web analytics

सड़क हादसे में दो की मौत के बाद पथराव और पुलिस फायरिंग

सिवान 20 जून (वार्ता). बिहार के सिवान जिला के मुफ्फसिल थाना इलाका में बुध का दिने एगो पिकअप वैन से धक्का लगला का चलते दू जने के मौत हो गइल. एह हादसा से खिसियाइल लोग जम के बवाल काटल आ ओह लोग के पथराव से तीन गो पुलिसकर्मी घवाहिल हो गइलें. बाद में हालात काबू … Read more

 18 total views,  1 views today

गड़हा में डूब के तीन गो लइका मरले

सिवान के बड़हरिया इलाका के चैनछपरा गाँव का लगे एगो गड़हा मे नहाए गइल तीन गो लइका डूब के मर गइले. बाद में गांव वाले ओह लइकन के लाश गड़हा से निकलले. तीनो लाश के पोस्टमार्टम ला भेज दिहल गंइल बा. (वार्ता)  35 total views

 35 total views

सिवान के बड़हरिया आ तरवारा में दू जने के हत्या

सिवान जिला के बड़हरिया इलाका के तेतहली दक्खिन टोला के पचपन साल के झूलन सिंह शनिचर का रात में अपना दुआरी पर सूतल रहलें. सूतले में उनका के गोली मार के मुआ दिहल गइल बाकिर घर के लोग के एह बात के पता अतवार का भोर में लागल जब लोग उनका के जगावे गइल आ … Read more

 47 total views

जाँच खातिर चहुँपल इंजीनियरन के पिटाई

सिवान के बड़हरिया में बालापुर उत्क्रमित मध्य विद्यालय के भवन गिरा के ओहपर नया भवन बनावल जात रहुवे. गाँव के लोग देखल कि पुरनके मकान के ईंटा फेर से इस्तेमाल होखत बा आ सही तरीका से मकान नइखे बनावल जात. ऊ लोग विरोध कइल त निर्माण करावत प्रधानाध्यापिका आग बबूला होखे लगली. खिसियाइल लोग भवन … Read more

 30 total views

सिवान के सुन्दरपुर पैक्स अध्यक्ष पर 27 लाख गबन के मुकदमा

धान खरीदे ला मिलल पैक्स के मिलल 27 लाख रुपिया के गबन कर लेबे के आरोप लगा के सिवान राज्य खाद्य निगम के प्रबंधक सुमेश्वर पाण्डेय बड़हरिया थाना में सुंदरपुर पैक्स अध्यक्ष गणेश प्रसाद सिंह पर गबन के मुकदमा दर्ज करा दिहले बाड़न.  43 total views

 43 total views