web analytics

टटका खबर (मंगल, 29 सितंबर 2015)

सिलिकन वैली के सफल यात्रा का बाद न्‍यूयॉर्क पहुंच के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अमेरिका के राष्‍ट्रपति बराक ओबामा से मुलाकात कइलन. एह लोग के ई साल भितरे तिसरका भेंट रहल. एक घंटा के एह मुलाकात में दुनू देश आतंकवाद आ उग्रवाद के मुकाबला करे में आपसी सहयोग अउर बढ़ावे पर सहमत भइले. पीएम मोदी कहलन … Read more

 179 total views

टटका खबर (सोमार, 28 सितंबर 2015)

पीएम नरेन्द्र मोदी के एगो कठोर कवच का भीतर नरम दिल वाला आम मनई वाला रुप काल्हु तब सभका सोझा आ गइल जब फेसबुक के कार्यालय में लोग से बतियावत मोदी से मार्क जुकरबर्ग महतारी के जिक्र चला दिहलन. अपना माई का बारे में बतियावत मोदी के गरदन बाझ गइल आ रो दिहलन. मोदी के … Read more

 170 total views

टटका खबर (अतवार, 27 सितंबर 2015)

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी संयुक्त राष्ट्र में सुधार के जोरदार गोहार लगावत जी-4 शिखर सम्मेलन के संबोधित करत कहलन कि सुरक्षा परिषद के विस्तार तय समय सीमा में करा लीहल जावल जी-4 समुह में भारत, जर्मनी, ब्राजील आ जापान शामिल बाड़े आ ई चारो देश सुरक्षा परिषद के स्थायी सदस्यता खातिर कोशिश करे में लागल बाड़ें. … Read more

 166 total views

टटका खबर (शनिचर, 26 सितंबर 2015)

संयुक्त राष्ट्र के 70वां सालगिरह पर आमसभा के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सुरक्षा परिषद में सुधार आ एकर प्रतिनिधित्व व्यापक करे के जोरदार वकालत करत कहलन नि एकर विश्वसनीयता आ औचित्य बनवले राखे ला अइसन कइल जरूरी हो गइल बा. कहलन कि गरीबी मुक्त विश्व बनावल पर्यावरण के बचवले राखलो से बेसी जरूरी बा. … Read more

 172 total views

टटका खबर (शुक, 25 सितंबर 2015)

हज करे सऊदी अरब गइल दुनिया के अनेक देश के लोग के दू गो झुण्ड शैतान के पहिले ढेला मारे के रस्म पूरा करे का आपाधापी में एक दुसरा के कचारत बढ़े लागल. एह चलते भइल भगदड़ में 717 गो हाजियन के मौत हो गइल आ 860 से अधिका लोग घवाहिल हो गइल. एहमें भारतो … Read more

 342 total views