web analytics

चौदह गो खबर, 18 मार्च 2018, अतवार

हम के बागी नेता नरेंद्र सिंह जदयू में शामिल होखिहें पटना 18 मार्च (वार्ता) हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा (हम) के बागी नेता नरेंद्र सिंह गोल पर दावा करत अपना समर्थकन समेत राजग के घटक जनता दल यूनाईटेड में शामिल होखे के एलान कइलन. कहलन कि गोल के बइठक में जीतन राम माँझी के हटा के सीनियर … Read more

 103 total views

भभुआ से भाजपा आ जहानाबाद से राजद जीतल

पटना 14 मार्च (वार्ता). भभुआ से भाजपा के रिंकी रानी पांडेय कांग्रेस के शंभु पटेल के करीब 16 हजार भोट का अंतर से हरा के एह सीट पर भाजपा के कब्जा बरकरार रखववली. ई सीट उनुके पति आनंद भूषण पांडेय के निधन का चलते खाली भइल रहुवे. जहानाबाद विधानसभा क्षेत्र से मुख्य विपक्षी पार्टी राजद … Read more

 72 total views

भोजपुरी पट्टी से टटका खबर, 12 मार्च 2018, सोमार

वाराणसी आ पटना के बीचे सफर भइल आसान वाराणसी, 12 मार्च (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु मंडुवाडीह रेलवे स्टेशन पर ‘‘जन शताब्दी एक्सप्रेस” के हरियर झंडी देखाके बिहार के राजधानी पटना ला रवाना करवलन. बतावल जात बा कि ई गाड़ी संख्या 15125 वाराणसी के मंडुवाडीह टीसन से रोज सबेरे सवा छह बजे रवाना होखल करी … Read more

 79 total views

बिहार आ यूपी मिला के तीन गो लोकसभा सीट आ बिहार विधानसभा के दू गो सीटन ला भोटिंग शुरू

लखनऊ आ पटना, 11 मार्च (वार्ता) बिहार में लोकसभा के अररिया सीट आ विधानसभा के दू गो सीटन – जहानाबाद आ भभुआ – पर आ यूपी के – गोरखपुर आ फूलपुर – लोकसभा सीटन पर आजु करावल जा रहल भोटिंग सबेरे सात बजो से शुरू हो गइल बा. इलाहाबाद से खबर मिलत बा कि बूथ … Read more

 73 total views

टटका खबर, 4 मार्च 2018, अतवार

राज्यसभा चुनाव में जेटली के मैदान में उतार सकेले भाजपा लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) संख्या बल का लिहाज से भारतीय जनता पार्टी खातिर बहुते खास होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में केन्द्रीय मंत्री अरूण जेटली के अलावा राज्य के कुछ अउरियो कद्दावर नेतन का नाम पर सोच विचार हो रहल बा. यूपी से राज्यसभा के … Read more

 118 total views

टटका खबर, भोजपुरी पट्टी से, 3 मार्च 2018, शनिचर

गोरखपुर में योगी जी लगवनी जनता दरबार गोरखपुर 03 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर का दिने गोरखपुर में लागल जनता दरबार में करीब 150 फरियादियन के समस्या सुननीं आ ओकरा समाधान के आश्वासन दिहनी. एहसे पहिले सबेरे साढ़े पांच बजे अपना कक्ष से निकल के योगी जी सीधे गुरू गोरक्षनाथ के … Read more

 106 total views

उपचुनाव में भभुआ उम्मीदवार का चलते कांग्रेस में कलह

पटना 21 फरवरी(वार्ता) बिहार के भभुआ विधानसभा उप चुनाव में कांग्रेस के शंभू पटेल के उम्मीदवार बनवला ले के गोल का भीतर कलह शुरू हो गइल बा. कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष रहल आ विधान परिषद के सदस्य अशोक चौधरी के कहना बा कि महज उम्मीदवार उतार दिहला से चुनाव ना जीतल जाव. जीते ला कांग्रेस … Read more

 161 total views

टटका खबर, अतवार, 4 जून 2017

भारत के बी साई प्रणीत आपन पहिला गेम हारला का बादो हिम्मत ना हरलन आ बाद में इंडोनेशिया के जोनाथन क्रिस्टी के 17-21, 21-18, 21-19 से हरावत थाईलैंड ओपन बैडमिंटन टूर्नामेंट के खिताब जीत लिहलन. एह सफलता ला पीएम मोदी उनुका के बधाई भेजले बाड़न. पइसा कमाए ला इज्जति नीलाम क देबे वाला बीसीसीआई के … Read more

 52 total views

आरा सासाराम रेल लाइन पर 200 के कचारत चल गइल ट्रेन

शनिचर के साँझ खानि आरा सासाराम रेल लाइन पर चौराई भेलाई मोड़ का नियरा सासाराम से भभुआ जाए वाली इंटरसिटी एक्सप्रेस का सोझा अचानके में भेड़न के झुण्ड रेल लाइन पार करत आ गइल आ ड्राइवर के लाख कोशिश का बादो इमरजेन्सी ब्रेक ना लाग सकल आ ट्रेन सभके कचारत आगे बढ़ गइल. एह चलते … Read more

 167 total views

कैमूर जिले के भभुआ नगर परिषद के अधयक्ष चुनइलें बजरंग बहादुर

कैमूर के भभुआ नगर परिषद के अध्यक्ष रहल अमरदेव सिंह का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पारित भइला का बाद करावल चुनाव में एह पद पर बजरंग बहादुर सिंह चुना गइलन. भभुआ के चौबीस गो पार्षदन में से चौदह गो पार्षद बजरंग बहादुर सिंह के पक्ष में वोट कइलन.  167 total views

 167 total views

बिहार का भभुआ हरियर शहर बन गइल

भभुआ 16 जनवरी (वार्ता) पिंक सिटी का नाम से मशहूर जयपुर के बाद बिहार के भभुआ शहर आब .ग्रीन सिटी बन गइल बा. एह बात के एलान करत कैमूर के जिलाधिकारी अरविंद सिंह कहलन कि छह महीना पहिले नगर परिषद आ नागरिकन के बइठक में तय भइल रहे कि शहर के हरियर रंग से रंगल … Read more

 167 total views

भभुआ १२ जनवरी २०१४

भगवानपुर प्रखंड के मातर गांव के योगेन्द्र केवट के अपहरण का मामिला मे लापरवाही बरते का चलते बाद मे हो ओकर हत्या भइला का बाद पुलिस अधीक्षक रत्‍‌नमणि संजीव भगवानपुर थानाध्यक्ष ओमप्रकाश सिंह के लाइन हाजिर करा दिहले. जिला के 8 गो प्रखंड में पंचायत उपचुनाव खातिर परचा दाखिल का बाद चैनपुर, भगवानपुर, कुदरा आ … Read more

 145 total views

हत्या के आरोपी के मिलल उमिर कैद

भभुआ 13 नवम्बर (वार्ता) कैमूर जिला के अदालत हत्या करे वाला एगो आरोपी के आजु उमिर कैद के सजा सुनवलसि. अपर जिला एवं सत्र न्यायाधीश अशोक कुमार मामिला के सुनवाई कइला का बाद मोहनिया थाना के कटैया गांव के रहवइया राजेश राय के गांवे के एक आदमी विनोद राय के हत्या करे के दोषी मानत … Read more

 176 total views

चापाकल के पानी पी के दू गो मास्टर समेत तीन लोग बेहोश

भभुआ 30 अक्टूबर (वार्ता) कैमूर जिला के दुर्गावती इलाका के दहियावाँ गांव में एगो प्राथमिक विद्यालय मे चापाकल के पानी पीयला का बाद दू गो शिक्षक आ एगो रसोईया समेत तीन आदमी बेहोश हो गइल. पानी पीयते ओह लोग के तबियत खराब होखे लागल आ उ लोग बेहोश हो गइल. एह लोग के अस्पताल में … Read more

 228 total views

हैडपंप के पानी पीयला से नौ गौ बच्चा समेत एगारह जने बीमार

भभुआ 26 अक्टूबर (वार्ता) कैमूर जिला के दुर्गावती इलाका के खमीदौरा मध्य विद्यालय मे हैडपंप के पानी पीयला से नौ गो बचवन समेत एगारह लोग के तबियत खराब हो गइल बा. पुलिस बतवलसि कि नौ गो विद्यार्थी, एगो शिक्षक, आ रसोईया समेत एगारह लोग स्कूल में लगावल हैंडपंप के पानी पी के बीमार पड़ गइल … Read more

 152 total views

भभुआ में दू जने गांजा का साथ गिरफ्तार

कैमूर जिला के दुर्गावती इलाका में शेरशाह सूरी रोड पर आजु सबेरे पुलिस छापामारी क के एगो ट्रक मे ले जाइल जात चार क्विंटल 68 किलोग्राम गांजा का सांगे ट्रक ड्राइवर आ खलासी के गिरफ्तार कर लिहलसि. पुलिस के सूचना मिलल रहे कि कुछ तस्कर एक ट्रक गांजा लेके उड़ीसा से वाराणसी ओर जात बाड़े, … Read more

 180 total views

मुठानी टीसन का लगे एगो औरत कटा गइल

पूर्व मध्य रेलवे के गया मुगलसराय रेल खंड पर भभुआ जिला के मुठानी टीसन का लगे आजु गया से मुगलसराय जाए वाली एगो मालगाड़ी से कटा के एगो औरत के मौत हो गइल. तीस साल के उ औरत लाइन पार करत रहुवे जब गाड़ी आ गइल. लाश एह तरह से छत विछत हो गइल बा … Read more

 152 total views

भभुआ पटना इंटरसिटी चालू हो गइल

लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार काल्हु कैमूर जिला के भभुआ रोड टीसन पर भभुआ पटना इंटरसिटी एक्सप्रेस के हरियर झंडी देखा के रवाना करवली आ खुदहू सासाराम ले साधारण डिब्बा में सवारी कइली. ई ट्रेन सासाराम आरा होत भभुआ आ पटना का बीच चलावल जाई.  141 total views

 141 total views

कैमूर में तीन दर्जन लड़िका चापाकल के पानी पी के बेमार पड़ले

कैमूर के चैनपुर प्रखंड के फकीराबाद में मध्यविद्यालय के दर्जनो छात्र आ कुछ शिक्षक चापाकल के पानी पी के बेमार पड़ गइले. तबियत अधिका खराब होखे लागल त सभे के सदर अस्पताल भभुआ भेज दिहल गइल. सिविल सर्जन के कहना बा कि एह लोग में जहर के कवनो लक्षण नइखे मिलत. हो सकेला कि खराब … Read more

 160 total views

आरा सासाराम इंटरसिटी अगिला हफ्ता से

भभुआ से सासाराम होत पटना का बीच इंटर सिटी एक्सप्रेस अगिला 17 अगस्त से चलल शुरू हो जाई. इलाका के लोग ढेर दिन से एह ट्रेन ला तिकवत रहुवे. बतावल जात बा कि एह ट्रेन के लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार हरियर झंडी देखा के रवाना करवइहें. छत्तीस साल पहिले सासाराम पटना नैरो गेज लाइन बंद … Read more

 168 total views