web analytics

ईमाम का हुड़की से हड़क गइल एनडीटीवी

(टटका खबर, सोमार, सावन अँजोरिया एकम, 2078 विक्रमी) अपना के एगो दमदार चैनल बतावे वाला एनडीटीवी चैनल एगो शरजील उस्मानी का धमकी से अतना डेरा गइल कि आपन ट्वीट हटा लिहलसि. एनडीटीवी के ट्वीट में एगो मुसलमान के कोरोना टेस्ट करावत देखावल गइल रहुवे जवना का बाद अनेके शांतिदूत ओकरा के हीक भर गरियवले आ … Read more

Loading

टटका खबर, शुक, जेठ अन्हरिया दूज, 2078 विक्रमी

छह बेर विश्व चैम्पियन रहल भारत के एमसी मैरीकोम दुबई में होखत 2021 एएसबीसी एशियाई महिला अउर पुरुष मुक्केबाजी चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. अब मैराकोम के एशियाई चैम्पियनशिप में सतवां बेर पदक मिलल तट हो गइल बा. मैराकोम 2008 में रजत पदक जीतला का अलावे 2003, 2005, 2010, 2012, अउर 2017 में … Read more

Loading

टटका खबर, अतवार, वैशाख अँजोरिया चतुर्थी बाकी, 2078 विक्रमी

देश में कोरोना के हालात पर राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के संघचालक मोहन भागवत शनीचर का दिने एगो व्याखानमाला में बोलत कहनी कि ई परीक्षा के घड़ी बा आ हमनी के आपन सकारत्मकता बचवले राखे के जरुरत बा. कोरोना के पहिलका दौर के खतम भइला का बाद सरकार आ जनता सभे बेपरवाह हो गइल रहुवे … Read more

Loading

टटका खबर, बियफे, वैशाख अन्हरिया तृतिया, 2078 विक्रमी

कोविड महामारी के बहुते खराब दौर से गुजरत हालात में पूरा दुनिया से भारत के सहायता के प्रसाताव आइल बा. बाकिर भारत सरकार ओहि देशन के सहायता प्रस्ताव पर विचार करत बा जिनका से भारत के विकास साझेदारी चलत बा. चीन आ पाकिस्तान का तरफ से आइल प्रस्तावन पर सरकार कुछुओ बोले से परहेज करत … Read more

Loading

टटका खबर, अतवार, त्रयोदशी. चईत अँजोरिया 2078 विक्रमी

राष्ट्रपति भवन में काल्हु भइल एगो सादा समारोह में न्यायमूर्ति एन. वेंकट रमणा के भारत के प्रधान न्यायाधीश के किरिया धरावल गइल. ऊ देश के 48वां प्रधान न्यायाधीश होइहें. 16 महीना ले अपना पद पर रहला का बाद न्यायमूर्ति रमणा अगिला साल 26 अगस्त के सेवानिवृत हो जइहें. एह किरिया धराई समारोह में राष्ट्रपति रामनाथ … Read more

Loading

टटका खबर, बुध, नवमी. चईत अँजोरिया, 2078 विक्रमी

रउरा सभे के श्रीरामनवमी के पावन पर्व पर हार्दिक अभिनन्दन आ शुभकामना. बिना कवनो पूर्व सूचना प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी काल्हु सँझिया में राष्ट्र का नामे आपन संदेश देत संत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहनी कि तूफान बनिके आइल कोरोना महामारी के दुसरकी लहर एगो बड़हन चुनोती बनल बा बाकिर हमनी का एकजुट हो के धीरज, अनुशासन, … Read more

Loading

टटका खबर, मंगल, 6 अप्रैल 2021

एक दिन में कोविड के सरीज बढ़े के गिनिती काल्हु आपन पुरान निशान पार करत एगो नया चोजी छू लिहलसि. काल्हु 5 अपेरैल के देश में कोरोना के एक लाख तीन हजार 558 नया मरीज मिललें. एकरा साथही देश भर में कोरोना छूताह हो चुकल लोगन के गिनिती सवा करोड़ पार हो गइल. अब ले … Read more

Loading

टटका खबर, शुक, 2 अप्रैल 2021

मशहूर अभिनेता रजनीकांत के साल 2019 के दादासाहेब फाल्‍के पुरस्‍कार से सम्‍मानित करे के एलान सूचना आ प्रसारण मंत्री प्रकाश जावडेकर कइले. उनुका के ई पुरस्कार अगिला महीना के 3 तारीख के दीहल जाई. घोषणा करत जावडेकर कहलन कि पचास बरीस से रजीकांत फिल्‍मी दुनिया के बेताज बादशाह बाड़न. उनुकर काम सूरज जइसन दमकेला. अपना … Read more

Loading

टटका खबर, शुक 28 अगस्त के

करीब बीस बरीस पहिले सारण जिला के मशरक से विधायक अशोक सिंह के भइल हत्या के दोषी मानल गइल बाहुबली आ सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह अउर उनुका भाई दीनानाथ सिंह के हजारीबाग अदालत से सुनावल गइल उमिरकैद के सजा के राँची हाई कोर्ट बहाल रखलसि. ई लोग हाई कोर्ट से गोहार लगवले रहुवे कि एह … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी से 18 अगस्त 2018 के चार गो खबर

देवरिया में अदालत ने सेक्स कांड के तीन आरोपी को भेजा रिमांड पर देवरिया 18 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश में देवरिया के अपर सत्र न्यायाधीन के अदालत मां विंध्यवासिनी महिला प्रशिक्षण एवं समाज सेवा संस्थान से संचालित बाल गृह बालिका, बाल गृह शिशु और सुधार गृह के तीन गो आरोपियन के तीन दिन ला रिमांड … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी से 18 अगस्त 2018 के छह गो खबर

बस्ती में सरयू नदी का बाढ़ से 50 गांव आफत में बस्ती, 18 अगस्त (वार्ता) उत्तर प्रदेश के बस्ती जिला के हर्रैया तहसील के पचासो गो से अधिका गाँव सरयू नदी के बाढ़ से घेराइल बा. अधिकारियन के कहना बा कि आजु शनिचर का दिने नदी खतरा के निशान से 55 सेमी ऊपर बहत बिया. … Read more

Loading

29 मई, मंगल के भोजपुरी पट्टी से 11 गो खबर

बस्ती में ट्रेन से कटाके दू आदमी के मौत बस्ती 29 मई (वार्ता). उत्तर प्रदेश में बस्ती के पैकोलिया इलाका में गौर टीसन का लगे बागडी गांव का सोझा रेल लाइन पार करत बलेसर गांव के रामजीत (30) आ 45 बरीस के एगो अनजान आदमी के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. अनजान आदमी … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी से 10 गो खबर, 8 मई 2018, मंगल

मऊ में ट्रैक्टर ट्राली पलटला से मजदूर के मौत मऊ, 08 मई (वार्ता) मऊ जिला के मधुबन इलाका में बालू लदले एगो ट्रैक्टर ट्राली पलटला से एगो मजदूर रामपुकार गोंड (35 बरीस) के मौत हो गइल. गोरखपुर में करंट लगला से दू जने के मौत गोरखपुर, 08 मई (वार्ता) गोरखपुर जिला के गुलहरिया इलाका में … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी से 15 गो खबर, 7 मई 2018, सोमार

जहराइल खाना खा के 100 लोग बीमार आरा 07 मई (वार्ता) भोजपुर जिला के पीरो इलाका के बरौली गांव के अक्षय लाल का घरे शादी का दौरान खाना खइला का बाद करीब 100 लोग के तबियत खराब होखे लागल आ कै करे लागल लोग. सभका के आरा आ पीरो के अस्पतालन में भर्ती करावल गइल. … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी से 10 गो खबर, 6 मई 2018, अतवार

कार आ कंटेनर का बीच टक्कर से तीन लोग के मौत छपरा 06 मई (वार्ता) सारण जिला के दाउदपुर इलाका के भोला ढाला का नियरा काल्हु देर रात एगो कार बेकाबू होके कंटेनर से टकरा गइल आ एह हादसा में दाउदपुर थाना के टेटीहा टोला के शिवनाथ सिंह (50 बरीस), विधायी सिंह (18 बरीस) अउर … Read more

Loading

मऊ पुलिस मुठभेड़ क के दू गो शराब तस्कर धइलसि

मऊ, 12 अप्रैल (वार्ता). मऊ के सरायलखंसी इलाका में पुलिस आजु मुठभेड़ क के दू गो अंतरप्रांतीय शराब तस्करन के गिरफ्तार करत ओकना का गाड़ी पर लादल मिलावटी शराब बरामद कइलसि. पुलिस से पता चलल कि भोर बेरा गश्ती करत में चिरैयाकोट से मऊ आवे वाला सड़क पर एगो पिकअप वाहन के रोके के इशारा … Read more

Loading

मऊ में एगो फैक्ट्री कर्मी से पांच लाख लूट लिहलें बदमाश

मऊ 11 अप्रैल (वार्ता). मऊ के दक्खिन टोला इलाका में बुध का दिनदहाड़े एगो फैक्ट्री कर्मी से पांच लाख रुपिया लूटके बदमाश फरार हो गइले. पुलिस सूत्र बतवलें कि शहर के एगो नामी साड़ी व्यवसायी के कर्मचारी पवन कुमार मिर्जा हाजीपुर चौक वाला आईसीआईसीआई बैंक शाखा से पांच लाख रुपिया निकाल के अपना मोटरसाइकिल से … Read more

Loading

भोजपुरी पट्टी से शनिचर 7 अप्रैल के 14 गो खबर

ट्रैक्टर से कचरा के चालक के मौत डेहरी आन सोन 07 अप्रैल (वार्ता). रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में गोपी बीघा के 30 बरीस उमिर के सत्येंद्र महतो अपने ट्रैक्टर से दबा के मर गइलें. ऊ अपने ट्रैक्टर चला के जात रहलें जब बस पड़ाव का नियरा एगो बालू … Read more

Loading

मऊ में छात्र के गला रेतके खून से इलाका में दहशत

मऊ, 05 अप्रैल (वार्ता). मऊ के कोपागंज इलाका में कुछ लोग एगो नवही के गला रेतके ओकर खून क दिहले बा जवना से इलाका में दहशत पसर गइल बा. पुलिस सूत्रन से पता चलल बाकि कोपागंज इलाका में कसारा रामधन दामोदर महाविद्यालय का नियरा एगो बीस बरीस के नवही के लाश झंखाड़ में मिलल बा. … Read more

Loading

पूर्वांचल के जिलन में तेज आंधी-तूफान से दू जने के मौत, फसल के बरबादी

लखनऊ 30 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश के पूर्वी जिलन में शुक के देर साँझ आइल आंधी-तूफान से जनजीवन प्रभावित हो गइल आ कई जगहा बनेरी गिरला से फसल के बरबादी के खबर बा. मऊ आ संतकबीरनगर में एगो औरत समेत दू जने के मौतो हो गइल बा. कुशीनगर जिला के पडरौना इलाका में अचके में … Read more

Loading