Go to ...
RSS Feed

भदोही

टटको में टटका खबर : 24 सितंबर 2014, बुध

बिहार आ यूपी के खबर – दिवंगत गोरक्षपीठाधीश्वर महंत अवैद्यनाथ के श्रद्धांजलि सभा गोरखपुर में भइल जवना में साधु सन्त, हिन्दू संगठन के पदाधिकारी आ भाजपा नेता शामिल भइले. एह सभा में कहल गइल कि राम मंदिर बनवावे के महंत जी के संकल्प हर हाल में पूरा कइल जाई. बिहार का मुजफफरपुर जिला के गायघाट

टटको में टटका खबर : 22 सितंबर 2014 से

बिहार आ यूपी के खबर – यूपी के राज्यपाल नाम नाईक कुलपतियन के समय सीमा का भितरे परीक्षा करावे, परिणाम घोषित करे आ नया सत्र शुरू करावे के निर्देश दिहले. इलाहाबाद उच्च न्यायालय आदेश दिहले बावे कि कंपनीबाग में कवनो तरह के व्यावसायिक भा सामाजिक समारोह ना कइल जा सके. बिहार के जल संसाधन मंत्री

टटका खबर : 21 सितंबर 2014

टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, कैमूर आ भभुआ जिला के खबर पर एक नजर) आरा रमना मैदान के सांस्कृतिक भवन में होखत एगो समारोह का दौरान कुछ लोग एगो आदमी के चोर बता के जमा के धुनाई क दिहल. आधा घंटा ले पिटाई चलत रहल बाकिर पुलिस के कहीं पता ना रहे. बहोरनपुर

टटका खबर : 20 सितंबर 2014

टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर) तरारी थाना क्षेत्र के हरदिया गाव में दहेज खातिर बियहुता के हत्या करे आ सुबुत मेटावे के मामिला सामने आइल बा. मरे वाली के भाई ओकरा पति समेत आठ जने प मुकदमा लिखववले बाड़न. शुक का दिने पीरो, ईमादपुर, अगिआव

टटका खबर : 19 सितंबर 2014

टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के खबर पर एक नजर) गजराजगंज चौकी के मसाढ़ गांव में बियफे रात पड़ल छापा में भूसा में लुका के राखल डेढ़ क्विंटल गांजा बरामद भइल बाकिर अपराधी भाग निकलल. नवादा थाना के बाइपास बस पड़ाव पर बियफे का दिने छापा मार के छह गो

टटका खबर : 18 सितंबर 2014

टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, कैमूर आ भभुआ जिला के खबर पर एक नजर) अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद बक्सर के एमवी कालेज में मंगल का दिने छात्र सम्मेलन सह कालेज इकाई पुनर्गठन समारोह मनवलसि जवना के अध्यक्षता अभाविप के नगर उपाध्यक्ष डा.यशवंत कुमार कइलन. बक्सर रामलीला मैदान में मंगल का दिने विधि विधान

टटका खबर : 17 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु विश्वकर्मा पूजा आ पीएम नरेन्द्र मोदी के जनमदिन ह. आजुए चीन के राष्ट्रपति भारत के दौरा पर अइहें आ अहमदाबाद से यात्रा के शुरुआत करीहें. खास बात बा कि एह दौरान भारत के राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी चीन के यात्रा पर बाड़ें. टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ कैमूर जिला के

टटका खबर : 16 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु 33 गो विधानसभा सीट पर भइल उपचुनाव के वोट गिनल जाई. ठठको में टटका खबर खातिर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर जाईं. आजु जिउतिया पर्व ह. काल्हु विश्वकर्मा पूजा आ पीएम नरेन्द्र मोदी के जनमदिन ह. काल्हुए चीन के राष्ट्रपति भारत के दौरा पर अइहें. टटका आरा (बिहार के भोजपुर, रोहतास, बक्सर, आ

टटका खबर : 15 सितंबर 2014

टटका जानकारी आजु जिउतिया के नहाय खाय ह. उपचुनाव के वोट काल्हु गिनल जाई. जिउतिया काल्हु मनावल जाई. टटका आरा जीत दिल्ली में आ जुलूस आरा में. जेएनयू छात्रसंघ चुनाव में नक्सली समर्थक आइसा के जीत पर आरा शहर में जुलूस निकालल गइल. तरारी प्रखंड के ईमादपुर थाना के चारूग्राम में जमीन कब्जा के विवाद

टटका एबीसीडी : 14 सितंबर 2014

टटका आरा डेहरी आन सोन में बिजली के नया कनेक्शन देबे खातिर 18 तारीख से शिविर लगावल जाई. बिक्रमगंज थाना के धारुपुर में एगो ढोंगी धन दुगना करे का नाम पर पांच लाख रुपिया नगद आ लाखों के गहना ले के भाग गइल बा. अब ओकरा खिलाफ थाना में केस लिखवावल गइल बा. सासाराम में

टटका खबर : 12 सितंबर 2014

टटको में टटका खबर भोजपुरिका डाॅट काॅम पर प्रकाशित होखल करी आ दिन भर के खबर बिटोर के बाद में एहिजा सिलसिलेवार डालल जाई. टटका भारत करोडों रूपिया के सारधा चिट फंड घोटाला में आरोपी आ पश्चिम बंगाल के पुलिस महानिदेशक रहल तृणमूल कांग्रेस नेता रजत मजुमदार के 16 सितंबर तक ले सीबीआई के हिरासत

बलिया न्यूज ८ फरवरी २०१४

पुलिस महानिदेशक बनला का बाद पहिला बेर अपना गाँवे, बलिया के अवाँया गाँव, आइल रिजवान अहमद बतवलन कि सरकार जल्दिए चालीस हजार सिपाहियन के बहाली करी. रिजवान अहमद के उनका गाँवे प गार्ड आफ आनर दिहल गइल. मऊ जिला के हलधरपुर थाना के सहुआरी गाँव के सैकड़ो साल पुरान शिवमन्दिर प लागल सोना के त्रिशूल

क्रांतिकारी ठाकुर झूरी सिंह के याद कइल गइल

जौनपुर 21 अक्टूबर (वार्ता) जौनपुर जिला के सरांवा गांव में शहीद लाल बहादुर गुप्त स्मारक पर आज हिन्दुस्तान सोशलिस्ट रिपब्लिकल आर्मी आ लक्ष्मीबाई ब्रिगेड के कार्यकर्ता महान क्रांतिकारी ठाकुर झूरी सिंह के 197वां जनमदिन मनवले. एह मौका पर शहीद स्मारक पर मोमबत्ती आ अगरबत्ती जरा के दू मिनट के मौन राखल गइल आ क्रांतिकारी झूरी

फाइलिन तूफान के असर पूर्वांचलो में पड़ल आ चौदह लोग मरल

उडीसा आ आन्ध प्रदेश मे आइल फाइलिन तूफान के असर पूर्वांचल के जिलो मे महसूस कइल गइल आ एह दौरान तेज हवा आ बरखा का चलते चौदह लोग के जान चल गइल बा आ हजारो एकड़ के फसल खराब हो गइल बा. बहुते गाछ, मकान, बिजली के खंभा एह तूफान में गिरल आ बुध का

कजरी के कार्यक्रम

भोजपुरी इलाकन में मौसम का हिसाब से गीत गवनई चलेला. फागुन में फगुआ त चैत में चइता चइती. सावन भादो का महीना में ओही तरह कजरी के जोर रहेला. बियफे का दिने भदोही जिला के नेवाजीपुर गांव में कजरी के कार्यक्रम भइल जवना में वाराणसी के कजरी गायिका सीमा पटेल आ भदोही के पन्नालाल का

ज्ञानसरोवर के ओकरा पुरनका रूप में ले आवे के तइयारी

ज्ञानपुर भदोही के ज्ञान सरोवर के गौरव लवटावे खातिर नगर पंचायत अध्यक्ष हीरालाल मौर्य के पहल पर सफाई अभियान शुरू भइल बा. शहर के मोरी अब एह सरोवर में गिरावल बंद कर दिहल गइल बा मोटर पंप लगा के गंदा पानी निकालल जात बा. एक जमाना में ज्ञान सरोवर के पानी अपना चिकित्सकीय गुण खातिर

ज्ञानपुर में बाबा गगेश्चर नाथ के दर्शन पूजन

ज्ञानपुर भदोही में गंगा तट पर बनल बाबा गंगेश्वरनाथ मंदिर में बुध का दिने भव्य श्रृंगार क के श्रद्धालु दर्शन-पूजन कइलें. एह पूजन का मौका पर भजन संध्या के आयोजन भइल जवना में भोजपुरी गायक राजेश परदेशी, अनामिका मिश्रा, अर्चना तिवारी अपना अपना गवनई से लोग के रिझवलें. बाद में मंदिर के महंत कलाकारन के

भदोही रजवाहा फेर टूटल

शनिचर का दिने भदोही के गौरा गांव का लगे भदोही रजवाहा फेर टूट गइला से हड़कंप मच गइल आ मुख्य नहर से पानी के निकास बंद कर दिहल गइल जेहसे रजवाहा के मरम्मत कइल जा सके. कुछ दिन पहिले बियफहू के रजवाहा टूटल रहुवे आ तब गाँव के लोग अपने से लगभीड़ के बान्ह दिहले

भदोही जिला में जमीन के झगड़ा में गोली चलला से एक जने मरले

भदोही के पट्टी बेजांव गाँव में अतवार का दिने जमीन का झगड़ा में लाठी गोली दुनु चलल आ एह झगड़ा में एक जने के मौत हो गइल. आ चार जने घवाहिल हो गइलें.

ग्राम प्रधान के गोली मार के हत्या

भदोही के नई बाजार इलाका के रैमलपुर गाँव के प्रधान अच्छेलाल मौर्य के शुक का दिने कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलें. बतावल जात बा कि उनका संगही मोटरसाइकिल पर ग्राम रोजगार सेवक प्रमोद कुमार मौर्यो सवार रहले. प्रधान के लाश शनिचर का दिने सुरइन इलाका सड़क किनारे मिलल. पुलिस अब प्रमोद कुमार

‹‹Newer Posts