web analytics

ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या के जाँच सीबीआई से करावल जाई

बिहार सरकार आखिरकार एह बात ला तइयार हो गइल कि रणवीर सेना के प्रमुख रहल ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या के जाँच सीबीआई से करावल जाई. अनेके राजनीतिक दल एकर माँग करत रहलें आ पहिले सरकार के कहना रहल कि बिहार पुलिस एकर जाँच करे में पूरा सक्षम बिया. सरकार के एह फैसला के भाकपा माले … Read more

 106 total views,  5 views today

ब्रह्मेश्वर मुखिया के अंतिम संस्कार पटना बाँस घाट पर

आजु सबेरे साढ़े नौ बजे आरा से ब्रह्मेश्वर मुखिया के मजल लेके लोग पटना खातिर रवाना हो गइल. एह मजल में सौ से बेसी गाड़ी आ हजारन लोग शामिल बा. रास्ता में अउरियो लोग एह मजल में शामिल होखत जाई आ पटना चहुँपत चहुँपत एहमें लाखन लोग के शामिल हो जाए के अनेसा प्रशासन के … Read more

 61 total views

ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या का बाद उपजल तनाव शहर में कर्फ्यू लागू

रणवीर सेना के प्रमुख रह चुकल आ नौ साल बाद जेल से रिहा हो के अप्रेल में बाहर आइल ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या का बाद उनुकर समर्थक खिसिया गइलें आ आरा समेत कई जगहा तोड़ फोड़ आ आगजनी कइलें. मुखिया के हत्या के सगरी राजनीतिक दल नि्दा कइले बाड़न आ भाजपा के सीपी ठाकुर समेत … Read more

 44 total views

ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या कर दिहल गइल

आरा में आजु सबेरे चार बजे टहले निकलल ब्रह्मेश्वर मुखिया के कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलें. कुछ महीना पहिले ब्रह्मेश्वर मुखिया अदालत से आरोप मुक्त भइला का बाद जेल से रिहा भइल रहलें. बिहार सरकार के मालूम रहे कि रणवीर सेना के पूर्व प्रमुख रहल ब्रह्मेश्वर मुखिया के जान पर हरदम खतरा … Read more

 18 total views