Go to ...
RSS Feed

भारत

भारत के हरावत इंग्लैंड आपना 1000वां टेस्ट जीतल

बर्मिंघम, 04 अगस्त (वार्ता). भारत के जीत के तमाम उम्मीदें कप्तान विराट कोहली पर टिकल रहुवे बाकिर जइसहीं विराट पगबाधा आउट भइलन, इंग्लैंड जीत हासिल करे में अधिका समय ना लिहलसि. पहिला टेस्ट के चउथका दिने शनिचर के सबेरे का सत्र में 31 रन से जीत के इंग्लैंड पांच मैचन के सीरीज में 1-0 के

इशांत झटकलें पांच गो विकेट, जीते खातिर भारत के चाहीं 194 रन

बर्मिंघम, 03 अगस्त (वार्ता). भारत के अनुभवी तेज गेंदबाज इशांत शर्मा आजु 51 रन दे के पांच विकेट ले लिहलें आ भारत इंगलैण्ड का बीच होखत पहिलका क्रिकेट टेस्ट के तिसरका दिने इंगलैण्ड के पूरा टीम 180 रन पर बहरा गइल. अब जीते खातिर भारत के महज 194 गो रन बनावे के बा. इशांत 13

पेनाल्टी का गोल से खिताब हार गइल भारत

ब्रेडा, 01 जुलाई (वार्ता). भारत का लगे पहिला बेर शानदार मौका रहुवे एफआईएच चैंपियंस ट्रॉफी जीते के बाकिर पेनल्टी शूटआउट में हार के भारत ई मौका गँवा दिहलसि आ ऑस्ट्रेलिया 15 वीं बेर चैंपियंस ट्रॉफी के विजेता बन गइल. आजु अतवार का दिने खेलल गइल फाइनल मैच के तय समय ले मुकाबला 1-1 गोल का

भारत के चाहीं हॉलैंड का खिलाफ जीत भा ड्रा

ब्रेडा, 29 जून (वार्ता). पिछला बेर के उपविजेता रहल भारत शनिचर का दिने जब मेजबान हॉलैंड का खिलाफ एफआईएच चैंपियंस ट्रॉफी हॉकी टूर्नामेंट के आपन आखिरी लीग मैच खेले उतरी त ओकरा निशाना प रही जीत भा ड्रा जेहसे कि ऊ लगातार दुसरकी बेर फाइनल में पहुंच सको. विश्व-चैंपियन आ पिछला बेर एह टूर्नामेंट के

नेपाल के पीएम ओली के राष्ट्रपति भवन में भव्य स्वागत

नयी दिल्ली 07 अप्रैल (वार्ता). नेपाल के प्रधानमंत्री के पी शर्मा ओली के आजु एहिजा राष्ट्रपति भवन में राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मौजूदगी में शानदार स्वागत कइल गइल. नेपाल के प्रधानमंत्री केपी ओली के राष्‍ट्रपति भवन में राजकीय स्‍वागत करत उनुका के गार्ड ऑफ ऑनर दीहल गइल आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी

भारत के हरा के बरोबरी में चहुँपल दक्षिण अफ्रीका

सेंचुरियन, 22 फरवरी (वार्ता). मनीष पांडेय के नाबाद 79 आ महेंद्र सिंह धोनी के नाबाद 52 के आक्रामक पचासा आ 98 रन के तूफानी साझेदारी पर लेग स्पिनर युजवेंद्र चहल का गेंदबाजी में पड़ल छक्कन से पानी पड़ गइल आ दक्षिण अफ्रीका दुसरका बीसबीसा में बुध का दिने भारत के छह विकेट से हराके तीन

मरदन के हॉकी में भारत पाकिस्तान के भिड़ंत आजु

गुवाहाटी में होखत दक्खिन एशियाई खेल में आजु शुक का दिने भारत पाकिस्तान के भिड़ंत होखे वाला ब। भारत के पिछलका मैचन में बढ़िया खेल नइखे रहल एहसे आजु सावधान रहला के जरूरत बा। ओने महिला फुटबॉल में बिना कवनो गोल के ड्रा करा के नेपाल भारत के रोक दिहलसि आ अब फाइनल में बांग्ला

तस्करन के पीछा करत नेपाल सीमा में घुसल 13 गो एसएसबी जवान गिरफ्तार

बिहार से तस्करन के पीछा करत भारत के सशस्त्र सीमा बल के तेरह गो जवान अतवार का भोर में नेपाल के सिवान पार क गइलें त ओहनी के नेपाल के सशस्त्र प्रहरी गिरफ्तार कर लिहलसि बाकिर दिन भर रखला का बाद साँझ बेरा रिहो क दिहलसि. ई घटना दू देश के बीच के मामिला होखला

अंडर 19 के क्रिकेट सीरीज भारत जीत गइल

कोलकाता के इडेनगार्डेन मैदान में भइल अंडर 19 के फाइनल मुकाबला में भारत के टीम काल्हु बांगलादेश के टीम के सात विकेट से हरा के सीरीज जीत लिहलसि. एह सीरीज में तीन गो देश के टीम खेलत रहली सँ. बांगला देश के टीम टाॅस जीत के पहिले बल्लेबाजी करे उतरल आ 36.5 ओवर में महज

भारत के कवनो प्रधानमंत्री के ब्रिटेन में सबले शानदार स्वागत मिलल मोदी के

काल्हु ब्रिटेन के तीन दिन के सरकारी दौरा पर चहुँपल भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के शानदार स्वागत भइल. ओहिजा के प्रधानमंत्री डेविट कैमरन हर जगहा मोदी का साथे रहलन. पत्रकार सम्मेलन में एगो सवाल का जवाब में पीएम मोदी कहलन कि भारत में कवनो तरह के असहिष्णुता नइखे आ भारत सरकार सभरक साथ सभकर

मैच सीरीज आ इज्जत तीनो गंँववलसि धोनी के टीम

डु प्लेसिस, डी विलियर्स अउर डी काॅक के सेन्चुरियन आ स्टेन अउर रबाडा के सधल गेंदबाजी के बदौलत भारत दक्खिन अफ्रीका से खेलत आपन पाँचवा एकदिना 214 रन से हार गइल. एकरा साथही सीरीज के फैसला 3-2 से हो गइल. मुंबई के वानखेडे में कबो ना हारल भारत के टीम एह मैच में बहुते खराब

भारत दक्खिन अफ्रीका के एकदिना सीरीज के फैसला आजु

पिछला चार गो एकदिना में से दू दू गो मैच जीत के बरोबरी पर खड़ा भारत आ दक्खिन अफ्रीका के सीरीज के फैसला आजु पाँचवा आ आखिरी एकदिना मैच में होखेवाला बा. मैच मुंबई के वानखेडे स्टेडियम में खेलल जाई जहाँ आजु ले भारत हारल नइखे. हालांकि पिछला चार मैच में कवनो टीम लगातार दू

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बियफे, 19 फरवरी 2015)

(बुध, 18 फरवरी के खबर) पटना उच्‍च न्‍यायालय जीतनराम मांझी सरकार के बड़हन नीतिगत फैसला लेबे पर रोक हटा दिहलसि त माँझी कैबिनेट नया फैसलन के बरखा करा दिहलेंं. एह फैसलन में सरकारी नौकरी में 35 फीसदी महिला आरक्षण, पुलिस में हर साल तेरह महीना के तनखाह, किसान सलाहकारन आ होमगार्डन के मानदेय में बढ़ोतरी,

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बुध, 18 फरवरी 2015)

(मंगल, 17 फरवरी के खबर) ईसाईयन के एगो समारोह में शामिल होखे चहुँपल प्रधानमंत्री मोदी कहलन कि उनकर सरकार देश में कवनो संप्रदाय के नफरत पसारे ना दी आ धार्मिक आजादी के मान राखी. हालांकि हाल ही में दिल्ली के एगो स्कूल में भइल चोरी के घटना का बाद मीडिया में बेवजह के बवाल खड़ा

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (मंगल, 17 फरवरी 2015)

नमस्कार! आजु महाशिवरात्रि का दिने रउरा सभे ला शुभकामना करत टटका खबर पर पेश बा सोमार 16 फरवरी के खबर. Download Music – Embed Audio Files – TatkaKhabar-16-Feb-15 श्रीलंका में पिछला महीना भइल चुनाव जीतला का बाद पहिला बेर विदेश यात्रा पर निकलल श्रीलंका के राष्ट्रपति मैथ्रिपाला सिरिसेना सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से

देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (सोमार, 16 फरवरी 2015)

(अतवार, 15 फरवरी के खबर) TatkaKhabar-15-Feb-15 क्रिकेट वर्ल्ड कप के आपन पहिलके मुकाबला में भारत पाकिस्तान के 76 रन से हरा दिहलसि जवना का बाद देश भर में क्रिकेट प्रेमियन का संगही उहो लोग खुशी मनावे लागल जिनका क्रिकेट से बेसी एह पर धियान रहेला कि पाकिस्तान के हरावल जाव चाहे जवन मुकाबला होखे. दोसरा

सीरीज जीते से बस एक डेग दूर बिया टीम इंडिया

विशाखापट्नम. 23 नवंबर (वार्ता) पिछला मुकाबले मे मिलल शानदार जीत के बाद मजबूत हौसला वाली भारतीय टीम जब अतवार का दिने एहिजा अपना कप्तान महेद्र सिंह धोनी के अगुवई में वेस्टइंडीज का खिलाफ दुसरका एकदिना खेले उतरी  ओकर अकेला लक्ष्य होखी मैच जीत के सीरीज कब्जियावल. वेस्टइंडीज टीम के कोच्चि मे छह विकेट से हराके

शमी के चउका से वेस्टइंडीज 234 पर ढेर

कोलकाता. 06 नवंबर (वार्ता) भारत के युवा तेज गेदबाज मोहम्मद शमी 71 रन पर चार विकेट ले के अपना पहिलके टेस्ट में शानदार प्रदर्शन करत आजु बुध का दिने ईडन गार्डन में 234 रन पर ढेर क दिहले. एकरा जवाब में पहिला दिन के खेल खतम होखे का बेरा ले 12 ओवर में बिना कवनो

भाजपा पडोसी देशन से बढ़िया संबंध राखे के हिमायती, कहलन डा॰ जोशी

भाजपा के पुरनिया नेता आ संसद के लोक लेखा समिति के अध्यक्ष डा. मुरली मनोहर जोशी काल्हु यूनीवार्ता से वाराणसी में बतियावत कहलन कि उनकर पार्टी पडोसी देशन संगे बढ़िया सम्बंध राखे के हिमायती ह बाकिर देश हित का कीमत पर ना. कहलन कि जम्मू काश्मीर मे नियंत्रण रेखा पर जवन घटना भइल बाड़ी स

भारत के भाग फूटल अफगानिस्तान जीतलसि खिताब

भाग भरोसे सैफ फुटबाल चैपियनशिप के फाइनल ले चहुँपल छह बार के चैपियन भारत के साथ भाग आखिर में छोड़िए दिहलसि आ आजु बुध का दिने काठमांडू में भइल फाइनल में अफगानिस्तान ओकरा के 2..0 से हरा के पहिला हाली सैफ चैपियन बने के गौरव हासिल कर लिहलसि. एकरा साथही अफगानिस्तान पिछला साल भारत से