बेतिया
बक्सर में आटो पलटला का चलते एक दरिजन लोग घवाहिल हो गइल. घवाहिल लोगन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. बेतिया के स्टेट बैंक शाखा से 58 लाख रुपिया चोरी का मामिला में पुलिस एगो गाड़ी के जब्त क के ओकरो में से एक लाख से अधिका रुपिया के नकदी आ एक लाख रुपिया
बेतिया में मझौलिया प्रखंड के पारस पकड़ी गांव में शनिचर का रात स्टेट बैंक शाखा के जंगला के ग्रिल काटके करीब 50 लाख के गहना आ साढ़े आठ रुपिया नगदी चोरा ले गइल बाड़ें स चोर. बैंक में लगावल कैमरा के तार पहिलहीं काट दिहले रहले सँ जवना से पुलिस के जानकारी नइखे मिलत. शुक
शनिचर का दिने एगो भव्य समारोह में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का हाथे राष्ट्रीय खेल पुरस्कार दीहल गइल. स्टार टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के राजीव गांधी खेल रत्न से नवाजल गइल. उनुका एगो पदक आ प्रमाणपत्र का साथे साढ़े सात लाख रुपिया नगदी मिलल. अउरी सम्मानित खिलाड़ियन में शामिल रहलें बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत, निशानेबाज जीतू
जम्मू कश्मीर के आर एस पुरा सेक्टर से लागल देश के सिवान पर पाकिस्तानी सेना के गोलीबारी में काल्हु शुक का दिने तीन गो नागरिक के मौत हो गइल आ 17 जने घवाहिल हो गइले. जबाबी कार्रवाई में ओनियो कई लोग के जान जाए आ घवाहिल होखे के खबर बा. जम्मू कश्मीर में शुक का
(मंगल, 31 मार्च के खबर) रेल गाड़ियन के बढ़त संख्या का चलते होखे वाला देरी कम करे खातिर रेलवे बक्सर से मोकामा का बीच, इलाहाबाद से बक्सर का बीच, आ सोननगर से धनबाद का बीच एगो रेल लाइन अउरी बढ़ावे के फैसला कइले बिया. एहमें समय जरूर लागी बाकिर रेलवे एह पर काम शुरु करे
(सोमार, 16 मार्च के खबर) इलाहाबाद जिला न्यायालय में दरोगा से अझुरइला का चलते भइल वकील के हत्या का खिलाफ देश भर के वकील विरोध दिवस मनवले सोमार का दिने आ बिहार यूपी के अदालतन में कतहीं कवनो काम ना हो पावल. एह लोग के शिकायत बा कि गोली मारे वाला दरोगा के हीरो काहे
(अतवार, 15 मार्च के खबर) सोमार से वाराणसी सिटी से गाजीपुर सिटी का बीच एगो नया डीएमयू चलावल जाई जवन नौ बजे सिटी से खुल के साढ़े एगारह बजे गाजीपुर चहुँपी आ ओहिजा से वापसी में तीन बजे गाजीपुर से खुली साँझ सवा पाँच बजे सिटी टीसन चहुँपी. सोमारे से छपरा मंड़ुआडीह डीएमयू के बंद
(शनिचर, 14 मार्च के खबर) गाजीपुर जिला के शादियाबाद इलाका के करीमुल्लाहपुर गाँव में एगो औरत अपना तीन गो बेटन के फाँसी पर लटकवला का बाद अपनहूँ फाँसी पर लटक के जान दे दिहलसि. हालांकि ओकरा नइहर के लोग ओकरा मरद आ ससुर पर हत्या करे के आरोप लगावत मुकदमा लिखववले बाड़े. बलिया जिला के
(शुक, 13 मार्च के खबर) बुध का रात बक्सर में भइल सड़क हादसा का बाद भइल बवाल खातिर चार गो मुकदमा दर्ज कइले बिया पुलिस आ डेढ़ हजार लोग का खिलाफ एफआईआर लिखले बिया. एहमें 45 लोग के नामजद आरोपी बनावल गइल बा. रोहतास जिला के काराकाट इलाका के धवनी गांव में बियफे का रात
(बियफे, 12 मार्च के खबर) बक्सर शहर के सिंडीकेट आ गोलंबर के इलाका बुध का सगरी रात जरत रह गइल. सड़क हादसे में चार आदमी के मौत आ एक दर्जन लोग के घवाहिल भइला का बाद खिसियाइल लोग के बवाल देखत इहे बुझाव कि पुलिस प्रशासन पर से लोग के भरोसा उठ गइल बा. प्रशासन
(मंगल, 10 मार्च के खबर) बिहार विधानसभा में आजु नीतीश सरकार के आपन बहुमत साबित करे के बा. एह वोटिंग में जीतन राम माँझी आ उनकर समर्थक विधायको नीतीशे का पक्ष में वोट करीहें ना त विधायिकी छीना जाई. मंगल का दिने लोकसभा में भूमि अधिग्रहण, पुनर्वास आ पुनर्स्थापन विधेयक पारित हो गइल. सरकार एह
(सोमार, 9 मार्च के खबर) आरा न्यूज भोजपुर जिला के कश्यपनगर पुलिस लाइन मुहल्ला में सोमार का दिने पानी में डूबला का चलते पैंसठ बरीस के एगो आदमी के मौत हो गइल. गायक अभिनेता पवन सिंह के पत्नी नीलम के खुदकुशी करे के कारण के कवनो थाह नइखे लागल अबले. केहू कुछ बतावे के तइयार
अबहिए पता चलल बा कि बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी इस्तीफा दे दिहलन काहे कि उनुका पता चल गइल कि उनुका लगे बहुमत नइखे. बाकिर एह दौरान नीतीश कुमार के सत्ता लोलुप चेहरो उजागर क गइले जीतन. (बियफे 19 फरवरी के खबर) बक्सर जिला के डुमरांव व्यवहार न्यायालय के हरियाणा फार्म से हटाके डुमरांव
(बुध, 18 फरवरी के खबर) पटना उच्च न्यायालय जीतनराम मांझी सरकार के बड़हन नीतिगत फैसला लेबे पर रोक हटा दिहलसि त माँझी कैबिनेट नया फैसलन के बरखा करा दिहलेंं. एह फैसलन में सरकारी नौकरी में 35 फीसदी महिला आरक्षण, पुलिस में हर साल तेरह महीना के तनखाह, किसान सलाहकारन आ होमगार्डन के मानदेय में बढ़ोतरी,
(मंगल, 17 फरवरी के खबर) ईसाईयन के एगो समारोह में शामिल होखे चहुँपल प्रधानमंत्री मोदी कहलन कि उनकर सरकार देश में कवनो संप्रदाय के नफरत पसारे ना दी आ धार्मिक आजादी के मान राखी. हालांकि हाल ही में दिल्ली के एगो स्कूल में भइल चोरी के घटना का बाद मीडिया में बेवजह के बवाल खड़ा
नमस्कार! आजु महाशिवरात्रि का दिने रउरा सभे ला शुभकामना करत टटका खबर पर पेश बा सोमार 16 फरवरी के खबर. Download Music – Embed Audio Files – TatkaKhabar-16-Feb-15 श्रीलंका में पिछला महीना भइल चुनाव जीतला का बाद पहिला बेर विदेश यात्रा पर निकलल श्रीलंका के राष्ट्रपति मैथ्रिपाला सिरिसेना सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से
उत्तर प्रदेश सरकार के आदेश से अब हर महीना के तिसरका बुध का दिने जिलाधिकारी लोग ‘किसान दिवस’ के आयोजन कराई जवना में किसानन के समस्या सुनल जाई आ ओकर समाधान के रास्ता निकालल बतावल जाई. सपा में आवे ला बेचैन अमर सिंह के राह रोकले आजम खाँ अपना पत्नी के मिलल राज्यसभा टिकट से
बियफे का भोर मे उगत आदित्य के अर्घ देके चार दिन चलेवाला महापर्व छठ के समापन हो गइल. बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के पत्नी छठ मईया से अपना पति के कुर्सी बनवले राखे के मनता मँगली. उत्तर प्रदेश परिवहन आयुक्त के आदेश का बाद राज्य भर में हर वाहन पर चमके वाला टेप
छठ महापर्व का तिसरा दिने आजु व्रती लोग नदी तालाब पोखरा समुद्र का किनारे पानी में खड़ा होके डूबत सूरज के अर्घ दिहल. काल्हु सबेरे उगत सूरज के अर्घ दिहला का साथे चार दिन चले वाला ई महापर्व पूरा हो जाई. इलाहाबाद के फाफामऊ में आजु बुध का दिने एगो कार आ टैंकर के टक्कर
भारत में जर्मनी के राजदूत माइकल स्टेनर मंगलवार को पटना में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी से मुलाकात की। इस बैठक में जर्मनी एवं भारत के संबंधों की चर्चा की गई। बैठक में जर्मनी ने बिहार को कृषि के क्षेत्र में सहयोग देने का आश्वासन दिया। लोक आस्था के महापर्व छठ के चार दिन
Older Posts››
‹‹Newer Posts