web analytics

छपरा न्यूज, 14 अप्रेल 2018, शनिचर के 9 खबर

दरियापुर, अमनौर, इसुआपुर, परसा, जलालपुर समेत कई जगहा भइल अगलगी के हादसन में लाखौं के फसल, घर आ संपति राख होखे के खबर बा. हरदिया चँवर के आग बुतावे में पाँच गो दमकल लगली सँ तब जा के आगि पर काबू पावल जा सकल. अमनौर के मनौरपुर कानू टोला में कई गो मड़ईयन के राख … Read more

 107 total views,  1 views today

देवी देवता के हीनई करत वीडियो का खिलाफ छपरा धधकल

पिछला तीन दिन से बिहार के सारण जिला हिन्दू आक्रोश के लहोक झेलत बा. हिन्दू देवी देवता के हीनई करावल एगो वीडियो मकेर के एगो मुसलमान नवही बेंगलुरु से अपना साथियन के मोबाइल पर भेजलसि आ ओकर पसरल शुरु हो गइल. हिन्दूवन का खिलाफ होखे वाला हर हरकत के अनदेखी करे के प्रशासनिक आदत अबकी … Read more

 327 total views

नाबालिग लइकी से ओकर चचिया दादा कुकर्म कइलसि

छपरा 12 नवम्बर (वार्ता) सारण जिला के मकेर इलाका के डाडलपुर गांव से पुलिस एगो पाँच साल के लइकी से कुकर्म करे वाला ओकरा चचिया दादा के गिरफ्तार कइलसि. पुलिस से जानकारी मिलल कि डाडलपुर गाँव के रिटायर्ड सैनिक राजकिशोर सिंह अपने चचेरी पोती से दुष्कर्म कइलसि जवना आरोप मे ओकरा के गिरफ्तार कइल गइल … Read more

 274 total views

जेनरेटर का करेंट से बाप बेटा के मौत

सारण जिला के मकेर थाना इलाका में भाथा गाँव में एगो बिआह का मौका पर जेनरेटर से बिजली सप्लाई होत रहुवे. गाँवे के बिंदा ठाकुर आ उनुका बेटा बादल ठाकुर के मौत एह जेनरेटर के करेंट का चपेटा में पड़ला से हो गइल. बादल ठाकुर के पाँच साल के एगो बेटीओ के करेंट लागल बा … Read more

 341 total views