Go to ...
RSS Feed

बेतिया

भोजपुरी पट्टी से 18 अगस्त 2018 के चार गो खबर

देवरिया में अदालत ने सेक्स कांड के तीन आरोपी को भेजा रिमांड पर देवरिया 18 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश में देवरिया के अपर सत्र न्यायाधीन के अदालत मां विंध्यवासिनी महिला प्रशिक्षण एवं समाज सेवा संस्थान से संचालित बाल गृह बालिका, बाल गृह शिशु और सुधार गृह के तीन गो आरोपियन के तीन दिन ला रिमांड

भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर, शुक 1 जून 2018 के

गोरखपुर में दू दिन लागी रोजगार मेला गोरखपुर 01जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गोरखपुर विश्वविद्यालय में एगो बड़हन रोजगार मेला दू दिन ला लगावल जाए वाला बा. सहायक निदेशक सेवायोजन अखण्ड प्रताप सिंह बतवलन कि क्षेत्रीय सेवायोजन कार्यालय का तरफ से 9 आ 10 जून के दू दिन के रोजगार मेला दीक्षा भवन, विश्वविद्यालय परिसर

29 मई, मंगल के भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर

बस्ती में ट्रेन से कटाके दू आदमी के मौत बस्ती 29 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश में बस्ती के पैकोलिया इलाका में गौर टीसन का लगे बागडी गांव का सोझा रेल लाइन पार करत बलेसर गांव के रामजीत (30) आ 45 बरीस के एगो अनजान आदमी के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. अनजान आदमी

साठी में गांजा तस्कर गिरफ्तार

बेतिया 4 अप्रैल (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के साठी इलाका से पुलिस मंगल का राति में एगो गांजा तस्कर के गिरफ्तार कइलसि. पुलिस सूत्र बतवलें कि नियमित जांच करत में मंगल के राति एगो नवही मोटरसाइकिल सवार पर संदेह भइल त ओकरा के रोक के तलाशी लीहल गइल. ओकरा मोटरसाइकिल में करीब पौने दू किलो

दहेज खातिर पत्नी के हत्या

बेतिया , 28 मार्च (वार्ता). पश्चिम चंपारण जिला के चनपटिया इलाका के झखरा गांव में दहेज के मांग लेके एगो औरत के हत्या क दीहल गइल. पुलिस सूत्र बतवलें कि झखरा गांव के विभू साह के बिआह चार बरीस पहिले अंतिमा (28) का संगे भइल रहुवे आ ओकरा बादे से ससुराल वाले अंतिमा के प्रताड़ित

आग लगला से दस से अधिका घर जरल

बेतिया 27 मार्च (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के नरकटियागंज प्रखण्ड के राजपुर तुमकड़िया पंचायत के सोनासती गांव में मंगल का दिने बिजली से लागल आगि में एक दर्जन से अधिका घर जर गइल. पुलिस के कहना बा कि शिकारपुर थाना के सोनसती गांव में दुपहरिया में बिजली से लागल आगि में लाखों के सम्पति जर

भोजपुरी पट्टी से 26 मार्च 2018, मंगल के 17 गो खबर

बिहार के औरंगाबाद में कर्फ्यू औरंगाबाद 26 मार्च (वार्ता). औरंगाबाद जिला प्रशासन रामनवमी जूलूस पर भइल पथराव का बाद भइल उपद्रव के देखत शहर में कर्फ्यू लगा दिहले बावे. उपद्रवी महाराजगंज बाजार के कई एक दुकान में आग लगा दिहले रहलें. हालांकि अब हालात काबू में बा. विद्यालय का नियरा से औरत के लाश मिलल

भोजपुरी पट्टी से 24 मार्च 2018 शनिचर के 8 खबर

वाराणसी नगर निगम सदन में पार्षदन के बवाल, चार जने हिरासत में वाराणसी, 24 मार्च (वार्ता). वाराणसी नगर निगम कार्यकारिणी सदस्यन के चुने के मांग अनदेखी करत सदन के बइठक स्थगित भइला से नाराज विपक्षी पार्षद जमके हंगामा कइलें. एह पर पुलिस प्रयोग करत सपा पार्षद भैया लाल यादव आ निर्दलीय सुनील यादव अउऱ बबलू

भोजपुरी पट्टी से 13 गो खबर, 23 मार्च 2018

भगत सिंह, राजगुरु आ सुखदेव के 87 वाँ शहीदी दिवस मनावल गइल जौनपुर, 23 मार्च (वार्ता). जौनपुर के सरांवा गांव में महान क्रांतिकारी शहीद-ए-आज़म भगत सिंह, राजगुरु, आ सुखदेव के 87 वां शहीदी दिवस शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकंन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता मनवलें. सभा में लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के

http://tatka.in से साँझ सात बजे तकले के खबर

यौगी सरकार केहू का आँवक में नइखे आवे वाली यूपी के चिकित्सा स्वास्थ्य मंत्री सिद्घार्थ नाथ सिंह अपने गठबन्हन के साथी आ अपना बराबरी के मंत्री ओम प्रकाश राजभर के आरोपन के जवाब देत कहलन कि योगी आदित्यनाथ के सरकार केहू के आँवक में नइखे आवे वाली. ओम प्रकाश राजभर ढेर दिन से रहि रहि

टटका खबर पर बियफे 11 जनवरी 2018 के कुछ खास खबर

वाराणसी में बियफे का दिने देश के प्रधानमंत्री रहल लाल बहादुर शास्त्री के पुण्यतिथि पर अनेके कार्यक्रम आयोजित कइल गइल. एगो समारोह उनुका पैतृक निवास रामनगर में आयोजित भइल. राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ लखनऊ के लाल बहादुर शास्त्री भवन में आयोजित समारोह में शामिल भइनी आ आपन पुष्पांजलि अर्पित कइनी. योगी जी

बबलू दुबे के गोली मारेवालन के ध लिहलसि पुलिस

कुछ देन पहिले बेतिया व्यवहार न्यायालय में केस का चलते पेश करावल गइल बदनाम अपराधी बबलू दुबे के अदालते परिसर में गोली से भू्ंज दीहल गइल रहुवे. गैंगवार के एह घटना में आजु पुलिस दूगो शूटरन के गिरफ्तार क लिहले बिया. एगो शूटर बेतिया के ह आ दोसरका मोतिहारी के. पुलिस एह अपराधियन के नाम

टटका खबर, 17 मार्च 2017, शुक

दिन धरा गइल बा. शामियाना तनात बा. घराती बराती आपन आपन कपड़ा सइहारे में लागल बाड़ें. बस इहे नइखे मालूम कि दुलहा के रही. यूपी विधानसभा चुनाव में मिलल बड़हन जीत का बावजूद आ कि एही चलते भाजपा अबहीं ले आपन नेता नइखे चुन सकल. हमेशा का तरह मीडिया आपन कयास लगावे से चूकत नइखे

टटका खबर, 3 मार्च 2017, शुक

उन्नाव से भाजपा सांसद साक्षी महाराज के काल्हु रात मोबाइल फोन प जान से मार डाले के धमकी दीहल गइल. फोन करे वाला के नम्बर पुलिस के बता दीहल गइल बा. जाने जोग बा कि सात्री महाराज कट्टर हिन्दू सोच राखे वाला नेता हउवन, पश्चिम चंपारण जिला के बेतिया नगर में रमना मैदान में आजु

दलित लइकी से तौकीर रेप करी त मीडिया चुपे रही

बेतिया के नरकटियागंज के पुरानी बस्ती के एगो बदमाश छुरा का बल पर एगो दलित लइकी से बलात्कार कइलसि आ एकर वीडियो बना लिहलसि। बाद में आकर यौन शोषण करे लागल। लइकी के बाप के ऊ वीडियो देख के कहलसि कि ओकरा से निकाह करवा द आ आपन जमीनो लिख द। पहिले त बाप मान

सोमार का रात आइल तूफान से बेतिया आ गोपालगंज में बहुते नुकसान

सोमार का रात हर घंटे 70 किलोमीटर के दूरी पार करत आइल तूफान से बिहार के चार गो जिला झकझोरा गइल. चंपारण आ गोपालगंज में बहुते संपति के नुसान भइला के खबर बा. एह आंधी का साथही आइल बरखा आ बनरी गिरला से आम आ लीची के फसल के बहुते नुकसाल भइल बा. नरकटियागंज, रक्सौल,

बिहार के मेडिकल आ इंजीनियरिंग कोर्सन के दाखिला परीक्षा के परचा लीक

बिहार संयुक्त प्रवेश प्रतियोगिता परीक्षा परिषद के करावल मेडिकल अउर इंजीनियरिंग कोर्सन में दाखिला परीक्षा के परचा लीक हो जाए के खबर आइल बा. एही परीक्षा में बेगूसराय के तीन गो परीक्षार्थियन के गिरफ्तार क लीहल गइल. ई लोग वाट्सएप्प के सहारे नकल करत धराइल रहुवे. एकरो जाँच होखत बा कि ई लोग मोबाइल का

बिहार के भोजपुरी इलाका से अपराध आ हादसा के खबर

बक्सर में आटो पलटला का चलते एक दरिजन लोग घवाहिल हो गइल. घवाहिल लोगन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. बेतिया के स्टेट बैंक शाखा से 58 लाख रुपिया चोरी का मामिला में पुलिस एगो गाड़ी के जब्त क के ओकरो में से एक लाख से अधिका रुपिया के नकदी आ एक लाख रुपिया

बिहार से अपराध के खबर

बेतिया में मझौलिया प्रखंड के पारस पकड़ी गांव में शनिचर का रात स्टेट बैंक शाखा के जंगला के ग्रिल काटके करीब 50 लाख के गहना आ साढ़े आठ रुपिया नगदी चोरा ले गइल बाड़ें स चोर. बैंक में लगावल कैमरा के तार पहिलहीं काट दिहले रहले सँ जवना से पुलिस के जानकारी नइखे मिलत. शुक

भोजपुरी पट्टी का साथही देश दुनियो के खबर (30 अगस्त 2015, अतवार)

शनिचर का दिने एगो भव्य समारोह में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का हाथे राष्‍ट्रीय खेल पुरस्कार दीहल गइल. स्‍टार टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के राजीव गांधी खेल रत्न से नवाजल गइल. उनुका एगो पदक आ प्रमाणपत्र का साथे साढ़े सात लाख रुपिया नगदी मिलल. अउरी सम्मानित खिलाड़ियन में शामिल रहलें बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत, निशानेबाज जीतू

Older Posts››