भदोही
जहराइल खाना खा के 100 लोग बीमार आरा 07 मई (वार्ता) भोजपुर जिला के पीरो इलाका के बरौली गांव के अक्षय लाल का घरे शादी का दौरान खाना खइला का बाद करीब 100 लोग के तबियत खराब होखे लागल आ कै करे लागल लोग. सभका के आरा आ पीरो के अस्पतालन में भर्ती करावल गइल.
भगत सिंह, राजगुरु आ सुखदेव के 87 वाँ शहीदी दिवस मनावल गइल जौनपुर, 23 मार्च (वार्ता). जौनपुर के सरांवा गांव में महान क्रांतिकारी शहीद-ए-आज़म भगत सिंह, राजगुरु, आ सुखदेव के 87 वां शहीदी दिवस शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकंन आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता मनवलें. सभा में लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के
भदोही, 17 मार्च (वार्ता). भदोही शहर कोतवाली इलाका के चौबेपुर मोड़ का लगे आजु सबेरे एगो तेज रफ्तार ट्रक एगो लड़िकी के कचार दिहलसि. बतावल जात बा कि दुलमदासपुर बौलिया गांव के परवेज आलम अंसारी के 22 बरीस के बेटी जैनब बानो बीए फाइनल के छात्रा रहुवे. आजु ऊ अपना पड़ोस के एगो लड़िका तौसिफ
लखनऊ 17 मार्च (वार्ता). लोकसभा उपचुनाव के भोटगिनाई का दौरान सवालन का घेरा में आइल गोरखपुर के जिलाधिकारी राजीव रौतेला समेत 37 गो आईएएस अधिकारियन के तबादला आदेश जारी हो गइल बा. अधरतिया का बाद जारी भइल एह आदेश में गोरखपुर के जिलाधिकारी राजीव रौतेला के देवी पाटन मण्डल के आयुक्त, कानपुर विकास प्राधिकरण के
चारा घोटाला के एगो अउर मामिला में शनिचर का दिने फैसला रांची 16 मार्च (वार्ता). केंद्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत में पुरनका बिना बाँटल बिहार के कुख्यात अरबों रुपिया के चारा घोटाला के एगो मामिला, दुमका कोषागार से अवैध निकासी, के फैसला काल्हु शनिचर का दिने सुनावल जाई. सीबीआई के विशेष न्यायाधीश शिवपाल सिंह
भदोही, 16 मार्च (वार्ता). भदोही के वाराणसी-जंघई रेलखंड पर इंदिरामिल रेलवे क्रासिंग का लगे एगो मालगाड़ी से कटा के एगो अधेड़ के मौत हो गइल. पुलिस लाश के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया. बतावल जात बा कि रेवड़ा परसपुर गांव के रहेवाला चन्द्रबली (45) काल्हु साँझ घर से चलल रहलें. देर राति
राज्यसभा चुनाव में जेटली के मैदान में उतार सकेले भाजपा लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) संख्या बल का लिहाज से भारतीय जनता पार्टी खातिर बहुते खास होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में केन्द्रीय मंत्री अरूण जेटली के अलावा राज्य के कुछ अउरियो कद्दावर नेतन का नाम पर सोच विचार हो रहल बा. यूपी से राज्यसभा के
गोरखपुर में योगी जी लगवनी जनता दरबार गोरखपुर 03 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर का दिने गोरखपुर में लागल जनता दरबार में करीब 150 फरियादियन के समस्या सुननीं आ ओकरा समाधान के आश्वासन दिहनी. एहसे पहिले सबेरे साढ़े पांच बजे अपना कक्ष से निकल के योगी जी सीधे गुरू गोरक्षनाथ के
भदोही 22 फरवरी (वार्ता) भदोही के शहर कोतवाली इलाका में आजु एगो औरत के लाश मिलला से सनसनी पसर गइल. पुलिस से मालूम भइल कि अहमदगंज गजिया रेलवे क्रासिंग का लगे एगो टीनशेड में तीन गो पागल औरत कई दिन से रहत रहली सँ. ओहनिए में से एगो के लाश रहल ई. मरे वाली के
मशहूर अभिनेता आ तमिल सुपरस्टार रजनीकांत आपन अहजह खतम करत बरीस का आखिरी दिने एलान कइए दिहलन कि ऊ आपन राजनीतीक गोल बनइहें आ तमिलनाडु विधानसभा के सगरी सीट प आपन उमेदवार लड़इहें. उनुका एह एलान का बाद भाजपा में खुसुरपुसुर शुरु हो गइल बा कि उनुका गोल से हाथ मिला के तमिलनाडु में भाजपा
अपना मन का बात कार्यक्रम में आजु पीएम नरेन्द्र मोदी जी कहनी कि सभकर साथ सभकर विकास के अवधारणा देशे ले सीमित ना हो के पूरा दुनिया ला काम के बात ह. कहनी कि पड़ोसी देशनो के भारत के विकास यात्रा में साथे होखे के चाही जेहसे ओहू लोग के विकास बरोबरी में हो सके.
आजु सबेरे दस बजे का लगभीर मध्यप्रदेश में उज्जैन ओरि जात भोपाल-उज्जैन पैसेंजर ट्रेन के एगो डिब्बा में कालापीपल इलाका के जबड़ी टीसन का नियरा आतंकी बम धमाका से चार जना घवाहिल हो गइलें. एह धमाका के जाँच में पाँच आदमी प सन्देह उपजल जवना में से तीन जने के मध्यप्रदेश के पिपरिया में एगो
भारत रत्न आ आजाद हिन्दुस्तान के पहिलका राष्ट्रपति डॉ. राजेन्द्र प्रसाद के 54वीं पुण्यतिथि के अवसर पर आजु उनुका के सरधा से याद कइल गइल आ देश में कई जगहा कार्यक्रम में उनुका के श्रद्धांजलि दीहल गइल. पटना के बांसघाट प राजकीय समारोह में बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद आ मुख्यमंत्री समेत अनेके खासमखास लोग
(शनिचर सबेरे 10 बजे के अपडेट) घन कुहा आ खराब मौसम का चलते पूर्वोत्तर रेलवे के गाडी संख्या 15204 लखनऊ जं.-बरौनी एक्सप्रेस 24 फरवरी आ 3 मार्च के, अउर गाडी संख्या 15205 लखनऊ जं.-जबलपुर एक्सप्रेस 22 फरवरी आ 1 मार्च का दिने ना चलावल जइहें स. सोनभद्र जिला के शक्तिनगर इलाके में पीडब्लूडी मोड़ का
पंजाब आ गोआ में विधानसभा चुनाव ला प्रचार के काम आजु बियफे के साँझे खतम हो गइल. एह दूनू राज्यन में परसों 4 फरवरी के वोट डालल जाई. गोपालगंज जिला के दशम अपर मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के अदालत 18 बरीस पुरान हत्या के मामिला के सुनवाई करत केस डायरी पेश ना भइला से पुलिस अधीक्षक
पहिले विदेश राज्यमंत्री रह चुकल सांसद ई अहमद के मौत का बावजूद देश के अम बजट आजुवे पेश होखे जात बा. वित्त मंत्री अरूण जेटली आजु सबेरे राष्ट्रपति भवन जा के एकर औपचारिक अनुमति ले लीहलन. अबकी के बजट में रेलो के बजट शामिल रहे वाला बा आ अब रेल बजट अलगा से पेश ना
यूपी में चाचा भतीजा के रार अबहीं ले थमल नइखे आ चुनाव बाद एकरा एक बेर फेरु फफके के अनेसा बन गइल बा. आजु जसवंतनगर विधानसभा सीट से सपा प्रत्याशी के रूप में आपन नामांकन दाखिल कइला का बाद ओहिजा बोलावल सभा में शिवपाल ऐलान कइलन कि 11 मार्च का बाद ऊ नेता जी संगे
अखिलेश के राहुल से साथ से खिसियाइल मुलायम सिंह आजु एलान क दिहलन कि ऊ एह गठबन्हन ला प्रचार ना करीहन. कहलन कि एकर कवनो जरुरत ना रहल आ सपा अकेले सरकार बनावे लायक जीत हासिल क लीत अब पाँच बरीस के मौका गँवा दिहलन अखिलेश. उनुका इहो शिकायत बा कि कई लोग के टिकट
छपरा टीसन प आजु सबेरे मुम्बई से मुजफ्फरपुर जात पवन एक्सप्रेस के एगो कोच में तलाशी लेत रेल पुलिस का हाथे एगो झोरा लागल जवना के केहु दावेदार ना बनल. ओह झोरा से ढेरे असलहा बलामद भइल बा. सवारियन से पूछला से कुछऊ थाह ना लाग पावल. यूपी चुनाव घोषणा का बाद कानून व्यवस्था बनवले
बिहार आ यूपी का परिवहन विभागन का बीच पिछला मई महीना में भइल समझौता के लागू करत बिहार सरकार सात गो रूटन प बस चलावे के इजाजत दे दिहलसि. बिहार राज्य परिवहन प्राधिकार के बैठक में एह बसन ला परमिट जारी कइल गइल बा. अब बिहार राज्य पथ परिवहन निगम एह रुटन पर आपन बस
Older Posts››