Go to ...
RSS Feed

मनरेगा

सारण जिला के मिलल चौबीस करोड़ में सतरह करोड़ खरचा हो गइल

मनरेगा में काम करावे खातिर सारण जिला के चौबीस करोड़ दिहल गइल रहुवे जवना से सतरह करोड़ के काम करा लिहल गइल बा. जिला में ४५२१६४ गो जॉब कार्ड बनावल गइल बा आ अबही ले ७३९२७१ मानव दिवस के काम हो चुकल बा.

बिहार आ यूपी में मनरेगा में गड़बड़झाला

केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश कहले बाड़न कि मनरेगा में खामी निकाले वाला कैग से उनुका कवनो शिकायत नइखे काहे कि कैग के कामे होला गड़बड़ी खोजल आ ओकरा के सामने ले आवल. आ इहो साँच बा कि अनेके राज्यन में, खास कर के बिहार, यूपी आ ओडिशा में, एह योजना के फंड के

बिहार में मनरेगा मजदूरी छह रुपिया कम हो गइल

बिहार सरकार हाथ खड़ा कर दिहले बिया कि मनरेगा मजदूरी में ऊ आपन योगदान ना दे सके. जबकि मनरेगा मजदूरी खातिर मिले वाला दैनिक १४४ रुपिया में से बिहार के छहे रुपिया देबे के रहुवे. १३८ रुपिया का दर से केन्द्र सरकार भुगतान करी आ ओतने रुपिया मजदूरन के दिहल जाई.