Go to ...
RSS Feed

भोजपुर

भोजपुर में गंगा के पानी शहरी इलाकन में घुसल

गंगा के बढ़त पानी आजु भोजपुर जिला के शहरीओ इलाका में पसरे लागल बा. शाहपुर, कोइलवर, बड़हरा आ आरा प्रखंड में हालात जस के तस बा. बक्सर के दियारा में आ गंगा, कर्मनासा, धर्मावती आ ठोरा नदियन का किनारे का इलाकन में हालात बिगड़ल जात बा. चौसा मोहिनिया रोड पर फेर पानी चढ़ गइला का

तरारी पंचायत प्रमुख का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पास ना हो पावल

छह अगस्त के भोजपुर जिला के तरारी पंचायत के प्रमुख जयशंकर प्रसाद का खिलाफ पेश अविश्वास प्रस्ताव पर वोट करावल गइल त जयशंकर प्रसाद का खिलाफ बारहे गो सदस्य वोट दिहलें. जबकि चौबीस सदस्य वाला पंचायत समिति में अविश्वास प्रस्ताव पास करावे खातिर तेरह गो वोट पड़ल जरूरी रहुवे. बाकिर मौजूद चौदह गो सदस्यन में

भोजपुर के बड़हरा में बाढ़ से जिनिगी आफत में

गंगा नदी के उफनइला का चलते भोजपुर जिला के नाहियो त दू दर्जन से अधिका गाव बाढ़ का पानी में घेरा गइल बा. कई जगहा सड़क का उपर चार फीट ले पानी बहत बा. सबसे अधिका तबाही बड़हरा प्रखंड में बा हालांकि शाहपुर, बिहिया अउर सदरो प्रखंड के अनेके गाँवन मे बाढ़ के पानी पसर

आरा छपरा गोपालगंज बलिया में बाढ़ के प्रकोप

डोरीगंज इलाका के बड़हरा महाजी के आधा दर्जन गांवन में शनिचर का दिने बाढ़ के पानी घुस गइल बा. मुस्सेपुर पंचायत के मेहला टोला गांव के सम्पर्क सड़क से एक दम टूट गइल बा. अनेसा बा कि देर रात ले दियरा के कोटवापट्टी रामपुर आ रायपुर बिंदगांवा पंचायतो में बाढ़ के पानी पसर जाई. अफसोस

भोजपुर के बरघरा में चाचा के हत्या में भतीजा पकड़ाइल

भोजपुर जिला के आयर इलाका के बरघरा गांव पिछला दिने जयराम सिंह नाम के आदमी के हत्या भइल रहे. एह मामिला में पुलिस मराइल आदमी के भतीजा आ ओकरा एगो संघतिया के पकड़ लिहले बिया. हत्या में इस्तेमाल चाकूओ बरामद भइल बा आ ऊ भतीजा आपन कुसूरो सकार लिहले बावे. बतावल जात बा कि झगड़ा

आरा टीसन का लगे दू जने ट्रेन से गिरले

आरा टीसन का पछिमवारा गुमटी का लगे काल्हु बियफे का दिने जनसाधारण एक्सप्रेस से गिर के दू गो लड़िका गम्हीराहे घवाहिल हो गइलें जवना का बाद ओहिजा लोग बवाल काटे लगुए. बवाल के काबू करे खातिर पुलिस के गोली चलावे के पड़ल. फायरिंग हवा में भइल एहसे केहू घवाहिल भा मरल ना. बाकिर लोग के

भोजपुर के सेदहाँ गाँव में सरकारी जमीन पर माले समर्थक पलानी डलले

भोजपुर जिला के तरारी इलाका में सेदहां गांव से सटले बिहार सरकार के तीन एकड़ खाली जमीन पर माले समर्थक अपना नाँवे करावे के माँग ले के अपना परिवार सहित पलानी डाल के पटाइल बाड़ें. जमीन खाली करावे ला प्रशासन के कोशिश अबही ले बेकारे जात बा.

बखोरापुर मंदिर का लगे लइकी कचराइल

भोजपुर जिला के बड़हरा सरैया रोड पर बखोरापुर मंदिर में माँ काली के दर्शन करे आइल चौरी इलाका से आइल एगो लड़की के ट्रैक्टर कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत हो गइल. संगे आइल मौसीओ के धक्का लागल बा आ ऊ गंभीर हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ी. पुलिस ट्रैक्टर जब्त कर लिहले

दू आदमी के हत्या के फरार आरोपी समर्पण कइलसि

भोजपुर जिला के धनगाई इलाका के केसरी गांव में एगो बाप बेटा के गोली मार के हत्या कर देबे के आरोपी आ पहिले मुखिया रहल उपेन्द्र चौधरी पुलिस के दबिश का चलते आखिरकार कोर्ट जा के सरेंडर कर दिहलसि. पुलिस ओकरा के जेल भेज दिहलसि. अब रिमांड पर ले के ओकरा से पूछताछ करी पुलिस.

ससुरारी आइल दामाद के गोली मारल गइल

अपना मेहरारू के विदाई करावे आइल आरा के छोटकी सनदिया गाँव के अजय यादव के नवादा इलाका के अनाईठ झोपड़ पट्टी मुहल्ला में शुक का रात ओकरा ससुरारी के लोग गोली मार दिहल. बतावल जात बा कि बिदाई ले के कुछ बाताबती बढ़ल त ससुरारी वाले गोली चला दिहलें.

नकली बैंके खोल दिहले सँ ठग

भोजपुर जिला के डुमराँव का पुरनका भोजपुर में कुछ ठग बाकायदा सेंट्रल कोआपरेटिव बैंक के शाखा खोल के लोगन के करोड़ी रुपिया हजम कर गइलें. बाद में जब बैंक के एह बात के जानकारी मिलल त डुमरांव के रामजी सिंह आ पुरनका भोजपुर के भीम सिहं पर ठगी करे के मुकदमा दर्ज करा दिहलसि. पुलिस

भोजपुर जिला में दू आदमी के गोली मारल गइल

भोजपुर जिला के गढ़नी थाना के बहादुरपुर गाँव में मंगल का दिने दू आदमी के गोली मार दिहल गइल. एक आदमी के मौत हो गइल जबकि दोसरका के इलाज खातिर अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

इचरी पंचायत के मुखिया विनोद सिंह के हत्या

मंगल के देर रात भोजपुर जिला के आयर थाना इलाका में चिरापुर मोड़ क नियरा इचरी पंचायत के मुखिया विनोद सिंह के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. हत्या कइला का बाद हत्यारा आराम से भाग निकलले.

‹‹Newer Posts