Go to ...
RSS Feed

बीफ

टटका खबर, 26 मार्च 2017, अतवार

विधानसभा चुनाव में बड़हन हार का बाद अब बाप बेटा फेरु आमने सामने आ गइल लउकत बाड़ें. सपा गोल के मौजूदा अध्यक्ष आ यूपी के मुख्यमंत्री रहल अखिलेश यादव 28 तारीख का सबेरे सपा विधानमंडल गोल के बइठक बोतवले बाड़न त मुलायम सिंह 29 मार्च के साँझ बेरा नवका चुनाइल विधायकन के बइठक बोलवले बाड़न.

जेकरा गोमांस खाए के बा से खाव बाकिर रिगावे जन हिन्दूवन के

गोमांस पर छिड़ल बवाल का बीच काल्हु केंद्रीय मंत्री कलराज मिश्र कहलन कि जेकरा खाए के बा से खाव बाकिर ओकरा के लेके गावे जन. गोमांस खइला के बात कह के देश के बहुसंख्यकन के भावना भड़कावल गलत बा. जेकरा जवन मन करे तवन खाव बाकिर दोसरा के रिगावे भड़कावे के जरूरत नइखे.

टटका खबर (अतवार, 4 अक्टूबर 2015)

दिल्ली से सटले दादरी इलाका के बिसाडा गांव में मराइल मुसलमान आदमी के परिवार के अब यूपी सरकार बीस लाख रुपिया के आर्थिक सहायता देबे के एलान कइले बिया. सरकार के मरजी जेकरा के जतना चाहे ओतना सहायता दे देव बाकिर एकर कवनो एगो नियम आ तरीका होखे के चाहीं आ हर समुदाय के आदमी