भाजपा
जलगांव अउऱ सांगली, 03 अगस्त (वार्ता) जलगांव नगर निगम खातिर भइल चुनाव में कांग्रेस आ राकांपा के सूपड़ा साफ करत भाजपा 75 सीज में से 57 सीट जीत लिहलसि. एहिजा पिछला बेर खानदेश विकास अघाडी के जीत मिलल रहुवे आ शिव सेना के पूर्व मंत्री अउर नेता सुरेश दादा जैन पिछला 35 बरीस से सत्ता
कोलकाता, 21 जुलाई (वार्ता) पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी केन्द्र के नरेंद्र मोदी सरकार पर सीधा हमला करत एलान कइले बाड़ी कि 15 अगस्त से ऊ “ भाजपा हटाओ- देश बचाओ” अभियान शुरू करीहें. शनिचर का दिने धरमतल्ला में तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के सालाना शहीद दिवस रैली के संबोधित करत ममता बनर्जी कहली कि
नयी दिल्ली 12 जुलाई (वार्ता). भाजपा कांग्रेस के सांसद आ ओकरा शासन में केन्द्रीय मंत्री रहल शशि थरूर के ओह बयान पर जवना में देश के ‘हिन्दू पाकिस्तान’ बने के बात कहल गइल बा, आपन तिताह टिप्पणी करत कहले बिया कि कांग्रेस फेर भारत आ भारत के लोकतंत्र के बदनाम करे आ हिन्दुअन के विरोध
मुंबई, 06 जून (वार्ता) काल्हु रात करीब पौने आठ बजे भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष अमित शाह शिव सेना अध्यक्ष उद्धव ठाकरे से भेंट करे ला पश्चिमी उप नगर बान्द्रा में उद्धव का घरे मातोश्री चहुँपले. दुनु जने एहिजा देर ले बातचीत कइलें जवना में बाद में मुख्यमंत्री फणनवीस आ उद्धव के बेटा आदित्यो ठाकरे
पटना 21 अप्रैल. केन्द्र में भाजपा सरकार बनला का बाद गोल भा सरकार में कवनो भाव ना मिलला से रिसियाइल यशवंत सिन्हा भाजपा से सगरी नाता रिश्ता तूड़ लिहलें आ अब शायद जेपी बने के सपना देखत बाड़ें. कहतारें कि अब से दलगत राजनीति ना करीहें आ आवे वाला दिनो में कवनो पद ना चहीहे.
बेंगलुरु, 18 अप्रैल (वार्ता) भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के अध्यक्ष अमित शाह आजु कहलन कि भगवा आतंकवाद का नाम पर कांग्रेस लाखों साल पुरान हिन्दू संस्कृति के बदनाम कइले बिया आ एह गलती ला कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी के पूरा देश से माफी मांगे के चाहीं. कर्नाटक विधानसभा के 12 मई का दिने होखे वाले
देवरिया,13 अप्रैल (वार्ता). देवरिया के बरहज विधानसभा क्षेत्र से भाजपा विधायक सुरेश तिवारी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पर आरोप बा कि ऊ कवनो विधायक के बाति नइखन सुनत. सुरेश तिवारी शुक का दिने अपना गांव रनियहंवा में मीडिया कर्मियन से बातचीत का दौरान ई आरोप लगवलन. कहलन कि जबे कबो कवनो भठियारा अधिकारी के शाकायत
मुंबई, 06 अप्रैल (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी अध्यक्ष अमित शाह अपना गोल भाजपा के 38वां स्थापना दिवस का मौका पर आजु शुक का दिने अगिला लोकसभा चुनाव के बिगुल फूंक दिहलें. पूरा महाराष्ट्र से जुटल कार्यकर्तन के बड़हन रैली के संबोधित करत अमित शाह कहलन कि 38 बरीस पहिले एह गोल के स्थापना मुंबई में
बेंगलुरु, 04 अप्रैल. कर्नाटक विधानसभा चुनाव से पहिलहीं भाजपा के जीते वाला दल मानत कई नेता ओकर सदस्त बन गइलें. एह नेता लोगन में शामिल बाड़ें कांग्रेस नेता आ ओकरा सरकार में केंद्रीय मंत्री रह चुकल बासवराज पाटिल, कांग्रेसे के नागप्पा भीमप्पा सोलोनी, जनता दल (एस) के मल्लिकार्जुन खुबा आ एगो निर्दलीय विधान पार्षद बासवाना
मैसुरु 31 मार्च. भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह आजु कहलन कि दक्खिन में घुसल भाजपा के असल मनसा बा आ एकरा खातिर कर्नाटक विधानसभा चुनाव में भाजपा के जीत मील के पत्थर साबित होखी. अमित शाह आजु पत्रकारन से बतियावत में कहलन कि भाजपा 21 राज्यन में सत्ता में आ गइल बिया बाकिर कर्नाटक
नयी दिल्ली 30 मार्च. भारतीय जनता पार्टी के एगो टीम पश्चिम बंगाल के आसनसोल में हाल में भइल फिरकावाराना हिंसा का बाद के हालात के आकलन करी आ ओकर रिपोर्ट अपना गोल के दी. भाजपा अध्यक्ष अमित शाह के बनावल एह समिति में पार्टी उपाध्यक्ष आ सांसद ओम माथुर, प्रवक्ता सैयद शाहनवाज हुसैन, सांसद रुपा
लखनऊ 25 मार्च (वार्ता). सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी (सुभासपा) अतवार का दिने कहलसि कि भाजपा संगे गठबन्हन बनवले राखल जाव कि ना पर फैसला 27 मार्च के होखे वाला बइठक में लीहल जाई. राज्यसभा चुनाव में भाजपा उम्मीदवार के पक्ष में मतदान करे वाली सुभासपा के महासचिव अरविंद राजभर कहलें कि – हमनी 27 तारीख
लखनऊ 21 मार्च (वार्ता). राज्यसभा चुनाव लेके बोलावल सपा गोल के विधायकन का बइठक में आजु नितिन अग्रवाल आ शिवपाल सिंह यादव के गैरमौजूदगी चर्चा के विषय बन गइल. सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव राज्यसभा खातिर 23 मार्च के होखे जा रहल चुनाव लेके सपा मुख्यालय में पार्टी विधायकन के ई बइठक बोलवले रहलें. एह बइठक
विजयवाड़ा 18 मार्च (वार्ता) आंध्रप्रदेश के मुख्यमंत्री एन चंद्रबाबू नायडू आजु भारतीय जनता पार्टी के चेतवलें कि ऊ राज्य में तमिलनाडु वाली राजनीति दोहरावे के कोशिश मत करे काहे कि हम करे ना देब. नायडू तेलुगू नयो साल ‘उगदी’ के अवसर पर आयोजित कार्यक्रम के संबोधित करत रहलें. कहलन कि लोग कइसनो संकट के सामना
पटना 14 मार्च (वार्ता). भभुआ से भाजपा के रिंकी रानी पांडेय कांग्रेस के शंभु पटेल के करीब 16 हजार भोट का अंतर से हरा के एह सीट पर भाजपा के कब्जा बरकरार रखववली. ई सीट उनुके पति आनंद भूषण पांडेय के निधन का चलते खाली भइल रहुवे. जहानाबाद विधानसभा क्षेत्र से मुख्य विपक्षी पार्टी राजद
नयी दिल्ली 12 मार्च. सपा गोल के नेता रहल नरेश अग्रवाल आजु भाजपा में शामिल हो गइलन. नरेश अग्रवाल भाजपा मुख्यालय में आ के पार्टी के सीनियर नेता आ रेल मंत्री पीयूष गोयल का मौजूदगी में गोल के सदस्य बनलन. एह मौका पर उनुकर कहना रहल कि बिना कवनो राष्ट्रीय पार्टी में रहले सही तरीका
नयी दिल्ली 11 मार्च (वार्ता). भाजपा का तरफ से महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रह चुकल नारायण राणे के महाराष्ट्रे से राज्यसभा उमीदवार बनावल गइल बा. भाजपा गोल के महासचिव अनिल जैन के यूपी से आ सरोज पाण्डेय के छत्तीसगढ़ से प्रत्याशी बनावल गइल बा. राज्यसभा के दू बरिसा चुनाव में अबकी हो रहल 58 सीट के
नयी दिल्ली 07 मार्च (वार्ता). राज्यसभा के दुबरिसा चुनावन ला भारतीय जनता पार्टी आजु अपना आठ गो उम्मीदवारन के एलान क दिहलसि. वित्त मंत्री अरुण जेटली उत्तर प्रदेश से, कानून मंत्री रविशंकर प्रसाद बिहार से आ पेटोलियम मंत्री धर्मेंद्र प्रधान के मध्य प्रदेश से टिकट दीहल गइल बा. एकरा अलावे स्वास्थ्य मंत्री जगत प्रकाश नड्डा
राज्यसभा चुनाव में जेटली के मैदान में उतार सकेले भाजपा लखनऊ 04 मार्च (वार्ता) संख्या बल का लिहाज से भारतीय जनता पार्टी खातिर बहुते खास होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में केन्द्रीय मंत्री अरूण जेटली के अलावा राज्य के कुछ अउरियो कद्दावर नेतन का नाम पर सोच विचार हो रहल बा. यूपी से राज्यसभा के
– हरिराम पाण्डेय राज्यसभा के 245 सीटन में से भाजपा के लगे 58 आ कांग्रेस का लगे 54 सांसद बाड़ें. अप्रैल में 55 सीटन पर होखे जा रहल चुनाव का बाद एह समीकरण में कुछ बदलाव आई बाकिर भाजपा के शायदे बहुमल मिल पाई. अकेले के बाते छोड़ीं, राजगो के मिला के ई नइखे होखे
Older Posts››
‹‹Newer Posts