भाजपा
मोदी सरकार में मंत्री ना बनावल गइला पर छिरियाइल यशवन्त सिन्हा के कहना बा कि नीतीश कुमार नामे भर के मुख्यमंत्री रहीहन बिहार के. भाजपा उनुका के तबले निचोड़ी जब ले ऊ बजान परान के नइखन हो जात. आजु थोड़ही देर बाद नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद के किरिया लेबे जात बाडन. आजु होखे वाला किरिया
बिहार में भाजपा गठबन्हन के जीत आ पूरा देश में भइल उपचुनाव में भाजपा के मिलल शानदार सफलता का खबर का बीच शेयर बाजार के बड़हन आ ऐतिहासिक उछाल के खबर दबा गइल. काल्हु देश के शेयर बाजार एगो नया इतिहास बनावत अबले के सबले ऊँच निशाना लगा दिहलसि. बीएसई सेंसेक्स पहिला बेत 43277 अंक
बिहार में महाराष्ट्र राज आवे के अनेसा बनि गइल बा. काल्हु सुदर्शन टीवी छोड़ सगरी चैनलन पर आइल एक्जिट पोल में तेजस्वी के सरकार बने के उमेद देखावल गइल बा. अगर तेजस्वी के सरकार आ गइल त बिहारो में महाराष्ट्र राज आ जाई काहे कि एहू सरकार का पिछवाड़ा में राकांपा आ शिवसेना के रणनीतिकार
बिहार विधानसभा चुनाव के एलान होखला का साथही चुनावी बेंगन के टरटराइल शुरु हो गइल बा. तरह-तरह के आकलन आवे लागल बा बाकिर एह टरटराहट में जवन एक बाति साझा लउकत बा ऊ ई कि अबकी के चुनाव भाजपा के अगुअई वाला राजग का पक्ष में तय बा. लोग नीतीश से नाराजो बा बाकिर अतना
विरोध जब खाली विरोध का नाम पर होखे लागे, बिना सोचले विचरले होखे लागे त उहे होला जवन आजु खेती से जुड़ल बिल पर हो रहल बा. विपक्ष के त बस विरोध करे के बा. हँ सरकार में शामिल शिरोमणि अकाली दल के अकेला मंत्री हरसिमरत कौर बादल के एह मुद्दा के बहाना बना के
बिहार विधानसभा चुनाव के घोषणा से पहिलहीं छरपा-छरपी के दौर चालू हो गइल बा. एह दौरान विरोधियन के नाथे के कोशिश त होखते बा अपना संघतियनो के जगहा देखावे के कोशिश हो रहल बा. नीतीश आ पासवान में कबो पटल ना बाकिर एह घरी भाजपा नीत राजग में दुनू गोल शामिल बा. एकरा बावजूद एक
बिहार विधान सभा चुनाव ला चुनाव अभियान के शुरुआत जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार का दिने ऑनलाइल रैली क के करीहें. एकर जानकारी देत जदयू के आधिकारिक बोलतुआ रंजन प्रसाद यादव देत बजवलें कि जगहे जगह एकर प्रसारण कइल जाई जहाँ बिटोराइल लोग उनुकर भाषण सुनीहें. प्रदेश महासचिव शम्भूनाथ
तजिया निकाले के इजाजत देबे से मना कर दिहलसि सुप्रीम कोर्ट. यूपी के शिया नेता सैयद कल्बे जव्वाद अदालत से गोहार लगवले रहलें कि मोहर्रम पर तजिया जुलूस निकाले के इजाजत दीहल जाव जइसे कि पुरी रथयात्रा के दीहल गइल रहुवे. अदालत कहलसि कि पुरी रथ यात्रा से तजिया के तुलना ना कइल जा सके.
NEET आ JEE(Main) परीक्षा टारे खातिर हो रहल लगातार नेतागिरी का बावजूद परीक्षा अबहीं टरल नइखे. केन्द्र सरकार नइखे चाहत कि विद्यार्थियन के एक साल बरबाद हो जाव. काल्हु नीट परीक्षा में शामिल होखे जात करीब सात लाख परीक्षार्थी पहिले दिने आपन एडमिट कार्ड नेट से उतारि लिहलें. जी (मेन) परीक्षा कें करीब साढ़े सात
कांग्रेस में अध्यक्ष पद पर गाँधिए परिवार के कवनो बेकत के बनवले राखे ला परिवार सेवक जोर लगवलें. नइखन चाहत कि कांग्रेस में कवनो दोसर आदमी अध्यक्ष बन जाव. कांग्रेस के आगरा जिला अध्यक्षा के एगो स्चिंग मीडिया में सामने आइल बा जवना में पार्टी चलावे के नाम पर एगो बिजली कंपनी से खुलेआम चन्दा
काल्हुवे राजीव गाँधी फाउन्डेशन के नाजायज बतावल जात दान आ चन्दा के जाँच करवावे के फैसला केन्द्र सरकार करुवे आ आजु भोरहीं में विकास के गिरफ्तारी हो गइल. बिना कवनो सोर पात के बड़हन गाछ बनावे वाला अंदाज में कहल जा सकेला कि गाँधी परिवार के भठियरपन के जाँच वाली खबर पर देश में हो
राज्य सभा खातिर होखत चुनाव में कर्नाटक से चार गो आ अरुणांचल प्रदेश से एगो सदस्य बिना विरोध के चुना गइलें. काहे कि एहिजा ओतने लोग परचा दाखिल करुवे जतना सीट रहुवे. पिछला लोकसभा चुनाव में हारल आ पहिले पीएम रह चुकल एच डी देवेगोड्डा आ लोकसभा में कांग्रेस के नेता रहल मल्लिकार्जुन खडगे एह
दुनिया का साथही भारतो चीन से आइल कोरोना वायरस के मार से जूझ रहल बा आ सभे अपना अपना बेंवत भा कूवत भर एह काम में मदद करे में लागल बा. गोरखपुर के भाजपा सांसद आ फिल्म अभिनेता रवि किशनो बतौर सांसद मिलेवाला आपन एक महीना के तनखाह प्रधानमंत्री राहत कोष में देबे के एलान
महाराष्ट्र में सरकार बनावे का फेर में अपना औकात से बाहर जाके फउँके का फेर में शिवसेना आपन जवन हाल कर लिहलसि तवना पर भोजपुरी में कई एक गो कहाउत बा. खबर त सभे जानत बा बाकिर खबर का बहाने एह कहाउतन के चरचा कइल हमरा बेसी सही लागत बा. जतवो गइल भतवो ना मिलल
कश्मीर विधेयक पर कांग्रेसी रुख से नाराज ओकर राज्यसभा सांसद भुवनेश्वर कलिता काल्हु भाजपा आ गइलन. जान जाईं कि भुवनेश्वर कलिता राज्य सभा में कांग्रेस के ह्विप रहलन आ एह मुद्दा पर ह्विप जारी करे मना कर दिहलन. नैतिकता का चलते ऊ आपन सांसदी तज दिहले रहलन. अब उड़ीसा के एह कद्दावार नेता के भाजपा
एगो पुरान कहानी सुना के एह खबर के शुरुआत कइल चाहत बानी. दू गो भाई एके साथ रहलें बाकिर एक जने मांसाहारी त एक जने शाकाहारी रहलन. एह चलते अलगा परिवार ना होखला का बावजूद दुनु जने के थरिया बरतन अलग-अलग रहुवे. एक दिन मांसाहारी भाई गलती से कहीं भा दबंगई देखावे का फेर में
इन्द्रजीत सरोज (सपा) 38722 विनोद कुमार सोनकर (भाजपा) खेरी 28 अजय कुमार (भाजपा) डॉ पूर्वी वर्मा (सपा) 218807 अजय कुमार (भाजपा) कुशी नगर 65 विजय कुमार दूबे (भाजपा) नथुनी प्रसाद कुशवाहा (सपा) 337560 राजेश पाण्डेय उर्फ गुड्डू (भाजपा) लालगंज 68 संगीता आजाद (बसपा) नीलम सोनकर (भाजपा) 161597 नीलम सोनकर (भाजपा) लखनऊ 35 राजनाथ सिंह (भाजपा)
इलाका क्रमांक जीतल उम्मीदवार जीतल गोल हारल उम्मीदवार हारल गोल वोट में फरक पहिले के रहल अररिया 9 प्रदीप कुमार सिंह भाजपा सरफराज आलम राजद 137241 तस्लीमुद्दीन (राजद) आरा 32 राज कुमार सिंह भाजपा राजू यादव माले 147285 राज कुमार सिंह (भाजपा) औरंगाबाद 37 सुशील कुमार सिंह भाजपा उपेन्द्र प्रसाद हिअमोसे 72607 सुशील कुमार सिंह
कांग्रेस के मलिकार पचासा पार करत जवान बाकिर बोली से बबुआ राहुल गाँधी के अब अमेठी सुरक्षित नइखे लागत. बुझा गइल बा, भा उनुका के उनुके लगुआ-भगुआ बुझवा दिहले बाड़ें सँ कि अबकी अमेठी का भरोसे रहल ठीक नइखे. ओहिजा भाजपा उमीदवार स्मृति ईरानी बहुते भारी पड़ गइल बाड़ी राहुल पर. पिछलो बेर राहुल के
आजु बिहार के लोकसभा सीटन पर एनडीए उमीदवारन के लिस्ट जारी क दीहल गइल. पटना में भाजपा कार्यालय मे भाजपा, जदयू, आ लोजपा के प्रदेश अध्यक्षन के मौजूदगी में ई लिस्ट जारी कइल गइल. सबले खास ई रहल कि बरीसन से बकबकात शत्रुघ्न सिन्हा के जीपीएल देत सूची में नइखे राखल गइल. उनुका बदले पटना
Older Posts››