web analytics

बिहार आ यूपी के उपचुनावन ला भाजपा उम्मीदवार घोषित

नयी दिल्ली, 19 फरवरी (वार्ता) उत्तर प्रदेश आ बिहार के तीन गो लोकसभा सीटन अउर बिहार के एगो विधानसभा सीट पर होखे वाला उपचुनाव ला भारतीय जनता पार्टी अपना उम्मीदवारन के एलान क दिहलसि. भाजपा के केन्द्रीय चुनाव समिति उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का इस्तीफा से खाली भइल गोरखपुर सीट से श्री उपेन्द्र … Read more

 105 total views

टटका खबर, 30 सितम्बर 2017, शनिचर

आजु नई दिल्‍ली में ऐतिहासिक लालकिला का नियरा होखे वाला दशहरा समारोह के संबोधित करत राष्‍ट्रपति रामनाथ कोविंद जी कहनी कि देश से आतंकवाद आ भठियरपन न के खतम करे ला हमनी सभ के मिल जुल के काम करे के चाहीं. एही मौका प प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी जी कहनी कि हमनी सभलोग राष्‍ट्र निर्माण प्रक्रिया … Read more

 94 total views

टटका खबर, 27 सितम्बर 2017, बुध

सेना आजु बुध का फजीरहीं म्यांमार का सीमा से लगल इलाका में नागा उग्रवादी संगठन नेशनल सोशलिस्ट काउंसिल ऑफ नगालिम (खापलांग) का खिलाफ एगो बड़हन कार्रवाई क के बहुते उग्रवादियन के मार गिरवलसि. सेना के कवनो जवान के हताहत होखे के खबर नइखे. कार्रवाई अपने देश के इलाका में भइल आ सीमा पार करे के … Read more

 339 total views

टटका खबर, 15 मार्च 2017, बुध

बसपा अपना सीनियर नेता लालजी वर्मा के विधानसभा में अपना गोल के नयका नेता बहात क दिहलसि. ओने सपा में अबहीं ले नेता नइखन चुनाइल. हद त ई बा कि गोवा आ मणिपुर में दुसरका जगहा आइल भाजपा आनन फानन में आपन नेतो चुन लिहलसि आ सरकारो बना लिहलसि जबकि शानदार बहुमत मिलल यूपी आ … Read more

 111 total views

टटका खबर, 31 जनवरी 2017, मंगल

यूपी में चाचा भतीजा के रार अबहीं ले थमल नइखे आ चुनाव बाद एकरा एक बेर फेरु फफके के अनेसा बन गइल बा. आजु जसवंतनगर विधानसभा सीट से सपा प्रत्याशी के रूप में आपन नामांकन दाखिल कइला का बाद ओहिजा बोलावल सभा में शिवपाल ऐलान कइलन कि 11 मार्च का बाद ऊ नेता जी संगे … Read more

 73 total views

बिहार यूपी का बीच डायरेक्ट बस सेवा

बिहार आ यूपी का परिवहन विभागन का बीच पिछला मई महीना में भइल समझौता के लागू करत बिहार सरकार सात गो रूटन प बस चलावे के इजाजत दे दिहलसि. बिहार राज्य परिवहन प्राधिकार के बैठक में एह बसन ला परमिट जारी कइल गइल बा. अब बिहार राज्य पथ परिवहन निगम एह रुटन पर आपन बस … Read more

 77 total views

बिहार में अउरी कड़ेर शराबबन्दी कानून लागू कइलन नीतीश कुमार

बिहार सरकार अतवार का दिने फेरु शराबबन्दी लागू क दिहलसि. पिछला कानून के पटना हाई कोर्ट गैरकानूनी बतावत रद क दीहले रहुवे. बाकिर जिदियाइल नीतीश कुमार पिछलको ले कड़ा कानून लागू करे वाला दोसर अध्यादेश जारी करा दिहलन. सरकार के एह फैसला के राज्य के विरोधी दल निन्दा कइले बाड़ें आ कानून में बदलाव करे … Read more

 56 total views

बिहार के शराबबन्दी कानून के रद कइलसि हाई कोर्ट

पटना हाई कोर्ट आजु बिहार में पिछला 5 अप्रेल से लागू शराबबन्दी कानून के रद क के कानून में जनता के भरोसा जगा दिहलसि. सत्ता का नशा में चूर हो के बनावल नीतीश कुमार के एह कानून से बिहार में आम आदमी के चैन छीना गइल रहुवे. खेत खाए गदहा मार खाए जोलहा वाला कहावत … Read more

 66 total views

बिहार के इंटर टॉपर शिक्षा व्यवस्था के पोल खोल दीहलें

बिहार इंटर परीक्षा में टॉप करे वाला साइन्स आ आर्ट्स के टॉपरन के काल्हु इंटरव्यू लीहल गइल. आर्ट टॉपर रुबी राय तबियत खराब होखे का आधार पर अइबे ना कइली. साइन्स के टॉपर अइले त सही बाकिर जवाब देत में पसीना छूट गइल उनकर. कहलें कि अइसन सवाल करब सभे त एहिजे जान दे देब. … Read more

 313 total views

बिहार में अब पूरा शराबबन्दी लागू हो गइल

बिहार सरकार अधिसूचना जारी क के आजु मंगल का दिन से बिहार में हर तरह के शराब पर रोक लगा दिहलसि. पहिले खाली देशी शराब पर रोक लगाने के फैसला भइल रहुवे जवना का बाद विपक्ष नाराजगी जतावत रहे. मजबूरन बिहार सरकार हर तरह के शराब पर रोक लगा दिहलसि. अव पियक्कड़न ला ताड़ियो दुर्लभ … Read more

 311 total views

बिहार के हरलाखी विधानसभा उपचुनाव

बिहार के हरलाखी विधानसभा उपचुनाव के आजु आखिरी दिने सगरी गोल आपन पूरा बेंवत लगा दिहले. सीट एनडीए गठबन्हन में शामिल रालोसपा जीतले रहे. एह चलते एनडीए के साख दाँव पर लागल कहल जा सकेला. लालू नीतीश के महागठबन्हनो पूरा जोर लगवले बावे एह सीट पर काबिज होखे ला.  296 total views

 296 total views

भोजपुरी पट्टी से हादसा के खबर

बिहार में भइल हादसन में पिछला एक दिन में नाहियो त एक दर्जन लोग के मौत हो गइल. आठ जने घवाहिल हो गइलें. रोहतास जिला के डेहरी-ऑन-सोन में टीसन जात घरी एगो ट्रक से कचरा के पुलिस इंस्पेक्टर सियाकांत पांडेय के मौत ठाँवे पर हो गइल. रोहतासे जिला के विक्रमगंज इलाका में तेंदुली चौक का … Read more

 235 total views

बिहार में बंपर वैकेन्सी

बिहार सरकार राज्य के एक हजार पंचायतन में नया हाई स्कूल खोले के तय कइले बिया जवना खातिर तीस हजार से अधिका शिक्षकन के बहाली होखे वाला बा. मिडिल आ हायर सेकेन्डरी स्कूलनो में खाली पड़ल शिक्षकन के पद भरे के योजना बा सरकार के. अतना बड़हन बंपर वैकेन्सी भरे खातिर स्पेशल शिक्षक पात्रता परीक्षा … Read more

 260 total views

बिहार सरकार पाँच गो नया मेडिकल काॅलेज खोले के एलान कइलसि

बियफे का दिने स्वास्थ्य विभाग के समीक्षा बइठक में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बिहार के स्वास्थ्य क्षेत्र के बरियार बनावे ला अनेके बड़हन फैसला लिहलन. राज्य में पाँच गो नया मेडिकल काॅलेज, सगरी मेडिकल कॉलेजन में नर्सिग कॉलेज, अनुमंडलन में एएनएम स्कूल आ हर जिला में जीएनएम स्कूल खोले के फैसला लीहल गइल बा. … Read more

 218 total views

बिहार में नौ गो नया निजी विश्वविद्यालय

बिहार सरकार जल्दिए बिहार में चार गो नया निजी विश्वविद्यालय खोले के मंजूरी देबे जात बिया. एहमेंं वैशाली जिला में सी.वी. रमण विश्वविद्यालय, मुजफ्फरपुर में जागेश्वरी मेमोरियल विश्वविद्यालय, मधुबनी में संदीप विश्वविद्यालय अउर कटिहार में अता करीम विश्वविद्यालय खोले ला नो आब्जेक्शन दे दीहल गइल बा. एकरा अलावे पाँच गो अउर विश्वविद्यालयन का बारे में … Read more

 322 total views

तीन दर्जन से अधिका अफसरन के तबादला

विधानसभा चुनाव का बाद बनल नयका सरकार आजु बियफे का दिने नयका राजनीतिक समीकरण का हिसाब से बिहार के 39 गो बड़का अफसरन के तबादला कर दीहल गइल. हालांकि चुनाव का पहिलहूं एही लोग के सरकार रहुवे. आजु जवना अफसरन के तबादला भइल तवना में 28 गो आईएएस आ 11 गो आईपीएस अफसरन के नाम … Read more

 252 total views

बिहार में ‘कानून के राज’ लवट आइल

बिहार में महागठबन्हन का जीत का बाद जनता के भरोसा ‘कानून के राज’ पर अतना हो गइल बा कि जेकरे देखी उहे कानून के अपना हाथ में ले लेत बा. बेगूसराय के चकिया थाना के बरियाही गाँव में भइल एगो हत्या के जाँच करे चहुँपल पुलिस वालन पर गाँव वाले हमला बोल दिहलेश आ एगो … Read more

 192 total views

महागठबन्हन के जीत का बाद एनडीए समर्थकन के पिटाई

बिहार में लालू के समर्थन से बने जा रहल नीतीश सरकार के किरिया धराई से पहिलहीं बिहार में गुण्डागर्दी आ जबरदस्ती के बोलबाला हो गइल बा. पिछला दस साल से सत्ता से अलग रहल राजद समर्थक अब आपन मनमानी शुरू क दिहले बाड़ें. एह सब गुण्डागर्दी का खिलाफ भाजपा के बड़का नेतन में शामिल सुशील … Read more

 225 total views

बिहार में एक करोड़ से अधिका राशन कार्ड बाँटल जाई

बिहार में नया लाभार्थी एक करोड़ दू लाख लोग के राशन कार्ड देबे के काम एही महीना से शुरू होखे वाला बा. जिला जिला में शिविर लगा के एकरा के बांटल जाई आ साथही डीजल आ किरासन तेल के कूपनो एह शिविरन में बँटाई. सरकार के कहना बा कि गँवई इलाका में बीडीओ आ शहरी … Read more

 235 total views

हार का बाद बिहार भाजपा में घमासान मच गइल बा

बकबकवा बिहारी बाबू त खुलेआम नगाड़ा पीट पीट के भाजपा के धज्जी उड़ावत बाड़न. दोसरो लोग अब गँवे गँवे सामने आवे लागल बा. सगरी झगड़ा का जड़ में कहीं ना कहीं सुशील मोदी बाड़न जिनकर निजी महात्वाकांक्षा भाजपा के ले डूबल आ बिहार में कवनो नेता ना पनप पावल भाजपा में. सुशील मोदी अपना छात्र … Read more

 180 total views