Go to ...
RSS Feed

बैकुंठपुर

जेनरेटर चालक के पीट पीट के हत्या

गोपालगंज जिला के बैकुंठपुर इलाका के तकियाबाद गांव मे परसो रात कुछ लोग पैंतीस साल के मो॰ सुल्तान के पीट पीट के हत्या कर दिहल. पुलिस बतावत बिया कि सुल्तान एगो शादी में आपन जेनरेटर ले के गइल रहे. ओहिजे !हो सुनसान जगहा ले जा के ओकरा के पीट पीट के मुआ दीहले कुछ लोग.

तरैयाँ में बोलेरो पलटला से पाँच गो काँवड़ियन के मौत

गोपालगंज के बैकुंठपुर के पाँच गो काँवड़ियन के मौत मंगल का भोर में हो गइल जब ओह लोग के ले के जात बोलेरो सारण जिला के तरैयाँ में छपियाँ गाँव का नियरा पलट गइल. तीन गो घवाहिल काँवड़ियन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

बैकुंठपुर में लइकी के हत्या का खिलाफ सड़क जाम

गोपालगंज के बैकुंठपुर थाना के रेवतिथ गांव के एगो सात साल के लइकी के लाश बुध का दिने गाँव का बाहर मिलल. एकरा बाद खिसियाइल गाँववाला देवकुली-दिघवा दुबौली रोड जाल कर दिहलें. बाद में एसडीपीओ निर्मला कुमारी समुझा बुझा के जाम हटवली. हत्या के कारण आ आरोपी के पता नइखे.