web analytics

मधेसी आन्दोलन के नेता भारत के पीएम से भेंट करीहें

नेपाल के नयका संविधान के विरोध करत मधेसी समुदाय के गोलन के नेता अतवार का दिने भारत आवे वाला बाड़ें आ एहिजा ई लोग प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी समेत अनेके बड़का नेता लोग से मिल के मधेसी आन्दोलन का बारे में चरचा करीहें. एह लोग के मनसा बा कि भारत सरकार अपना प्रभाव के इस्तेमाल क … Read more

 325 total views

नेपाल के मधेसी आंदोलन पर हिंसक हमला

आजु पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल में भारत-नेपाल सीवान पर नेपाल से आवत एगो ट्रक के रोके खातिर नो मैन्स लैंड पर प्रदर्शन करत मधेसी आंदोलन के लोग तस्करन से अझुरा गइल आ एह दौरान एक दर्जन से अधिका लोग घवाहिल हो गइल. एह बवाल का बाद से भारत-नेपाल मैत्री पुल का नियरा तनाव के … Read more

 328 total views

नेपाल के मधेसी आन्दोलन के खिलाफ बवाल करे लगलन माओवादी

नेपाल के नयका संविधान से शिकायत राखे वाला मधेसियन के आन्दोलन के कचारे खातिर नेपाल सरकार का साथही अब सत्ताधारी माओवादी बवाल पर उतर गइल बाड़ें. काल्हु भारतीय दूतावास के एगो कार के जरा दीहल गइल. हालांकि दूतावास एह खबर के खंडन करते कहले बावे कि ओकर कवनो गाड़ी नइखे जरावल गइल. अब मधेसी आन्दोलन … Read more

 384 total views

तीन महीना से अधिका दिन से चलत मधेसी आन्दोलन हिंसक हो गइल

अतवार का दिने नेपाल के सप्तरी जिला में मधेसी आन्दोलन का दौरान पुलिस से झड़प हो गइल. एकरा बाद पुलिस करीब दू सौ राउन्ड फायर झोंक दिहलसि जवना से तीन गो आन्दोलनकारियन के मौत हो गइल आ करीब दू दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. घवाहिलन में पुलिसो के लोग शामिल बा. जान जाईं कि … Read more

 340 total views

मधेसियन पर पुलिस फायरिंग से एक जने के मौत

भारत आ नेपाल के जोड़े वाला पुल पर आन्दोलन चला के भारत से आवे वाला सामन के रोके बइठल मधेसी आन्दोलनकारियन पर नेपाल पुलिस अतवार का दिने जोरदार कार्रवाई क के हटवलसि. एह दौरान पुलिस के फायरिंग से एक जने के मौत हो गइल आ अनेके लोग घवाहिल हो गइल, एह कार्रवाई का बाद चालीस … Read more

 294 total views