Go to ...
RSS Feed

भोजपुरी

पटना के रविन्द्र भवन में बिहार भोजपुरी अकादमी के पैंतीसवा सालगिरह

अतवार का दिने पटना के रविन्द्र भवन में बिहार भोजपुरी अकादमी के पैंतीसवा सालगिरह बहुते धूमधाम से मनावल गइल. एह मौका पर भइल सांस्कृतिक कार्यक्रम में मालिनी अवस्थी, भरत शर्मा व्यास, मनोज तिवारी आ मारीशस से आइल हुसीला देवी रिसॉल के कार्यक्रम के लोग मंत्रमुग्ध होके देखल सुनल. एह आयोजन में भाग लेबे खातिर देश

भोजपुरी के अनदेखी पर नाराजगी जाहिर कइल लोग

आरा में भइल भोजपुरिया जन मोरचा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठक में भोजपुरी के अनदेखी पर नाराजगी जाहिर कइल गइल. कहल गइल कि आवे वाला लोकसभा चुनाव में एह मुद्दा के मोरचा जनता का सोझा राखी आ ओही लोग के वोट देबे ला कही जे भोजपुरी के ओकर हक दिआवे के बात सकरीहें. एह बइठक

भोजपुरी के अनदेखी पर कवि गोष्ठी में चिंता जाहिर भइल

बलिया के तिखमपुर में शंभुनाथ उपाध्याय का घरे भइल विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई का ओर से एगो कवि गोष्ठी भइल जवना में शिवजी पांडे रसराज, त्रिभुवन सिंह प्रीतम, शशि प्रेमदेव, डा॰ अशोक द्विवेदी, डा॰ शत्रुघ्न पांडेय, कन्हैया पांडे, हीरालाल हीरा, नवचंद तिवारी, डा॰ अमरनाथ शर्मा, विजय मिश्र वगैरह कवि लोग आपन रचना सुनावल.

पहिला आ दूसरा क्लास के पढ़ाई अपना भाषा में

बिहार के सरकारी स्कूलन में पहिला आ दूसरा क्लास के विद्यार्थियन के ओकरा अपना भाषा में पढ़ावल जाई. एह ला भोजपुरी, मैथिली, मगही, अंगिका, वज्जिका, आ उर्दू के चुनल गइल बा. एह भासन में नया किताबन के प्रकाशन एकतीस मार्च से पहिले कर लिहल जाई.

भोजपुरी के अठवीं अनुसूची में जगहा मिले के आसार

बियफे का दिने लोकसभा में एगो ध्यानाकर्षण प्रस्ताव पर गृह मंत्री पी चिदंबरम भोजपुरी में कहलन कि “हम रउआ सभे के भावना समुझत बानी” आ आश्वासन दिहलन कि एह मामिला में एगो बिल संसद के मानसून सत्र में ले आवल जाई. भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर भोजपुरी के अनेके संगठन

‹‹Newer Posts