web analytics

कैमूर मे डेंगू के पचासन मरीज

कैमूर जिला में डेंगू के मरीजन के गिनिती लगातार बढ़ल जात बा. अबहीं ले पचास गो से अधिका मरीजन के इलाज ला पटना भेजल गइल बा. जिला में डेंगू से निबटे ला सफाई के जोरदार अभियान चलगावत बिया बिहार सरकार.  216 total views

 216 total views

बिहार यूपी के पिछड़ा राज्य माने के तइयार भइल केन्द्र सरकार

नीतीश कुमार के बिहार आ अखिलेश यादव के यूपी के देश के पिछड़ा राज्यन में शामिल कर लेबे के मुद्दा पर केन्द्र सरकार तइयार हो गइल बिया. एकरा पीछे कांग्रेस के मनसा बा कि संसद में एक सौ बीस सीट देबे वाला एह दु गो राज्यन के अपना पाला में कर लिहल जाव. पिछड़ा राज्य … Read more

 234 total views

बिहार से ना हटावल जाई सीआरपीएफ के बारह गो टुकड़ी

कुछ महीना पहिले अचके में केन्द्र सरकार बिहार से सीआरपीएफ के बारह गो टुकड़ी के हटा के झारखंड भेजे के फैसला ले लिहलसि. एही बारह कंपनियन में उहो कंपनी शामिल रहुवे जवना के लालू प्रसाद के सुरक्षा में लगावल गइल रहे. लालू एकर शिकायत कइलन. एह बारह कंपनियन के अधिका जवान बिहारे के हउवें. बाद … Read more

 244 total views

बिहार के विशेष राज्य माने खातिर विचार होखत बा

एक दिन ला बिहार आइल केन्द्रीय वित्त मंत्री पी चिदम्बरम कहलन कि कवना राज्य के कवना आधार पर विशेष राज्य के दरजा दिहल जाव एह खातिर केन्द्र सरकार रघुराम राजन के अध्यक्षता में एगो समिति बनवलेबिया जवन एकर आधार तय करी. समिति के रिपोर्ट एक महीना का भीतरे आ जाए के उमेद बा. कहलन कि … Read more

 243 total views

फेर एगो बलात्कारी बिहार से पकड़ाइल

पिछला दिने देश भर में बिहार के छवि खराब करे वाला खबर ई रहली सँ कि कई गो बलात्कारी बिहार के निकलले आ ओकनी के बिहार से गिरफ्तार क के दिल्ली आ दोसरा जगहा ले जाइल गइल. दिल्ली के मासूम से रेप करे वाला दुनु अपराधियन के बाद अब मध्यप्रदेश के सिवनी में एगो अबोध … Read more

 256 total views,  5 views today

तनातनी का बीच भाजपा आ जदयू गठबन्हन के इम्तिहान

बिहार विधान परिषद के तीन गो सीट खाली होखे वाला बा. एहमें से एगो जदयू का लगे रहल जबकि दू गो राजद का लगे. एह सीड़न के उपचुनाव में भाजपा चाहत बिया कि एक सीट ओकरा के दे दिहल जाव. उपचुनाव खातिर २९ अप्रेल ले नामांकन भरे के मौका बा जबकि जरूरी भइल त मतदान … Read more

 248 total views

रेल बजट में बिहार आ उत्तर प्रदेश के मिलल सौगात

नया लाइन बिछावल जाई आनन्दनगर से घुघली ले वाया महाराजगंज, आ पीरपैंती से जसीडीह, नया लाइन बिछावल जाई. बनारस से बलिया के बीच डबल लाइन कइल जाई. नया रेलगाड़ी बांद्रा टर्मिनस से रामनगर साप्ताहिक एक्सप्रेस वाया नगदा,मथुरा, कानपुर, लखनऊ, रामपुर जयपुर लखनऊ एक्सप्रेस हफ्ता में तीन दिन वाया बंदीकुई,मथुरा, कानपुर गुवाहाटी आनन्द विहार साप्ताहिक एक्सप्रेस … Read more

 358 total views

रेल बजट में बिहार के अनदेखी

आजु पेश रेल बजट के आलोचना करत बिहार के मुख्यमंत्री कहलन कि एह बजट में बिहार के एकदमे अनदेखी कर दिहल गइल बा. लालू प्रसाद कहलन कि उनका समय में रेल के घाटा खतम कर के ऊँचाई पर चहुँपा दिहल रहुवे बाकिर आजु हालात बदल गइल बा. रेल बजट में बिहार में लटकल रेल परियोजनन … Read more

 245 total views

बिहार के बजट पेश ८७६९ करोड़ के घाटा

बियफे का दिने बिहार के साल १३ १४ के बजट पेश कइलें वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी. एह बजट में सबले अधिका खरचा पढ़ाई पर राखल गइल बा जवन कुल खरचा के १५.२९ फीसदी बा. सड़क पर १२.४५ फीसदी, जल संसाधन पर ७.१ फीसदी, आ खेती पर ६.४ फीसदी के खरचा करी बिहार सरकार. इहो … Read more

 251 total views

बिहार के इंटर साइंस के रिजल्ट निकलल

मंगल का दिने बिहार के इंटर साइंस के परिणाम घोषित कर दिहल गइल जवना में से पहिला दस जगहा में से पाँच जगहा पर बेगुसराय के एम आर जे डी आई महाविद्यालय के विद्यार्थी आइल बाड़ें. एह में से दू गो विद्यार्थी, पियुष कुमार आ ईला कुमारी, भाई बहिन हउवें. पियुष पहिला जगहा पर आ … Read more

 222 total views,  1 views today