web analytics

ससुरारी आइल दामाद के गोली लगला से मौत

बलिया जिला के मनियर इलाका के छितौनी गाँव के कृष्णा सिंह लड़की के घरवालन के मर्जी के खिलाफ सुखपुरा के एगो सजाते लड़की से शादी कइले रहलन. हाल में एक दिन कवनो बात पर दुनू बेकत में झगड़ा हो गइल जवना का बाद लड़की के घरवाले ओकरा के ले के नईहर चल गइले. ओकरा के … Read more

 62 total views

पुरान झगड़ा में एगो मठिया के साधु के हत्या

बलिया जिला के मनियर इलाका में मठाधीशी के झगरा ले के एगो साधु के गरदन काट दिहल गइल. बियफे का रात ककरघट्टा गांव में घाघरा किनारे अपना मठ में सूतल एगो साधु रमन मल्लाह के कुछ लोग गरदन काट दिहल, पुलिस बतावत बिया कि पहिले ओह मठ में ब्रहमदेव बाबा रहत रहलें बाकिर उनका खराब … Read more

 45 total views

घाघरा के पानी मनियर आ सिकन्दरपुर में पसरल जारी

घाघरा नदी के पानी में बढ़ाव त सोमार का दिने थथम गइल बाकिर मनियर आ सिकन्दरपुर के मैदानी इलाकन में पानी के पसरल अबहियो जारी बा. लेतरहा समेत अनेके गाँव बाढ़ का पानी में घेराइल बा. बिल्थरा रोड के गुलौरा गाँव कटान का जद में आ गइल बा आ टीएस बंधा पर पानी के दबाव … Read more

 64 total views,  5 views today

12 हेक्टेयर में सरसो बोअला के प्रदर्शन

उपकृषि निदेशक डीपी सिंह बतवलन ह कि आइसोपाम योजना के तहत मनियर ब्लाक के बड़सरी जागीर गांव में सरसों के कोरल प्रजाति के 12 हेक्टेयर में बोअला के प्रदर्शन करावल गइल बा। उहां के निरीक्षण क के इ बतवलीं ह कि फसल बहुते बढ़िया बा। एकरा के बोअला से किसानन के आय बढ़ी।  45 total views

 45 total views

माई के गोदी से बचवा के ले भगलन स

मनियर। बलिया। सतकू बाबा स्थान पर एगो विक्षिप्त मेहरारू के गोदी से ओकर ढाई महीना के लइका के बोलेरो गाड़ी में आइल कुछु आदमी छीनि के ले के भाग गइलन ह स। बतावल जाता कि बुधवार के रात एक बजे चार जने बोलेरो गाड़ी से आइ के झपटि के ओकरा गोदी से लइकवा के ले … Read more

 53 total views,  5 views today