार का दिने अयोध्या चहुँपल केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह श्रीराम जन्मभूमि मंदिर आ हनुमानगढ़ी के दर्शन कइलन आ कहलन कि राम मन्दिर बनवाए खातिर तइयार होखला का बावजूद भाजपा का लगे राज्यसभा में बहुमत ना रहला का चलते कानून बनावल संभव नइखे. ई पूछला पर कि राज्यसभा में बहुमत मिलला का बाद का होखी त

बिहार बोर्ड के फार्म भरे के तारीख बढ़ावल गइल

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति मैट्रिक परीक्षा के फार्म भरे के तारीख इकतीस जनवरी ले बढ़ा दिहले बिया. समिति के अध्यक्ष प्रो॰राजमणि प्रसाद बतवले कि पच्चीस जनवरी का बाद फार्म भरे वाला लोग के एक सौ रुपिया दंड देबे के पड़ी. पहिले एगारहे जनवरी ले लोग फार्म भर सकत रहे. इहो बतावल गइल बा कि सतरह

Older Posts››