web analytics

राममंदिर आ धारा ३७० हमेशा से भाजपा के एजेंडा में बा

अपना दू दिन का बिहार प्रवास का आखिरी दिने भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह कहलन कि राम मंदिर आ धारा ३७० हटावे के प्रस्ताव हमेशा से भाजपा का एजेंडा में रहल बा बाकिर गठबन्हन का राजनीति का चलते ओकरा के दबा देबे के पड़ेला. कहलन कि अगर भाजपा के बहुमत मिल गइल त एकरा के पूरा … Read more

 227 total views

नीतीश का बढ़ावा पर जदयू के लोग भाजपा कार्यकर्तन पर हमला कइलें

आजु के विश्वासघात दिवस मनावत भाजपा कार्यकर्ता लोगन से जदयू के लोगन के कई जगहा पर झड़प भइल जवन पटना में ई झड़प हिंसक हो गइल आ अनेके लोग घवाहिल हो गइल. जदयू के एगो नेता मुन्ना पटेल के गाड़ी से रायफल मिलल. ऊ रायफल ले के बंद समर्थकन के रोके निकलल रहलन. आजु सबेरे … Read more

 225 total views

बिहार में भाजपा जदयू गोलबंदी टूट का कगार पर

पिछला सतरह साल से चलल आवत भाजपा आ जदयू के गोलबंदी अब टूटे वाला बावे काहे कि नीतीश कुमार कवनो तरह से नरेन्द्र मोदी के सकारे के पक्ष में नइखन. उनका मालूम बा कि एक बेर अगर नरेन्द्र मोदी प्रधानमंत्री बन गइलन त नीतीश के नंबर कहियो ना आई. संयोग से दुनु जने समाज के … Read more

 237 total views

दिल्ली के राह यूपी से बनावल जाई, कहलें अमित शाह

नरेन्द्र मोदी के बहुते करीबी आ उत्तर प्रदेश भाजपा के प्रभारी अमित शाह काल्हु यूपी अइलें जहाँ लखनऊ के अमौसी हवाई अड्डा पर उनकर गरमजोशी से स्वागत भइल. अमित शाह कहलन कि उनुका पूरा भरोसा बा कि अगिला लोकसभा चुनाव का बाद केन्द्र में भाजपा नीत एनडीए के सरकार बनी आ एकर नींव यूपी से … Read more

 245 total views

भाजपा के चेहरा बन गइलें नरेन्द्र मोदी

अगिला लोकसभा चुनाव से पहिले भाजपा आपन चेहरा तय कर लिहलसि आ ई चेहरा होखी गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के जिनका खिलाफ कांग्रेस, ओकर पोसुआ मीडिया, सेकूलरन के जमात का साथही भाजपो के बड़का बड़का लोग खड़ा बा. भाजपा के पुरान नेता लालकृष्ण आडवाणी भाजपा के ओह मीटिंग में शामिल ना भइले जवना में … Read more

 223 total views

गोरखपुर के योगी आदित्योनाथ मोदी का खिलाफ खड़ा भइलन

गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री खातिर उम्मीदवार मत बनावे भाजपा आ एह पद ला सबले बढ़िया रहीहें लालकृष्ण आडवाणी. योगी के कहना बा कि जइसे पहिले आडवाणी अपना लोकप्रियता का बावजूद अटल जी के साथ जोड़ी बनवलन आ राजग के सरकार बन गइल वइसहीं अब मोदी … Read more

 324 total views

जरला पर नून छिरिकलें रुढ़ी

महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में राजग के पी क़े शाही के हरला से आहत जदयू के घाव पर नून छिरिकत भाजपा महासचिव राजीव प्रताप रुढ़ी काल्हु कहलन कि मोदी के जतना जरूरत भाजपा के बा ओतने जदयूओ के बा. एह बात पर जदयू तुरते आपन विरोध जतवलसि आ कहलसि कि बिहार में कवनो दोसर नेता के … Read more

 254 total views

सरकार के हद में रहे के माँग कइले भाजपाई

भाजपा के लोग आजु लखनऊ में राज्यपाल के ज्ञापन सँउपले जवना में माँग कइल गइल बा कि सपा सरकार के सीमा में रहे के कहल जाव. आ फैजाबाद बम विस्फोट के आरोपी खालिद मुजाहिद के परिवार के छह लाख के मुआविजा देबे आ आल इंडिया इत्तेहाद-ए-मिल्लत काउंसिल के राष्ट्रीय अध्यक्ष मौलाना तौकीर रजा खां के … Read more

 276 total views

जदयू फेर भाजपा से फरका लउकल शुरू कइलसि

एने कुछ समय से जदयू कांग्रेस से गलबहिया करे का फिराक में अपना पुरान साथी भाजपा से बात बात में फरका चाल चलल शुरू कर दिहले बिया. राष्टंपति चुनाव में कांग्रेसी उम्मीदवार के वोट दिहलसि, त अब फेर कोयला घोटाला में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से इस्तीफा माँगे के भाजपा के जोर पर आपन विरोध दर्ज … Read more

 281 total views,  5 views today

तनातनी का बीच भाजपा आ जदयू गठबन्हन के इम्तिहान

बिहार विधान परिषद के तीन गो सीट खाली होखे वाला बा. एहमें से एगो जदयू का लगे रहल जबकि दू गो राजद का लगे. एह सीड़न के उपचुनाव में भाजपा चाहत बिया कि एक सीट ओकरा के दे दिहल जाव. उपचुनाव खातिर २९ अप्रेल ले नामांकन भरे के मौका बा जबकि जरूरी भइल त मतदान … Read more

 253 total views,  5 views today

भाजपा के लहरा के नीतीश चुप्पी साध लिहलें

नरेन्द्र मोदी का खिलाफ अपना भड़काउ भाषण से भाजपा के लहरा के नीतीश अब चुप्पी साध लिहले बाड़न. ओने भाजपा का तरफ से आधिकारिक बयान में कहल गइल बा कि मोदी के नीतीश से सर्टिफिकेट लिहला के कवनो जरूरत नइखे. भाजपा में सभे सेकूलर बा. नीतीश के भाषण से अनराज बिहार के नेता काल्हु दिल्ली … Read more

 248 total views,  5 views today

टोपी पहिरे खातिर मोदी के पगड़ी उछाल दिहलन नीकु

जदयू के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के दिल्ली में भइल बइठका का दोसरका आ आखिरी दिने नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी के नाम लिहले बिना उनकर पगड़ी उछाल दिहलन. कहलन कि राजनीति में रहे खातिर कबो टोपियो पहिरे के पड़ी त कबो टीको लगवावे के पड़ी. नीकु का भाषण का बाद साफ हो गइल कि एनडीए में भाजपा … Read more

 297 total views

रुडी तीन सौ सीट जीते के दावा कइलन

भाजपा के राष्ट्रीय महासचिव चुनाइल सांसद राजीव प्रताप रुडी पिछला दिने सोमार के जब पटना अइलन त उनकर जोरदार स्वागत भइल. रुडी के स्वागत करे छपरो से ढेरे लोग चहुंपल रहुवें. रुडी कहलन कि अगिला चुनाव में भाजपा अकेले तीन सौ सीट से अधिका पर जीती. बिहार के पिछड़ा राज्य कहला पर नाराजगी जतावत रुडी … Read more

 235 total views,  5 views today

डा॰ सीपी ठाकुर उपाध्यक्ष आ राजीव प्रताप रुढ़ि के महासचिव बनवलसि भाजपा

कई दिन क जद्दो जहद का बाद आजु अतवार का दिने भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह अपना टीम के एलान कर दिहले. गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के संसदीय बोर्ड में शामिल कर लिहल गइल आ गुजराते के अमित शाह के महासचिवन में शामिल कर लिहल गइल. बारह सदस्य वाला संसदीय बोर्ड में राजनाथ सिंह, अटल … Read more

 213 total views,  5 views today

यशवंत सिन्हा नाराज हो गइल बाड़े

बतावल जात बा कि भाजपा के बड़का नेता में से एगो यशवंत सिन्हा झारखंड भाजपा के अध्यक्ष पद पर रवींद्र राय के बइठावे का खिलाफ नाराज हो गइल बाड़ें आ ई नाराजगी एह हद ले बा कि ऊ भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणीओ से इस्तीफा देबे का मूड में आ गइल बाड़ें. हालांकि अबहीं इस्तीफा दिहले … Read more

 270 total views

भाजपा के बइठक में यूपी पर चरचा

दिल्ली के तालकटोरा स्टेडियम में पहिला मार्च से होखे जा रहल भाजपा के राष्ट्रीय परिषद के बइठका में उत्तरप्रदेश के हालात पर खास चरचा होखे के सभावना बा. एह बइठका में यूपी के सगरी बड़का नेता लोग के नेवतल गइल बा.  250 total views,  5 views today

 250 total views,  5 views today

दिल्ली में भाजपा के नेता लोग गिरफ्तार कर के फेर छोड़ल गइल

हिंदू आतंकवाद के बाति कहे वाला गृह मंत्री शिंदे का खिलाफ आजु भाजपा के बड़का नेता दिल्ली में प्रदर्शन कइलें. ओह लोग के कहना बा कि आजादी का बाद से आजु ले आतंकवाद खातिर कबो कवनो मजहब के नाम ना लिहल गइल बाकिर शिंदे बिना कवनो सुबूत हिंदू आतंकवाद के नाम लेके संघ, भाजपा आ … Read more

 245 total views,  5 views today

भाजपा में संघ से आइल संजय जोशी इस्तीफा दिहले

पिछला दिने नरेन्द्र मोदी का विरोध का चलते भाजपा का राष्ट्रीय कार्यकारिणी से हटावल प्रचारक संजय जोशी भाजपा से इस्तीफा दे दिहले बाड़न आ कहले बाड़न कि अब ऊ खाली संघ कार्य में लगीहें. संघ के कार्यप्रणाली का तहत ओकर प्रचारक भाजपा आ बाकी आनुसांगिक संगठनन में संगठन मंत्री बनावल जालें जे ओह संगठन पर … Read more

 264 total views,  5 views today

हार के जिम्मेदारी अकेले शाही के कइसे दिहल जाई

भाजपा नेता राजनाथ सिंह बुध का दिने कहलन कि प्रदेश चुनाव में भाजपा के हार के जिम्मेदार सभे रहल आ केहू एक आदमी के एकर दोषी बनावल भा बतावल ना जा सके. कहलन कि प्रदेश अध्यक्ष सूर्य प्रताप शाही के हटवला के सजा मत समुझल जाव. एह तरह के फेर बदल हर राजनीतिक दल में … Read more

 245 total views,  5 views today