बिहार विधानसभा चुनाव
बिहार विधानसभा चुनाव के एलान होखला का साथही चुनावी बेंगन के टरटराइल शुरु हो गइल बा. तरह-तरह के आकलन आवे लागल बा बाकिर एह टरटराहट में जवन एक बाति साझा लउकत बा ऊ ई कि अबकी के चुनाव भाजपा के अगुअई वाला राजग का पक्ष में तय बा. लोग नीतीश से नाराजो बा बाकिर अतना
कोरोना महामारी के पसार का बीचे पड़ल बिहार विधानसभा चुनाव 2020 के टारल ना गइल आ कुछ राजनीतिक गोल के माँग नकारत चुनाव आयोग चुनाव के तारीख के एलान कर दिहलसि. काल्हु के एलान का साथही बिहार में आचार संहिता लागू हो गइल बा. मुख्य चुनाव आयुक्त सुनील अरोड़ा नयी दिल्ली में पत्रकारन का सोझा
आजु बिहार विधानसभा चुनाव के पाँचवा आखिरी दौर के वोटिंग में रिकार्ड 60 फीसदी वोट पड़ला का बाद टीवी चैनलन पर अलग अलग एजेन्सियन के कइल एक्जिट पोल देखावल गइल. केहु एनडीए के बहुमत देत बा त केहू महागठबन्हन के आ बाकी लोग कांटा के टक्कर बतावत बा. दुनू गोल के लोग आपन आपन जीत
पाँचवा आ आखिरी दौर के वोट 5 नवंबर के पड़े वाला बा आ एह दौर खातिर सभे जी जान लगा दिहले बावे. पिछला चार दौर के चुनाव का बाद भाजपा नीत गठबन्हन उछाह पर बा त महागठबन्हन के चेहरा पर चिन्ता के लकीर लउके लागल बा. एह दौर के वोटिंग ला नव गो जिला के
बिहार विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के बाद सभकर दावा बा जीत के. बाकिर जानकार बतावत बाड़ें कि महागठबन्हन के निराश होखे के पड़ी आ एकरा साथ ही कांग्रेस के एगो बड़हन झटका लागे वाला कि मध्यवर्ग, नवही, उपरका जाति के लोग, आ मेहरारूवन के जमात भाजपा का ओर चल दिहले बा. एह चुनाव में
बिहार विधानसभा चुनाव में धनबल के दुरुपयोग रोके खाति चुनाव आयोग के कोशिश से अबहीं ले नाहियो त अठारह करोड़ रुपिया नगदी जब्त भइल बा. एहमें अड़सठ लाख से अधिका के नेपाली रुपियो शामिल बा. चुनाव के बाकी बचल तीनो दौर ले एह तरह के सघन तलाशी के काम जारी रहे वाला बा आ अउरियो
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि एह चुनाव में अगर महागठबन्हन जीतल त देश में एगो गैर भाजपा फ्रंट बने के राह खुल जाई जवना में कांग्रेस समेत सगरी छोटका दल मिल के भाजपा के मुकाबला करे के फ्रंट बनइहें. बाकिर ई ना बतवलन कि अगर चुनाव में महागठबन्हन के बाजा बाज
हर गोल के नेता अपना अपना दल के प्रचार आ दोसरा गोल के बुराई बतियावे में लागल बाड़े. सभके इहे लागत बा कि उनुके बतावल बात आ राह सही बा जबकि दोसरका के गलत. संगही संगे सभे आपन आपन जीत के दावा करे में लागल बा. जबकि असलियत इहे बा कि पिछलका दुनू दौर के
जीतन राम माँझी के पेंच फँसवला का चलते शनिचर का दिने राजग के सीट बँटवारा के एलान ना हो सकल. माँझी के जिद्द बा कि उनुका रामविलास पासवान के लोजपा का बराबरे सीट दीहल जाव काहे कि उनुका साथे तेरह गो विधायक बाड़ें जबकि लोजपा में एको ना. एह पेंच के सझुरावे में राजग के
चुनाव नजर में राख के हाल ही में नीतीश सरकार बहुते अधिकारियन के एने से ओने कइले रहुवे बाकिर चुनाव के एलान होखला का बाद आयोग के हनक हावी हो गइल बा. काल्हु चुनाव आयोग का आदेश का बाद बिहार सरकार के गृह सचिव आ सामान्य प्रशासन सचिव आमिर सुबहानी के हटा दीहल गइल बा.
257 लोग के जान लेबे वाला आतंकी याकूब मेनन के पैरवी कइला का बाद आलोचना के बाढ़ देख बालीवुड स्टार सलमान खान आपन ट्विट वापिस कर लिहलन आ लोग से माफी मँगलन कि अइसन ट्विट करे के गलती क दिहलन. बाकिर एह बीच 40 जने राष्ट्रपति का लगे गोहार लगवले बाड़न कि याकूब के फाँसी
तृणमूल कांग्रेस ना हेने रही ना होने. भूमि अधिग्रहण विधेयक से ऊ एकदम अलगा रहे के एलान कइले बिया. ओने बीजू जनता दल चाहत बावे कि कानून में सहमति प्रावधान आ सामाजिक प्रभाव विश्लेषण प्रावधान फेरू शामिल क लीहल जाव. अदालत से बरी हो गइला का बावजूद बीसीसीआई आईपीएल स्पॉट फिक्सिंग घोटाला का चलते तीन
आजु शनिचर का दिने बिहार चहुँपल पीएम मोदी बिहार खातिर सौगात के पिटारा लेके आइल बाड़न आ 76 हजार करोड़ के योजना के शुुरुआत करे वाला बाड़न. उनुका साथे सरकारी कार्यक्रम में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमारो मौजूद रहीहें मंच पर. पीएम बनला का बाद पहिला बेर बिहार आइल नरेन्द्र मोदी आ बिहार के मुख्यमंत्री
पंद्रहवीं विधानसभा के मानसून सत्र आ विधान परिषद के अगिला सत्र शुरु होखे के दिन बढ़ा दीहल गइल बा. पहिले 24 जुलाई से शुरु होखे वाला सत्र अब 3 अगस्त से शुरु होखी आ महज चार दिन खातिर चली. आखिरी दिने अनुपूरक लेखा विवरण पास करावल जाई. यूपी के नयका डीजीपी बने खातिर रेस शुरु