web analytics

टटका खबर, 8 जून 2017, बियफे

बँवारा राजनीतिक गोलन के छात्र ईकाईयन का तरफ से आजु बियफे के बिहार बन्द करे के गोहोर लगावल गइल रहुवे. बाकिर एह गोहार के कवनो खास असर देखे के ना मिलल. आरा टीसन प कुछ लुहेड़ा लईका संघमित्रा एक्सप्रेस के कुछ देर ले रोक रखले. राजद मुखिया पुलिस के सलाह दिहले रहलन कि विरोध करेवालन … Read more

 109 total views

टटका खबर, 26 मार्च 2017, अतवार

विधानसभा चुनाव में बड़हन हार का बाद अब बाप बेटा फेरु आमने सामने आ गइल लउकत बाड़ें. सपा गोल के मौजूदा अध्यक्ष आ यूपी के मुख्यमंत्री रहल अखिलेश यादव 28 तारीख का सबेरे सपा विधानमंडल गोल के बइठक बोतवले बाड़न त मुलायम सिंह 29 मार्च के साँझ बेरा नवका चुनाइल विधायकन के बइठक बोलवले बाड़न. … Read more

 208 total views

टटका खबर, 25 मार्च 2017, शनिचर

मुख्यमंत्री बनला का बाद आजु योगी आदित्यनाथ पहिला बेर गोरखपुर के यात्रा पर आइल बानी. पूरा गोरखपुर उनुका स्वागत में लागल बा. योगी अदित्यनाथ आजु गोरखनाथ मंदिर में रात्रि विश्राम करब आ काल्हु मंदिरे में होखे जा रहल यागीराज गंभीरनाथ के शताब्दी पुण्यतिथि समारोह में शामिल होखब. आ साँझ बेरा लखनऊ लवटि जाएब. 30 सितम्बर … Read more

 106 total views

टटका खबर, 22 मार्च 2017, बुध

आजु यूपी सरकार के मंत्रियन का बीच विभागन के बँटवारा क दीहल गइल. गृह मंत्रालय मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अपना लगे रखले बाड़न. पूरा सूची योगी मंत्रिमंडल पन्ना प देख सकीलें. सीएम योगी राज्य प्रशासन के सख्त निर्देश जारी कइले बाड़न कि कवनो हालत में गऊ तस्करी बरदाश्त ना कइल जाई. राज्य में चलत सगरी नाजायज … Read more

 115 total views